40 days Bhojpuri and English conversation with Flores.

Hello!
This is KYUHWAN, your contact at All in one Language!


In this session, we will learn a conversation in भोजपुरी (भोजपुरी) and English languages using the 'Flores200' data provided by 'MetaAI.' This data consists of a total of 997 sentences, so if you read 25 sentences per day, you can see your language skills improve within 40 days.


Furthermore, this data has translations in the same content for 204 languages, so you can use the blog search function at the top to search for the desired language. However, please note that this data will be reflected in the blog starting from June 2023, and it takes six months for all the data to be incorporated. If the language you search for is not available, it means it hasn't been included yet, so please understand.

The language list is provided at the bottom of this post.


[Day1]

Bhojpuri : सोमार के, स्टैनफ़ोर्ड विश्वविद्यालय के स्कूल ऑफ़ मेडिसीन के वैज्ञानिक लोग एगो नया डायग्नोस्टिक टूल के आविष्कार के बारे में बतइलन जे सरीर के कोसिका के, ओकर प्रकार के हिसाब से क्रम में व्यवस्थित कर सकेला: एगो बहुत छोट प्रिंट करे लायक चिप जेकरा सामान्य इंकजेट प्रिंटर से बनावल जा सकेला अउरी जेकर खर्चा करीब एक अमेरिकी सेंट आई.

English : On Monday, scientists from the Stanford University School of Medicine announced the invention of a new diagnostic tool that can sort cells by type: a tiny printable chip that can be manufactured using standard inkjet printers for possibly about one U.S. cent each.



Bhojpuri : अनुसंधान करे वाला बड़का लोग सs कहेलन कि एकरा से गरीब देस में मरीज के अंदर कैंसर, टीबी, HIV एड्स अउरी मलेरिया जइसन बेमारी के समय से पहिले पता लगावल जा सकेला. साथे-साथ, ब्रेस्ट कैंसर जइसन बेमारी से होखे वाला मौत के संख्या अमीर देस के मुकाबले आधा कइल जा सकेला.

English : Lead researchers say this may bring early detection of cancer, tuberculosis, HIV and malaria to patients in low-income countries, where the survival rates for illnesses such as breast cancer can be half those of richer countries.



Bhojpuri : JAS 39C ग्रिपेन विमान स्थानीय समय के अनुसार सुबह करीब 9:30 बजे (0230 UTC) रनवे पर क्रैस हो गइल जेकरा से भयानक विस्फोट हो गइल. एही कारन हवाई अड्डा के सभी व्यावसायिक उड़ान खातिर बंद कर देहल गइल.

English : The JAS 39C Gripen crashed onto a runway at around 9:30 am local time (0230 UTC) and exploded, closing the airport to commercial flights.



Bhojpuri : ई विमान के पायलट के पहिचान स्क्वाड्रन लीडर डिलोक्रिट पतावी के रूप में भइल बा.

English : The pilot was identified as Squadron Leader Dilokrit Pattavee.



Bhojpuri : स्थानीय मीडिया खबर देहलस कि हवाई अड्डा के आग बुझावे वाला गाड़ी तुरंत घटनास्थल पर पहुँच गइल बा.

English : Local media reports an airport fire vehicle rolled over while responding.



Bhojpuri : 28 साल के विडाल तीन सीज़न पहिले सेविला से Barça में जुड़लन.

English : 28-year-old Vidal had joined Barça three seasons ago, from Sevilla.



Bhojpuri : कैटेलन-कैपिटल में गइला के बाद, विडाल 49 गो गेम क्लब खातिर खेलले रहन.

English : Since moving to the Catalan-capital, Vidal had played 49 games for the club.



Bhojpuri : प्रदर्सन स्थानीय समयानुसार सुबह 11:00 बजे (UTC+1) प्रधानमंत्री के सरकारी आवास के निकट पुलिस सुरक्षा वाला डाउनिंग स्ट्रीट के प्रवेस द्वार के सामने व्हाइटहॉल पर भइल.

English : The protest started around 11:00 local time (UTC+1) on Whitehall opposite the police-guarded entrance to Downing Street, the Prime Minister´s official residence.



Bhojpuri : 11:00 बजे के तुरंत बाद, प्रदरसनकारी सs व्हाइटहॉल में ऊत्तर दिसा के तरफ जाए वाला सड़क के जाम कर देहलन.

English : Just after 11:00, protesters blocked traffic on the northbound carriage in Whitehall.



Bhojpuri : 11 बज के 20 मिनट पर पुलिस के लोग प्रदर्सनकारी सs के वापस फुटपाथ पर जाएला कहलन अउरी समझइलन कि उनका लोग के आपन प्रदर्सन के अधिकार अउरी सड़क पर बढ़त जा रहल यातायात के बीच संतुलन बनावे के पड़ी.

English : At 11:20, the police asked the protesters to move back on to the pavement, stating that they needed to balance the right to protest with the traffic building up.



Bhojpuri : करीब 11 बज के 29 मिनट पर प्रदर्सन, व्हाइटहॉल से निकल के ट्रेफ़ेलगर स्क्वेयर के आगे स्ट्रैंड के साथे-साथ ऑल्डविच अउरी किंग्सवे के रास्ता से होखत होलबर्न के तरफ बढ़लस जहाँ कन्ज़र्वेटिव पार्टी, ग्रैंड कनॉट रूम होटल में आपन स्प्रिंग फोरम के मीटिंग करत रहे.

English : Around 11:29, the protest moved up Whitehall, past Trafalgar Square, along the Strand, passing by Aldwych and up Kingsway towards Holborn where the Conservative Party were holding their Spring Forum in the Grand Connaught Rooms hotel.



Bhojpuri : कनाडा के खिलाफ़ नाडाल के हेड-टू-हेड रिकॉर्ड 7-2 के बा.

English : Nadal´s head to head record against the Canadian is 7–2.



Bhojpuri : उ हाले में ब्रिसबेन ओपन में राओनिक से हार गइल रहन.

English : He recently lost against Raonic in the Brisbane Open.



Bhojpuri : नाडाल आपन मैच में 88% नेट पॉइंट बनइलन जेकरा में 76 पॉइंट उ आपन फर्स्ट सर्व में बनइलन.

English : Nadal bagged 88% net points in the match winning 76 points in the first serve.



Bhojpuri : मैच के बाद किंग ऑफ़ क्ले कहलन, ¨सबसे अहम ईवेंट के फ़ाइनल राउंड में पहुँचला पर हम बहुत ज्यादा खुस बानी. हम ईहाँ जीते के पूरा प्रयास करब.¨

English : After the match, King of Clay said, ¨I am just excited about being back in the final rounds of the most important events. I am here to try to win this.¨



Bhojpuri : ¨पनामा पेपर्स¨ महज एगो सब्द बा जेकरा अंदर पनामा के लॉ-फ़र्म मोसाक फ़ोनसीचा के मोटा-मोटी एक करोड़ से ज़्यादा दस्तावेज़ आवेला अउरी जे साल 2016 के वसंत के मौसम में लीक होके प्रेस के पास पहुँच गइलस.

English : ¨Panama Papers¨ is an umbrella term for roughly ten million documents from Panamanian law firm Mossack Fonseca, leaked to the press in spring 2016.



Bhojpuri : दस्तावेज़ से पता चलsता कि 14 बैंक एगो सांठगांठ करके अमीर क्लाइंट के अरबों अमेरिकी डॉलर के संपत्ति के छिपावे के कोसिस करलस ताकि उ क्लाइंट के टैक्स न देवे पड़े अउरी अन्य नियम कानून से बचल जा सके.

English : The documents showed fourteen banks helped wealthy clients hide billions of US dollars of wealth to avoid taxes and other regulations.



Bhojpuri : एगो ब्रिटिश अखबार द गार्डियन में छपल रहे कि अइसन काम करे वाला 1200 फर्ज़ी कंपनी में से करीब एक तिहाई के कंट्रोल डॉशे बैंक के पास रहे.

English : British newspaper The Guardian suggested Deutsche Bank controlled roughly a third of the 1200 shell companies used to accomplish this.



Bhojpuri : पूरा दुनिया में बहुत सारा प्रदर्सन भइल, बहुत सारा आपराधिक केस चलल, अउरी आइसलैंड अउरी पाकिस्तान सरकार के नेता लोगन के इस्तीफ़ा देवे पड़ल.

English : There were protests worldwide, several criminal prosecutions, and the leaders of the governments of Iceland and Pakistan both resigned.



Bhojpuri : मा के पैदाइश हॉन्ग कॉन्ग में भइल और पढ़ाई-लिखाई न्यू यॉर्क विश्वविद्यालय अउरी हॉर्वर्ड लॉ स्कूल से. मा के एक बार अमेरिका के स्थाई नागरिकता ¨ग्रीन कार्ड¨ भी मिलल रहे.

English : Born in Hong Kong, Ma studied at New York University and Harvard Law School and once held an American permanent resident ¨green card¨.



Bhojpuri : शेय एक बार मा के बारे में कहलन कि उ संकट के समय देश छोड़ के भाग जइहें.

English : Hsieh implied during the election that Ma might flee the country during a time of crisis.



Bhojpuri : शेय त इहो कहलन कि मा फ़ोटो में बढ़िया दिखेलन आ उनकर व्यक्तित्व में स्टाइल बा, लेकिन काम करे के काबिलियत नइखे.

English : Hsieh also argued that the photogenic Ma was more style than substance.



Bhojpuri : ई सब आरोप लगइला के बावजूद मा आसानी से हउ प्लेटफ़ॉर्म पर जीत दर्ज कइलन जे चीन के साथ करीबी संबंध बनावे के मुखालफत करत रहे.

English : Despite these accusations, Ma won handily on a platform advocating closer ties with the Chinese mainland.



Bhojpuri : आज के प्लेयर ऑफ़ द डे बाड़न वॉशिंगटन कैपिटल के एलेक्स ओवेच्किन.

English : Today´s Player of the Day is Alex Ovechkin of the Washington Capitals.



Bhojpuri : उ सीधे 2 गोल करे में सफल हो गइलन अउरी वॉशिंगटन कैपिटल के अउरी 2 गोल करे में मदद कइलन जेकरा कारन उनकर टीम अटलांटा थ्रैशर पर 5-3 से जीत दर्ज करलस.

English : He had 2 goals and 2 assists in Washington´s 5-3 win over the Atlanta Thrashers.



[Day2]

Bhojpuri : मैच के रात ओवेच्किन के मदद से पहिला गोल निकलस बैकस्टॉर्म कइलन जे टीम के जीता देहलस;

English : Ovechkin´s first assist of the night was on the game-winning goal by rookie Nicklas Backstrom;



Bhojpuri : मैच वाला रात के दुसरका गोल, सीज़न के उनकर 60वां गोल रहे जेकरा कारन उ एक सीज़न में 60 या अधिक गोल करे वाला पहिला खिलाड़ी बन गइलन. एकरा से पहिले 1995-96 के सीज़न में जेरोमीर जग्र और मारियो लीमिक्स, दूनो लोग ई लक्ष्य के हासिल कइले बाड़न.

English : his second goal of the night was his 60th of the season, becoming the first player to score 60 or more goals in a season since 1995-96, when Jaromir Jagr and Mario Lemieux each reached that milestone.



Bhojpuri : बेटेन के साल 2008 के 400 सबसे अमीर अमरीकी के सूची में 190वां स्थान मिललस. उनकर अनुमानित कुल संपत्ति 2.3 बिलियन डॉलर बा.

English : Batten was ranked 190th on the 2008 400 Richest Americans list with an estimated fortune of $2.3 billion.



Bhojpuri : ऊ सन 1950 में वर्जीनिया विश्वविद्यालय के कॉलेज ऑफ़ आर्ट्स एंड साइंसेज़ से ग्रेजुएशन पूरा कइलन अउरी बाद में उ संस्थान खातिर काफ़ी महत्वपूर्ण दानकर्ता बन गइलन.

English : He graduated from the College of Arts & Sciences of the University of Virginia in 1950 and was a significant donor to that institution.



Bhojpuri : इराक के अबु गरीब जेल के एगो दंगा के दौरान आग लगा देवल गइल.

English : Iraq´s Abu Ghraib prison has been set alight during a riot.



Bhojpuri : ई जेल पर अमेरिकी सैनिक के कब्जा भइला के बाद एगो कैदी के साथे दुर्व्यवहार भइल जेकर कारन ई जेल के नाम बहुत खराब हो गइल.

English : The jail became notorious after prisoner abuse was discovered there after US forces took over.



Bhojpuri : पिकेट जूनियर, 2008 के सिंगापुर ग्रां प्री रेस में आपन कार के फर्नैंडो अलोंसो खातिर एगो अर्ली पिट स्टॉप के बाद क्रैश कर देहलन जेसे ऊ सेफ्टी कार से बाहर बाहर निकल गइलन.

English : Piquet Jr. crashed in the 2008 Singapore Grand Prix just after an early pit stop for Fernando Alonso, bringing out the safety car.



Bhojpuri : जब अलोंसो के कार के आगे वाला कार सs इंधन खातिर सेफ़्टी कार के तरे गइल, तs उ जीत हासिल करे खातिर आपन कार के आगे बढ़ा देहलन.

English : As the cars ahead of Alonso went in for fuel under the safety car, he moved up the pack to take victory.



Bhojpuri : पिकेट जूनियर के 2009 के हंगरी में भइल ग्रां प्री रेस के बाद बर्खास्त कर देहल गइल.

English : Piquet Jr. was sacked after the 2009 Hungarian Grand Prix.



Bhojpuri : सुबह के ठीक 8:46 बजे पूरा सहर में सन्नाटा पसर गइल, ताकि उ पल के याद करल जा सके जब पहिला जहाज़ आपन निशाना पर क्रैश होखल रहे.

English : At exactly 8:46 a.m. a hush fell across the city, marking the exact moment the first jet struck its target.



Bhojpuri : रात भर दू गो लाइट के बीम आसमान के तरफ़ कर के रखल गइल.

English : Two beams of light have been rigged up to point skywards overnight.



Bhojpuri : हउ साइट पर पांच गो गगनचुंबी इमारत बन रहल बा अउरी एकर बीच में परिवहन केंद्र अउरी मेमोरियल पार्क बनsता.

English : Construction is ongoing for five new skyscrapers at the site, with a transportation center and memorial park in the middle.



Bhojpuri : PBS शो के दू दर्जन से जादा एम्मी अवार्ड मिलल बा, अउरी शो के अवधि खाली Sesame Street अउरी Mister Rogers´ Neighborhood के कम रहे.

English : The PBS show has more than two-dozen Emmy awards, and its run is shorter only than Sesame Street and Mister Rogers´ Neighborhood.



Bhojpuri : शो को हर एपिसोड कौनो खास किताब के एगो थीम पर बनावल रहे और ओकरा के अलग-अलग कहानी के माध्यम से पढ़ावल जात रहे.

English : Each episode of the show would focus on a theme in a specific book and then explore that theme through multiple stories.



Bhojpuri : हर शो में उ पुस्तक के सुझाव देवल जात रहे जे बच्चा लोग पुस्तकालय जाके पढ़ सके.

English : Each show would also provide recommendations for books that children should look for when they went to their library.



Bhojpuri : WNED बफैलो (Reading Rainnbow के हेम स्टेशन) के जॉन ग्रांट एक बार कहले रहन कि ¨Reading Rainbow बच्चा सs के सिखइलस कि पढ़ला काहे जरूरी बा,... बच्चा लोग में पढ़ाई खातिर प्यार जगइलस — [हइ शो] बच्चा सs के उत्साह बढ़इलस कि उ लोग किताब उठाके पढ़ सके.¨

English : John Grant, from WNED Buffalo (Reading Rainbow´s home station) said ¨Reading Rainbow taught kids why to read,... the love of reading — [the show] encouraged kids to pick up a book and to read.¨



Bhojpuri : जॉन ग्रांट सहित कुछ लोगन इ मानेलें की फंडिंग के कमी और शैक्षिक टेलीविज़न प्रोग्राम के सिद्धांत में बदलाव दुनू इ सीरीज के समाप्त करे में योगदान देहलस.

English : It is believed by some, including John Grant, that both the funding crunch and a shift in the philosophy of educational television programming contributed to ending the series.



Bhojpuri : हई तूफ़ान केप वर्डे द्वीप के पश्चिम में 645 मील (1040 किमी) दूर बा, अउरी मौसम पूर्वानुमान में कहल गइल बा कि जमीनी इलाका पर पहुंचे से पहिले एकरा तितर-बितर होखे के संभावना बा.

English : The storm, situated about 645 miles (1040 km) west of the Cape Verde islands, is likely to dissipate before threatening any land areas, forecasters say.



Bhojpuri : फ़्रेड तूफ़ान के गति अभी 105 मील प्रति घंटा (165 किमी/घं) बा अउरी ई उत्तर पश्चिम के तरफ़ बढ़ रहल बा.

English : Fred currently has winds of 105 miles per hour (165 km/h) and is moving towards the northwest.



Bhojpuri : फ़्रेड तूफ़ान, सैटेलाइट इमेजरी के शुरुआत के बाद से अटलांटिक के सुदूर दक्खिन अउरी पूरब में उठे वाला अब तक के सबसे बड़ उष्णकटिबंधीय चक्रवात बा अउरी 35°W के पूरब में रेकॉर्ड कइल अब तक के तीसरा सबसे बड़का हरिकेन बा.

English : Fred is the strongest tropical cyclone ever recorded so far south and east in the Atlantic since the advent of satellite imagery, and only the third major hurricane on record east of 35°W.



Bhojpuri : 24 सितंबर, 1759 के आर्थर गिनीज़, आयरलैंड के डबलिन में सेंट जेम्स ब्रूरी खातिर 9000 साल खातिर एगो लीज पर साइन कईलन.

English : On September 24, 1759, Arthur Guinness signed a 9,000 year lease for the St James´ Gate Brewery in Dublin, Ireland.



Bhojpuri : 250 साल के बाद, गिनीज़ के बिज़नेस बढ़ के ग्लोबल हो गइलस जे अब हर साल 10 बिलियन यूरो (14.7 बिलियन अमेरिकी डॉलर) के कमाई करsता.

English : 250 years later, Guinness has grown to a global business that turns over 10 billion euros (US$14.7 billion) every year.



Bhojpuri : जॉनी रीड, जे न्यूज़ीलैंड टीम के A1GP के को-ड्राइवर बाड़ें, आई न्यूज़ीलैंड के 48 साल पुराना ऑकलैंड हार्बर ब्रिज पर कानूनी रूप से सबसे तेज़ी से कार चलावे के इतिहास बना देहलन.

English : Jonny Reid, co-driver for the A1GP New Zealand team, today made history by driving the fastest over the 48-year-old Auckland Harbour Bridge, New Zealand, legally.



Bhojpuri : श्री रीड न्यूज़ीलैंड के A1GP कार, ब्लैक ब्यूटी के 160 किलोमीटर प्रति घंटा के रफ़्तार से हउ पुल पर सात बार चलइलन.

English : Mr Reid managed to drive the New Zealand´s A1GP car, Black Beauty at speeds over 160km/h seven times over the bridge.



Bhojpuri : न्यूज़ीलैंड पुलिस के आपन स्पीड गन से श्री रीड के कार के स्पीड पता लगावे में समस्या होखत रहे, काहे कि ब्लैक ब्यूटी कार के ऊँचाई बहुत कम बा. पुलिस के स्पीड गन जब कार के स्पीड पता लगइलस, तs उ समय रीड आपन कार के स्पीड कम करके 160 किलोमीटर प्रति घंटा पर ले आइल रहन.

English : The New Zealand police had trouble using their speed radar guns to see how fast Mr Reid was going because of how low Black Beauty is, and the only time the police managed to clock Mr Reid was when he slowed down to 160km/h.



[Day3]

Bhojpuri : पिछला 3 महीना में, 80 से ज़्यादा गिरफ़्तार लोग के बिना कोई आरोप के सेंट्रल बुकिंग फ़ेसिलिटी से छोड़ देहल गइल.

English : In the last 3 months, over 80 arrestees were released from the Central Booking facility without being formally charged.



Bhojpuri : ई साल अप्रील में, जज ग्लिन हई फ़ेसिलिटी के खिलाफ़ एगो अस्थाई आदेश देहलन कि जौने लोग के गिरफ़्तार कइला 24 घंटा से ज़्यादा हो गइल अउरी कोर्ट कमिश्नर के सामने अब तक सुनवाई नइखे भइल उ लोगन के छोड़ देहल जाए.

English : In April this year, a temporary restaining order was issued by Judge Glynn against the facility to enforce the release of those held more than 24 hours after their intake who did not receive a hearing by a court commissioner.



Bhojpuri : ज़मानत मंज़ूर हो गइला के बाद कमिश्नर ज़मानत दे देवेलन, अउरी गिरफ़्तार करे वाला अधिकारी के लगावल आरोप के कानूनी रूप देवेलन. हई आरोप पत्र के राज्य के कंप्यूटर में डाल देहल जाला जहां से इ केस के ट्रैकिंग करल जाला.

English : The commissioner sets bail, if granted, and formalizes the charges filed by the arresting officer. The charges are then entered into the state´s computer system where the case is tracked.



Bhojpuri : आरोपित व्यक्ति के तेज़ सुनवाई के अधिकार के तहत सुनवाई के तारीख भी डाल देहल जाला.

English : The hearing also marks the date for the suspect's right to a speedy trial.



Bhojpuri : पीटर कॉस्टेलो, जे ऑस्ट्रेलिया के ट्रेज़रर बाड़न अउरी जिनकर प्रधानंत्री जॉन हावर्ड के बाद एगो लिबरल पार्टी के नेता के रूप में सत्ता में आवे के संभावना बा, ऑस्ट्रेलिया में एगो परमाणु ऊर्जा उद्योग के चलते आपन समर्थन वापस ले ले बाड़न.

English : Peter Costello, Australian treasurer and the man most likely to succeed Prime Minister John Howard as Liberal party leader has thrown his support behind a nuclear power industry in Australia.



Bhojpuri : श्री कॉस्टेलो कहलन कि जब परमाणु ऊर्जा सबके आर्थिक ज़रूरत बन जाई तब ऑस्ट्रेलिया के एकर इस्तेमाल के बढ़ावा देवे के प्रयास करे के चाहीं.

English : Mr Costello said that when nuclear power generation becomes economically viable, Australia should pursue its use.



Bhojpuri : कॉस्टेलो कहलन कि ¨Iअगर हई व्यवसाय बनsता त बने देहल जाई. तब एकरा में सैद्धांतिक रूप से परमाणु ऊर्जा के लेके कउनो आपत्ति नइखे होखे के चाहीं.¨

English : ¨If it becomes commercial, we should have it. That is, there´s no in-principle objection to nuclear energy¨ Mr Costello said.



Bhojpuri : ANSA के मुताबिक, ¨पुलिस के चिंता रहे कि कहीं इ माफिया गिरोह के बड़का लोग के बीच कहीं उत्तराधिकार के लेके कोई खून-खराबा ना शुरू हो जाए.

English : According to Ansa, ¨police were concerned by a couple of top-level hits they feared might spark a full-blown war of succession.



Bhojpuri : पुलिस कहलस कि लो पिकोलो के पक्ष ज़्यादा मज़बूत रहे, काहे कि उ पालेर्मो में प्रोवेंज़ानो के दायां हाथ बन के रहलस. आपन अनुभव के कारन उ पुरनका पीढ़ी के बॉस से बहुत इज्जत पइलस काहे कि उ प्रोवेंज़ानो के नीति पर चललस अउरी आपन नेटवर्क मज़बूत करे के साथ-साथ यथासंभव आमजन बन के रहलस.

English : Police said Lo Piccolo had the upper hand because he had been Provenzano´s right-hand man in Palermo and his greater experience won him the respect of the older generation of bosses as they pursued Provenzano´s policy of keeping as low as possible while strengthening their power network.



Bhojpuri : प्रोवेंज़ानो जब राइना के शुरू कइल लड़ाई के अंत कर देहलस, तब इ बॉस लोग पर अंकुश लग गइल. राइना के लड़ाई सरकार के खिलाफ़ रहे जेकरा वजह से माफ़िया क्रुसेडर जियोवानी फ़ालकन अउरी पाओलो बोरसेलिनो के 1992 में मौत हो गइल रहे.¨

English : These bosses had been reined in by Provenzano when he put an end to the Riina-driven war against the state that claimed the lives of Mafia crusaders Giovanni Falcone and Paolo Borsellino in 1992.¨



Bhojpuri : Apple कंपनी के सीईओ स्टीव जॉब्स चलत-चलत स्टेज पर अइलन अउरी आपन जीन्स के पाकिट से नएका iPhone निकाल के इ नया डिवाइस के लॉन्च कइलन.

English : Apple CEO Steve Jobs unveiled the device by walking onto the stage and taking the iPhone out of his jeans pocket.



Bhojpuri : आपन 2 घंटा के भाषण में उ बतइलन कि ¨Apple आज फ़ोन के एक नया जन्म देवे जा रहल बा, हमनीं के आज इतिहास बनावे जा तानी¨.

English : During his 2 hour speech he stated that ¨Today Apple is going to reinvent the phone, We are going to make history today¨.



Bhojpuri : ब्राजील दुनिया क सबसे बड़ रोमन कैथोलिक देस ह. ए देस में रोमन कैथोलिक चर्च हमेसा से एक ही लिंग के लोगन के बियाह के कानूनी मान्यता देवे के खिलाफ रहल बा.

English : Brazil is the largest Roman Catholic country on Earth, and the Roman Catholic Church has consistently opposed the legalization of same-sex marriage in the country.



Bhojpuri : ब्राज़ील क नेसनल कॉन्ग्रेस में 10 साल से एके कानूनी बनावे खातिर बातचीत चलता अउर ए तरह के बियाहन के खाली रियो ग्रांडे दो सुल में कानूनी दर्जा मिलल बा.

English : The National Congress of Brazil has debated legalization for 10 years, and such civil marriages are currently only legal in Rio Grande do Sul.



Bhojpuri : ए मूल विधेयक के तैयार करे वाली साओ पॉलो क पुरान मेयर, मार्टा सप्लिसी रहलीं. संसोधन के बाद प्रस्तावित कइल गईल कानून क फैसला अब रॉबर्टो जेफ़रसन के हाथ में बा.

English : The original bill was drafted by former mayor of São Paulo, Marta Suplicy. The proposed legislation, after being amended, is now in the hands of Roberto Jefferson.



Bhojpuri : विरोध करे वाला लोगन के ए दरखास्त के पच्छ में 12 लाख हस्ताच्छर मिले के उम्मीद बा, जेकरा बाद एके नवंबर महीना में नेसनल कॉन्ग्रेस में पेस कइल जाई.

English : Protesters hope to collect a petition of 1.2 million signatures to present to the National Congress in November.



Bhojpuri : ई बात खुलके सामने अइले के बाद कि कई गो परिवार बेदखली के खिलाफ कानूनी मदद क रास्ता खोजताने, 20 मार्च के ईस्ट बे कम्युनिटी लॉ सेंटर में हाउसिंग घोटाला के सिकार भइल लोगन के खातिर एगो मीटिंग के आयोजन कइल गइल.

English : After it became apparent that many families were seeking legal help to fight the evictions, a meeting was held on March 20 at the East Bay Community Law Center for the victims of the housing scam.



Bhojpuri : जब किराया पर रहे वाला लोग ई बतावे लागल कि उनके संगे का भइल बा, तब ए मामला के सिकार भइल लोगन के एकाएक बुझाइल कि OHA के कैरोलिन विल्सन उनकर सिक्योरिटी डिपाजिट लूट के सहर से चंपत हो गइल बानीं.

English : When the tenants started sharing what had occurred to them, most of the families involved suddenly realized that Carolyn Wilson of the OHA had stolen their security deposits, and skipped out of town.



Bhojpuri : लॉकवुड गार्डेंस के रहवसियन क ई कहल बा कि अइसन 40 आ एसे ढेर परिवारन के अउर बेदखल कइल जा सकेला, काहे से कि उनके ई पता चलल बा कि OHA के पुलिस ओकलैंड के ऊ सब पब्लिक हाउसिंग के पड़ताल करताने जे हाउसिंग घोटाला में फंसल हो सकेला.

English : Tenants at Lockwood Gardens believe that there may be another 40 families or more to face eviction, since they learned that OHA police are also investigating other public housing properties in Oakland that may be caught up in the housing scam.



Bhojpuri : बैंड मावी वॉर मेमोरियल स्टेडियम में होखे वाला सो के रद्द क दिहलस अउर अपने चाहे वालन से माफी मांग लिहलस. ए सो में 9,000 लोग आवे वाला रहे.

English : The band canceled the show at Maui´s War Memorial Stadium, which was set to be attended by 9,000 people, and apologized to fans.



Bhojpuri : 20 सितंबर के बैंड के मैनेजमेंट कंपनी, HK Management Inc. ए सो के रद्द करे के बेरा एकर कउनो कारण ना बतउलस अउर अगला दिने एकरा खातिर सामान ढोवे में होखे वाला गंजन के जिम्मेदार ठहरा दिहलस.

English : The band´s management company, HK Management Inc., gave no initial reason when they canceled on September 20, but blamed logistical reasons by the next day.



Bhojpuri : यूनान देस क जानल-मानल दू गो वकील, साकिस केचागियाग्लू अउर जॉर्ज निकोलाकोपोलस के घूस आ भ्रष्टाचार के दोसी पावल गइल अउर ऊ दूनू जनी के कोराइडेलस के एथेंस जेल में डाल दिहल गइल.

English : The famous Greek lawyers, Sakis Kechagioglou and George Nikolakopoulos have been imprisoned in the Athens´ jail of Korydallus, as they were found guilty of graft and corruption.



Bhojpuri : एकर नतीजा ई भइल कि जज्जन, वकीलन, बैरिस्टरन अउर मुख्तारन के कुल गैरकानूनी काम के पुरान चिट्ठा खुलले से यूनान के कानूनी बिरादरी में हड़कंप मच गइल.

English : As a result of this, a big scandal within the Greek legal community has been raised through the exposure of illegal actions that judges, lawyers, solicitors and attorneys have done during the previous years.



Bhojpuri : कुच्छे हफ्ता पहिले, जब पत्रकार माकिस ट्रायांटाफिलोपुलस Alpha TV के अपना जानल-मानल टीवी सो ¨Zoungla¨ में ई जानकारी प्रकासित कईलें, ओकरे बाद संसद सदस्य अउरी वकील, पेट्रोस मेंट्रूवलस के सदस्य पद से हटा दिहल गइल, एसे कि उनके कार्यालय के लोग गैरकानूनी घूस अउरी भ्रष्टाचार के मामला में सामिल पावल गइलें.

English : A few weeks ago, after the information published by the journalist Makis Triantafylopoulos in his popular Television show ¨Zoungla¨ in Alpha TV, the member of Parliament and lawyer, Petros Mantouvalos was abdicated as members of his office had been involved in illegal graft and corruption.



Bhojpuri : एतने ना, बल्कि सबसे बड़का जज एवानजेलस कलोसिस के भ्रष्टाचार अउर खराब आचरण के दोषी पावल गइल आ उनके जेल में डाल दिहल गइल.

English : Moreover, top judge Evangelos Kalousis is imprisoned as he found guilty of corruption and degenerate behaviour.



[Day4]

Bhojpuri : रॉबर्ट्स ई बात बतावे से साफ मना क देहलें कि उनके अनुसार जीवन कब सुरू भइल, बाकिर गर्भपात नैतिक बा कि ना, ए पर विचार करे खातिर ई एगो जरूरी सवाल बा. उनकर कहल बा कि अइसन सब मामलन से जुड़ल जानकारी पर बात कइल अनैतिक होई.

English : Roberts flatly refused to say about when he believes life begins, an important question when considering the ethics of abortion, saying that it would be unethical to comment on the specifics of likely cases.



Bhojpuri : उ कहलन, लेकिन उनकर पहिले के कहल बात कि रो बनाम वेड के फैसला ¨देस के स्थापित कानून¨ के हिस्सा रहे, ए बात पर बल देता कि सुप्रीम कोर्ट के कइल एक जइसन फैसला केतना महत्व राखेला.

English : He did, however, reiterate his earlier statement that Roe v. Wade was the ¨settled law of the land¨, emphasizing the importance of consistent Supreme Court rulings.



Bhojpuri : ऊ एहू बात के पुस्टि कइनें कि निजता के अधिकार में भी उनकर भरोसा बा जेपर रो के केस के फैसला निर्भर रहे.

English : He also confirmed that he believed in the implied right to privacy which the Roe decision depended upon.



Bhojpuri : दूसरका स्थान पइले नूसा से 6 पाइंट ढेर लेके मरूचिडोर सबसे टाप पर रहल.

English : Maroochydore had finished on top of the ladder, six points clear of Noosa in second.



Bhojpuri : ई दूनो पच्छ बड़का सेमी फाइनल में मुकाबला कइलस जेमें नूसा 11 पाइंट लेके जीत हासिल कइले बा.

English : The two sides would meet in the major semi final where Noosa ran out winners by 11 points.



Bhojpuri : एकरा बाद मरूचिडोर प्रीलिमिनरी फाइनल में कबूल्चर के हरउलस.

English : Maroochydore then defeated Caboolture in the Preliminary Final.



Bhojpuri : हेस्पेरानिकस एलिज़ाबेथे, ड्रोमेसॉरिडी समूह के प्रजाति बा अउर ई वेलोसिरेप्टर से एकर संबंध बा.

English : Hesperonychus elizabethae is a species of the family Dromaeosauridae and is a cousin of Velociraptor .



Bhojpuri : अइसन मानल जाला कि ई विकसित पाख वाला अउर गरम खून वाला सिकारी चिरई आपन दूनो गोड़ पर सीधा चलत रहे आ एकर पंजा वेलोसिरेप्टर के जइसन रहे.

English : This fully feathered, warm blooded bird of prey was believed to have walked upright on two legs with claws like the Velociraptor.



Bhojpuri : एकर दूसरका पंजा बड़ रहे जेसे कि एकर नाम हेस्पेरोनिकस पड़ल जेकर माने ¨वेस्टर्न क्ला¨ होला.

English : Its second claw was larger, giving rise to the name Hesperonychus which means ¨western claw.¨



Bhojpuri : बरफ के तूरी के त हटावे के पड़ल, साथ में खराब मउसम भी बचाव अभियान में टांग अड़उलस.

English : In addition to the crushing ice, extreme weather conditions have been hampering rescue efforts.



Bhojpuri : पिटमैन बतउनें कि अगला हफ्ता से पहिले हालत ठीक ना होई.

English : Pittman suggested that conditions wouldn´t improve until sometime next week.



Bhojpuri : पिटमैन के कहला के हिसाब से, समुद्र में तैरत बरफ के ढेर सीलरन के जेतना परेसान ए बार कइलस ओतना पिछला 15 बरिस में कब्बो ना कइले रहे.

English : The amount and thickness of the pack ice, according to Pittman, is the worst it has been for sealers in the past 15 years.



Bhojpuri : आज रेड लेक कम्युनिटी में इ खबर फइलल बा कि 21 मार्च के स्कूल में भइल गोलीकांड के संबंध में एगो अउरी छात्र के गिरफ्तारी भइल बा. रेड लेक में आज जेफ वाइज अउरी गोलीकांड के सिकार भइल नौ में से तीन अन्य छात्र के अंतिम संस्कार करल जा रहल बा.

English : News spread in the Red Lake community today as funerals for Jeff Weise and three of the nine victims were held that another student was arrested in connection with the school shootings of March 21.



Bhojpuri : अधिकारी लोगन आज के गिरफ्तारी के पुष्टिकरण के अलावा आधिकारिक तौर पर कुछो न कहलन.

English : Authorities said little officially beyond confirming today´s arrest.



Bhojpuri : बाकिर, जाँच सूत्र के हवाले से मिनियापोलिस स्टार-ट्रिब्यून के जानकारी मिललस कि इ अपराध के पीछे 16 साल के लइका लूईस जूर्डेन के हाथ बा जे रेड लेक ट्राइबल चेयरमैन फ्लॉइड जूर्डेन के बेटा हs.

English : However, a source with knowledge of the investigation told the Minneapolis Star-Tribune that it was Louis Jourdain, 16-year old son of Red Lake Tribal Chairman Floyd Jourdain.



Bhojpuri : अभी तक इ पाता नइखे कि कौना-कौना अभियोग लगावल जाई या अधिकारी लोग इ लइकवा के कहाँ से पकड़ के ले अइलन, लेकिन फेडरल कोर्ट में बाल अभियुक्तन के खिलाफ कार्रवाई चालू हो गइल बा.

English : It is not known at this time what charges will be laid or what led authorities to the boy but juvenile proceedings have begun in federal court.



Bhojpuri : लॉडिन इहो कहनें कि अधिकारी लोग चुनाव रद्द करे के फैसला क लेहले बा, जेसे कि अफ़गानन के दूसर चुनाव के खरचा अउर सुरक्षा के जोखिम से बचावल जा सके.

English : Lodin also said officials decided to cancel the runoff in order to save Afghans the expense and security risk of another election.



Bhojpuri : राजनयिक लोगन के कहल बा कि अफ़गानिस्तान के संविधान में कउनो अइसन साफ-साफ नियम नइखे जेसे कि ई तय कइल जा सके कि चुनाव करावल बेकार बा कि ना.

English : Diplomats said that they had found enough ambiguity in the Afghan constitution to determine the runoff as unnecessary.



Bhojpuri : ई बात ऊ पुरनकी रिपोर्ट के खिलाफ जाता जेमें कहल गइल रहे कि चुनाव के रद्द कइले से संविधान के उल्लंघन होई.

English : This contradicts earlier reports, which said that cancelling the runoff would have been against the constitution.



Bhojpuri : जहाज इरकुत्स्क जात रहे अउर ओके आंतरिक सैनिक चलावत रहनें.

English : The aircraft had been headed to Irkutsk and was being operated by interior troops.



Bhojpuri : जांच-पड़ताल खातिर एगो पूछताछ कमेटी बनावल गइल बा.

English : An inquiry was established to investigate.



Bhojpuri : 1970 के दसक से Il-76 रूस अउर सोवियम सेना दूनों के एगो जरूरी हिस्सा रहे आ पिछला महीना रूस में पहिलहीं एगो दुर्घटना के सिकार भइल रहे.

English : The Il-76 has been a major component of both the Russian and Soviet military since the 1970s, and had already seen a serious accident in Russia last month.



Bhojpuri : 7 अक्टूबर के जहाज के टेकआफ के बखत ओकर एगो इंजन अलग हो गइल, बाकिर केहू के घाव ना लागल. ए दुर्घटना के बाद रूस कुछ बखत खातिर Il-76 के उड़ावल बंद क देहले रहे.

English : On October 7 an engine separated on takeoff, without injuries. Russia briefly grounded Il-76s after that accident.



Bhojpuri : अलास्का में फ़ेयरबैंक के दक्खिन में कच्चा तेल के हजारों पीपा बहि जाए के बाद 800 मील लंबा ट्रांस-अलास्का पाइपलाइन सिस्टम बंद क दीहल गइल.

English : 800 miles of the Trans-Alaska Pipeline System were closed down following a spill of thousands of barrels of crude oil south of Fairbanks, Alaska.



Bhojpuri : नियमित तौर पर होखे वाला फ़ायर-कमांड सिस्टम के जांच के बाद बिजली चल गइल जेसे रिलीफ़ वॉल्व खुलि गइनें अउर फ़ोर्ट ग्रीली पंप स्टेशन 9 के लग्गे कच्चा तेल बहि के फइल गइल.

English : A power failure following a routine fire-command system test caused relief valves to open and crude oil overflowed near the Fort Greely pump station 9.



[Day5]

Bhojpuri : वॉल्व खुलले से सिस्टम के भीतर के दाब खतम हो गइल अउर तेल पैड से 55,000 पीपा (23 लाख गैलन) के छमता वाले टैंक में बहि के चलि गइल.

English : The valves opening allowed a pressure release for the system and oil flowed on a pad to a tank that can hold 55,000 barrels (2.3 million gallons).



Bhojpuri : बुधवार के दुपहरिया ले, टैंक के वेंट से रिसाव होत रहे अउर एकर वजह सायद टैंक के भीतर के थर्मल एक्सपैंसन रहे.

English : As of Wednesday afternoon, the tank vents were still leaking probably from thermal expansion inside the tank.



Bhojpuri : टैंकन के नीचे के एगो 104,500 बैरल छमता के दूसर कंटेनमेंट एरिया अबले पूरा भरल नइखे.

English : Another secondary containment area below the tanks capable of holding 104,500 barrels was not yet filled to capacity.



Bhojpuri : लाइव टीवी पर पहिला बार अइसन बात कहल गइल जेमें इरान के कई वरिष्ठ सूत्र ई बात मननें कि लगावल गइल रोक के बुरा परभाव पड़ता.

English : The comments, live on television, were the first time that senior Iranian sources have admitted that the sanctions are having any effect.



Bhojpuri : एमें आर्थिक रोक अउर यूरोपीय संघ के ओर से कच्चा तेल के निर्यात पर लगावल गइल रोक सामिल बा, जेसे इरान के अर्थव्यवस्था के 80% विदेसी मुद्रा के कमाई होला.

English : They include financial restrictions and a ban by the European Union on the export of crude oil, from which the Iranian economy receives 80% of its foreign income.



Bhojpuri : अबहिंने के एगो मासिक रिपोर्ट में OPEC ई जानकारी दिहलस कि पिछला बीस साल में कच्चा तेल के निर्यात सबसे कम होके, हर दिन खाली 28 लाख बैरल पर आ गइल बा.

English : In its most recent monthly report, OPEC said exports of crude had fallen to their lowest level for two decades at 2.8 million barrels per day.



Bhojpuri : देस के सबसे बड़का लीडर, अयातुल्ला अली खुमेनी तेल पर ए निर्भरता के ¨एगो फंदा¨ के दर्जा देहनें. उनका अनुसार इरान 1979 के इस्लामी क्रांति के पहिले से अब तक ए फंदा में फंसल बा अउर अब देस के एसे आजाद हो जाए के चाहीं.

English : The country´s supreme leader, Ayatollah Ali Khamenei, has described the dependency on oil as ¨a trap¨ dating from before Iran´s Islamic revolution in 1979 and from which the country should free itself.



Bhojpuri : जब कैप्सूल ईस्टर्न बखत से भोरे 5 बजे धरती के वातावरण में घुसी त उत्तरी कैलिफ़ोर्निया, ऑरेगन, नेवादा अउर यूटा के लोगन के बढ़िया रोसनी के नजारा देखे के मिली.

English : When the capsule gets to Earth and enters the atmosphere, at about 5am (eastern time), it is expected to put on quite a light show for folks in Northern California, Oregon, Nevada, and Utah.



Bhojpuri : ई कैप्सूल एगो आकास से टूट के गिरत तारा जइसन लउकी.

English : The capsule will look much like a shooting star going across the sky.



Bhojpuri : ई कैप्सूल के गति एक सेकेंड में 12.8 किलोमीटर या 8 मील होई, जवन सैनफ्रांसिस्को से लॉस एंजल्स के दूरी 1 मिनट में तय करे खातिर बहुत बा.

English : The capsule will be traveling at about 12.8 km or 8 miles per second, fast enough to go from San Francisco to Los Angeles in one minute.



Bhojpuri : स्टारडस्ट धरती पर लउटे वाला अब तक के सबसे तेज अंतरिच्छ यान के नया रिकार्ड बनाई, जेसे 1969 के मई में लउट के आइल अपोलो X कमांड माड्यूल के रिकार्ड टूट जाई.

English : Stardust will set a new all-time record for being the fastest spacecraft to return to Earth, breaking the previous record set in May of 1969 during the return of the Apollo X command module.



Bhojpuri : स्टारडस्ट के प्रोजेक्ट मैनेजर, टॉम डक्सबरी के कहला अनुसार, "ई उत्तरी कैलिफोर्निया के वेस्ट कोस्ट से होकर जाई अउर कैलिफ़ोर्निया से सेंट्रल ऑरेगन, नेवादा इडाहो आ यूटा के आसमान के चउंधिया देई".

English : "It will move over the west coast of northern California and will light the sky from California through central Oregon and on through Nevada and Idaho and into Utah," Tom Duxbury, Stardust´s project manager said.



Bhojpuri : मिस्टर रुड के क्योटो जलवायु समझौता पर हस्ताच्छर करे के फैसला के बाद अमेरिका अलग-थलग हो गइल बा. अब ऊ अकेल अइसन विकसित देस बा जे ए समझौता पर हस्ताच्छर नइखे कइले.

English : Mr. Rudd´s decision to sign the Kyoto climate accord isolates the United States, which will now be the only developed nation not to ratify the agreement.



Bhojpuri : ऑस्ट्रेलिया के पुरान कंज़र्वेटिव दल के सरकार ए नाते क्योटो के माने से मना क दिहलस कि एमें कोयला के निर्यात पर ढेर निर्भर होखे के पड़ी जेसे अर्थव्यवस्था के काफी धक्का लागी, जबकि भारत अउर चीन जइसन देस उत्सर्जन के ए लक्ष्य के पाबंद नइखन.

English : Australia´s former conservative government refused to ratify Kyoto, saying it would damage the economy with its heavy reliance on coal exports, while countries like India and China were not bound by emissions targets.



Bhojpuri : eBay के इतिहास में ई सबसे बड़ अधिग्रहण ह.

English : It is the biggest acquisition in eBay´s history.



Bhojpuri : कंपनी के कई अलग-अलग तरह के लाभ के स्रोत मिले के आसा बा. एकरा साथे, इहो उम्मीद कइल जाता कि चीन, पूर्वी यूरोप अउर ब्राज़ील जइसन देसन में Skype के पकड़ मजबूत होई.

English : The company hopes to diversify its profit sources and gain popularity in areas where Skype holds a strong position, such as China, Eastern Europe, and Brazil.



Bhojpuri : वैज्ञानिकन के लागता कि एनसेलॉडस भूगर्भीय रूप से सक्रिय बा अउर शनि ग्रह के बर्फीला ई (E) रिंग सायद एही के वजह से बनेला.

English : Scientists have suspected Enceladus as geologically active and a possible source of Saturn´s icy E ring.



Bhojpuri : एनसेलॉडस सौर परिवार के सबसे परावर्तक ऑब्जेक्ट बा अउर ई आपन ऊपर पड़े वाला 90 प्रतिसत सुरुज के रोसनी के परावर्तित क देला.

English : Enceladus is the most reflective object in the solar system, reflecting about 90 percent of the sunlight that hits it.



Bhojpuri : आज जापान के अखबार में गेम पब्लिसर कोनामी के बयान बा कि कंपनी सिक्स डेज़ इन फेलुजा नाम के आपन गेम रिलीज ना करी.

English : The game publisher Konami stated today in a Japanese newspaper that they will not be releasing the game Six Days in Fallujah.



Bhojpuri : ई गेम फेलुजा में अमेरिका अउर इराक के सेना के बीच भइल दूसरका युद्ध पर बनल बा.

English : The game is based on the Second Battle of Fallujah, a vicious battle between American and Iraqi forces.



Bhojpuri : ACMA के इहो पता लागल कि इंटरनेट पर वीडियो त स्ट्रीम होता, बाकिर ई मीडिया बिग ब्रदर के वेबसाइट पर स्टोर नइखे अउर ए तरह से उनकी ओर से कौनो ऑनलाइन सामग्री सेंसरशिप कानून के तूरल नइखे गइल.

English : The ACMA also found that despite the video being streamed on the Internet, Big Brother had not breached online content censorship laws as the media had not been stored on Big Brother´s website.



Bhojpuri : ब्रॉडकास्टिंग सर्विस अधिनियम इंटरनेट सामग्री खातिर नियम तय करेला, बाकिर इंटरनेट सामग्री खाली ओही चीजन के मानल जाई जवन सर्वर में मौजूद होखे.

English : The Broadcasting Services Act provides for the regulation of Internet content, however to be considered Internet content, it must physically reside on a server.



Bhojpuri : केन्या के नैरोबी में स्थित अमेरिकी एंबेसी ए बाती के चेतावनी दिहले बा कि ¨सोमालिया के उग्रवादी¨ केन्या और इथियोपिया में आत्मघाती दस्ता के मदद से बम विस्फोट करे के साजिस करता.

English : The United States embassy located in Nairobi, Kenya has issued a warning that ¨extremists from Somalia¨ are planning to launch suicide bomb attacks in Kenya and Ethiopia.



Bhojpuri : अमेरिका कहता कि ओकरा के एगो गुप्त स्रोत से खास तौर से ई जानकारी मिलल बा कि इथियोपिया अउर केन्या के ¨जानल-मानल जगहन¨ के बम से उड़ावे खातिर आत्मघाती दस्ता के इस्तेमाल होखे वाला बा.

English : The U.S. says it has received information from an undisclosed source that specifically mentions the use of suicide bombers to will blow up ¨prominent landmarks¨ in Ethiopia and Kenya.



Bhojpuri : कॉल्बर्ट रिपोर्ट अऊर द डेली शो से बहुत पहिले हेक आ जॉनसन 1988 में जब UW में पढ़त रहनें, तबे ऊ एगो अइसन पब्लिकेसन के कल्पना कइनें जवन समाचार अउर समाचार रिपोर्टिंग के पैरोडी करे.

English : Long before The Daily Show and The Colbert Report, Heck and Johnson envisioned a publication that would parody the news—and news reporting—when they were students at UW in 1988.



[Day6]

Bhojpuri : सुरू भइला के बादे से द अनियन सही माने में समाचार पैरोडी के दुनिया में एगो साम्राज्य बन चुकल बा. छपल संस्करण के साथे एकरे वेबसाइट के अक्टूबर महीना में 5,000,000 लोग देखलस ह. एकरा साथे, निजी विज्ञापन, 24 घंटा चले वाला एगो समाचार नेटवर्क अउर पॉडकास्ट अउर कुच्छे बखत पहिले आवर डंब वर्ल्ड के नाम से लान्च कइल गइल वर्ल्ड एटलस भी बा.

English : Since its inception, The Onion has become a veritable news parody empire, with a print edition, a website that drew 5,000,000 unique visitors in the month of October, personal ads, a 24 hour news network, podcasts, and a recently launched world atlas called Our Dumb World.



Bhojpuri : अल गोर और जनरल टॉमी फ्रैंक्स अकचक्के में आपन पसंदीदा सुर्खी बटोर लिहने (गोर के सुर्खी तब मिलल जब द अनियन ई बतवलस कि ऊ आ टिपर 2000 के इलेक्टोरल कॉलेज के हार के बाद अपना जीवन का सबसे अच्छा सेक्स करत रहने).

English : Al Gore and General Tommy Franks casually rattle off their favorite headlines (Gore´s was when The Onion reported he and Tipper were having the best sex of their lives after his 2000 Electoral College defeat).



Bhojpuri : जॉन स्टीवर्ट अउर स्टीफ़न कॉलबर्ट के नवका पैरडी सो पर उनुकर कई गो लेखकन के बहुत परभाव बा.

English : Many of their writers have gone on to wield great influence on Jon Stewart and Stephen Colbert´s news parody shows.



Bhojpuri : एगो कलात्मक प्रतिस्पर्धा भी बुखारेस्ट सिटी हाल के चलावल अभियान के हिस्सा बा जवन फिर से रोम के रचनात्मक आ रंगीन राजधानी के रूप मे लोगन के सामने रखल चाहता.

English : The artistic event is also part of a campaign by the Bucharest City Hall that seeks to relaunch the image of the Romanian capital as a creative and colourful metropolis.



Bhojpuri : दक्खिन पुरुब यूरोप के ई पहिला सहर होई जवन ए साल जून आ अगस्त के बीच में दुनिया के सबसे बड़हन जन कला प्रतिस्पर्द्धा काउपरेड (CowParade) आयोजित करी.

English : The city will be the first in southeastern Europe to host CowParade, the world´s largest public art event, between June and August this year.



Bhojpuri : ए साल मार्च के महीना में सरकार जवन अतिरिक्त सवारी डिब्बा के फंड दिहले के वादा कइले रहे आज के घोसणा ओही के आगे बढ़ावे वाला रहे.

English : Today´s announcement also extended the government´s commitment made in March of this year to fund extra carriages.



Bhojpuri : ढेर भीड़ से बचे खातिर 300 अउरी सवारी डिब्बा आ गईले से कुल सवारी डिब्बा 1300 हो जाता.

English : An additional 300 brings the total to 1,300 carriages to be acquired to relieve overcrowding.



Bhojpuri : लॉस एंजिल्स के पुलिस विभाग के प्रवक्ता क्रिस्टोफर गारशिया बतवले कि जवने अपराधी आदमी पर सक कईल जात रहल ह ओपर बर्बरता के छानबीन होता न की अतिक्रमण के.

English : Christopher Garcia, a spokesperson of the Los Angeles Police Department, said the suspected male offender is being investigated for trespassing rather than vandalism.



Bhojpuri : निसान के ऊपर से कवनों नुकसान न भईल रहे बाकी ओके काला तिरपाल से तनी बदल के सांती अऊर दिल के निसान से सजा दिहल रहे जेसे ¨O¨ बदल के छोटका ¨e¨ बन जाए.

English : The sign was not physically damaged; the modification was done using black tarpaulins decorated with signs of peace and heart to alter the ¨O¨ to read lowercase ¨e¨.



Bhojpuri : प्राकृतिक रूप से मिले वाला एक कोसकीय समुद्री जीव कारेनिया ब्रवीस के संख्या सामान्य से ज्यादा हो गईले के नाते रेड टाइड होला.

English : Red tide is caused by a higher than normal concentration of Karenia brevis, a naturally-occurring single-celled marine organism.



Bhojpuri : प्राकृतिक घटक अइसन आदर्स स्थिती बना सकेने जेसे ई सैवाल सोच से भी जादा बढ़ि जानें.

English : Natural factors can intersect to produce ideal conditions, allowing this algae to increase in number dramatically.



Bhojpuri : ई सैवाल एगो अइसन तंत्रिका के जहर पैदा करेला जेसे आदमी आ मछरी दूनो के तंत्रिका काम कईल बंद क देले.

English : The algae produces a neurotoxin that can disable nerves in both humans and fish.



Bhojpuri : पानी मे जहर बहुत ढेर हो गइले से मछरी कई बार मरि जाले.

English : Fish often die because of the high concentrations of the toxin in the waters.



Bhojpuri : हवा अऊर लहर से जवन जहरीला पानी हवा में घुल जाला ओ हवा में सांस लेहले से आदमियन पर भी असर हो सकेला.

English : Humans can be affected by breathing affected water taken into the air by wind and waves.



Bhojpuri : विसूवतीय चक्रवात गोनू जेकरे नाम के मतलब मालदीव के भासा मे ताड़ के पत्ता से भरल झोरा ह ऊ जब अपने चरम पर होला त ओकरे हवा के गति एक घंटा मे 240 किलोमीटर (एक घंटा मे 149 मील) होला.

English : At its peak, Tropical Cyclone Gonu, named for a bag of palm leaves in the language of the Maldives, reached sustained winds of 240 kilometers an hour (149 miles per hour) .



Bhojpuri : आज सबेरहीं हवा के गति लगभग एक घंटा में 83 किलोमीटर रहे अऊर आसा बा कि अब ई कमजोरे होत जायी.

English : By early today, winds were around 83 km/h, and it was expect to keep weakening.



Bhojpuri : बुधवार के, संयुक्त राज्य अमेरिका के नेसनल बास्केटबॉल एसोसिएसन (NBA) कोविड-19 के चिंता के नाते अपने पेसेवर बास्केटबॉल सत्र के निलंबित क दिहलस.

English : On Wednesday, the United States´ National Basketball Association (NBA) suspended its professional basketball season due to concerns regarding COVID-19.



Bhojpuri : NBA के निरनय के बाद एगो यूटा जैज के खिलाड़ी कोविड-19 वायरस के जांच में सकारात्मक पावल गइलें.

English : The NBA´s decision followed a Utah Jazz player testing positive for the COVID-19 virus.



Bhojpuri : ए जीवास्म के आधार पर, एकर माने ई बा कि आणविक सबूतन के आधार पर जवन अनुमान लगावल गइल राहे, तुलना, विभाजन ओसे बहुत पहिलहीं हो गइल राहे.

English : ¨Based on this fossil, that means the split is much earlier than has been anticipated by the molecular evidence.



Bhojpuri : इथियोपिया में रिफ्ट वैली रिसर्च सर्विस में खोज करे वाला अऊर ए काम के सह-लेखक बरहेन असफॉ कहने, ¨एकर माने ई बा कि सब कुछ सुरू से फिर से देखे के पड़ी.¨

English : That means everything has to be put back,¨ said researcher at the Rift Valley Research Service in Ethiopia and a co-author of the study, Berhane Asfaw.



Bhojpuri : संयुक्त राज्य अमेरिका में एकरे फइलल उपयोग के नाते अबहिन ले AOL IM बाजार के अपने चाल से जगह बदलले अउरी बढ़वले में सफल बा.

English : Until now, AOL has been able to move and develop the IM market at its own pace, due to its widespread use within the United States.



Bhojpuri : ए इंतजाम के भइले से ई आजादी खतम हो सकेला.

English : With this arrangement in place, this freedom might end.



Bhojpuri : Yahoo! के उपयोग करे वालन के संख्या आ Microsoft services के मिला दिहल जाए त ऊ AOL के ग्रहकन के संख्या के कड़ा टक्कर देही.

English : The number of users of the Yahoo! and Microsoft services combined will rival the number of AOL´s customers.



Bhojpuri : 2008 में जब पता चलल कि कंपनी के यूके सरकार से आपातकालीन सहायता मिलल बा, त नॉर्दर्न रॉक बैंक के राष्ट्रीयकरण क दीहल गइल.

English : The Northern Rock bank had been nationalised in 2008 following the revelation that the company had received emergency support from the UK Government.



Bhojpuri : 2007 में सबप्राइम के गिरवी के संकट के समय अपने जोखिम के कारण नॉर्दर्न रॉक के समर्थन के जरूरत रहे.

English : Northern Rock had required support due to its exposure during the subprime mortgage crisis in 2007.



[Day7]

Bhojpuri : सर रिचर्ड ब्रैनसन के वर्जिन ग्रुप बैंक के राष्ट्रीयकरण से पहिलहीं बैंक खातिर बोली खारिज क दिहलस.

English : Sir Richard Branson´s Virgin Group had a bid for the bank rejected prior to the bank's nationalisation.



Bhojpuri : 2010 में, राष्ट्रीयकृत भइले के समय, अबहिन के हाई स्ट्रीट बैंक नॉर्दर्न रॉक पीएलसी के ´बैड बैंक´, नॉर्दर्न रॉक (एसेट मैनेजमेंट) से अलग क दीहल गइल रहे.

English : In 2010, while nationalised, the current high street bank Northern Rock plc was split from the 'bad bank', Northern Rock (Asset Management).



Bhojpuri : वर्जिन उत्तरी रॉक के खाली ´अच्छा बैंक´ खरिदले बा, संपत्ति प्रबंधन कंपनी नाहीं.

English : Virgin have only purchased the 'good bank' of Northern Rock, not the asset management company.



Bhojpuri : अइसन बिस्वास बा कि इतिहास में ई पंचवाँ बार ह कि लोग देखले बा कि मंगल ग्रह से एगो वस्तु धरती पर गिरता अउर ई बात रासायनिक परीच्छण से भी साबित कईल जा चुकल बा.

English : This is believed to be the fifth time in history that people have observed what turned out to be chemically confirmed martian material falling to Earth.



Bhojpuri : धरती पर गिरल लगभग 24,000 जानल उल्कापिंडन में से खाली लगभग 34 गो अइसन बाने जवने के ई सत्यापित कईल जा चुकल बा कि ओकर उत्पत्ति मंगल ग्रह से भइल बा.

English : Out of the approximately 24,000 known meteorites to have fallen to Earth, only about 34 have been verified to be martian in origin.



Bhojpuri : ए चट्टानन में से पंद्रह गो अइसन बाने जवन पिछला जुलाई मे भईल उल्कापिंड बौछार में गिरल रहने.

English : Fifteen of these rocks are attributed to the meteorite shower last July.



Bhojpuri : एमे से कुछ चट्टान जवन धरती पर बहुते कम पावल जानें ऊ एक आउंस खातिर 11,000 अमेरिकी डालर से 22500 अमेरिकी डालर मे बिकाताने जवन सोना के कीमत के तुलना मे दस गुना बा.

English : Some of the rocks, which are very rare on Earth, are being sold from US$11,000 to $22,500 per ounce, which is about ten times more than the cost of gold.



Bhojpuri : दौड़ के बाद केसेलोस्की रेस कार चलवले के प्रतियोगिता मे 2,250 अंक के साथे अब्बो सबसे आगे बाने.

English : Following the race, Keselowski remains the Drivers´ Championship leader with 2,250 points.



Bhojpuri : सात अंक पीछे 2243 अंक के साथे जॉनसन दूसरा स्थान पर बाने.

English : Seven points behind, Johnson is second with 2,243.



Bhojpuri : बीस अंक पीछे तीसरा स्थान पर हैमलिन बाने लेकिन ऊ बोएर से पाँच अंक आगे बाने. काह्ने अऊर ट्रूएक्स जूनियर 2220 आ 2207 अंक के साठे क्रमशः पाँचवाँ अऊर छठवाँ स्थान पर बाने.

English : In third, Hamlin is twenty points behind, but five ahead of Bowyer. Kahne and Truex, Jr. are fifth and sixth respectively with 2,220 and 2,207 points.



Bhojpuri : ड्राइवर्स चैंपियनशिप खातिर स्टीवर्ट, गॉर्डन, केन्सेथ अउर हार्विक पहिला दस स्थान से बाहर होइ गइलन जबकि अब्बो ए के चार गो दौड़ अब्बो बाकी बा.

English : Stewart, Gordon, Kenseth, and Harvick round out the top-ten positions for the Drivers´ Championship with four races remaining in the season.



Bhojpuri : अमेरिका के नौसेना भी कहलसि ह कि ऊ घटना के छानबीन करता.

English : The US Navy also said they were investigating the incident.



Bhojpuri : ऊ एगो बयान मे ईहो कहने, ¨जहाज पर काम करे वाला लोग अब जहाज के सुरच्छित निकाले खातिर सबसे अच्छा तरीका निर्धारित करता¨.

English : They also said in a statement, ¨The crew is currently working to determine the best method of safely extracting the ship¨.



Bhojpuri : एगो एवेंजर क्लास माइन काउंटरमेजर्स जहाज, जहाज पलावन में प्यूर्टो प्रिंसेसा के रास्ता में रहल.

English : An Avenger class mine countermeasures ship, the ship was on its way to Puerto Princesa in Palawan.



Bhojpuri : ई अमेरिका के नौसेना के सतवाँ बेड़ा के सऊंपल गइल बा आ जापान के नागासाकी के सासेबो में स्थित बा.

English : It is assigned to the U.S. Navy's Seventh Fleet and based in Sasebo, Nagasaki in Japan.



Bhojpuri : मुंबई पर हमला करे वाला लोग 26 नवंबर, 2008 के नाव से पहुंचलने, अपने साथे ग्रेनेड, अपने से चले वाला हथियार ले के अइने आ भीड़भाड़ वाला छत्रपति सिवाजी टर्मिनस रेलवे स्टेसन और खूब जानल मानल ताजमहल होटल सहित्ते कई जगहन के निसाना बनवने.

English : The Mumbai attackers arrived via boat on Novemeber 26, 2008, bringing with them grenades, automatic weapons and hit multiple targets including the crowded Chhatrapati Shivaji Terminus railway station and the famous Taj Mahal Hotel.



Bhojpuri : डेविड हेडली के देखरेख में आ उनुके सूचना एकट्ठा कइले से पाकिस्तान के आतंकवादी समूह लश्कर-ए-तैयबा के 10गो बंदूकधारियन के ऑपरेसन के सफल कइले में मदद मिलल रहे.

English : David Headley´s scouting and information gathering had helped to enable the operation by the 10 gunmen from the Pakistani militant group Laskhar-e-Taiba.



Bhojpuri : ई हमला से भारत आ पाकिस्तान के संबंध पर बड़ा ढेर दबाव पड़ल.

English : The attack put a huge strain on relations between India and Pakistan.



Bhojpuri : ओ अधिकारियन के साथे, ऊ टेक्सास के लोगन के बिस्वास दिअवने कि जनता के सुरच्छा के रच्छा खातिर कदम उठावल जा ता.

English : Accompanied by those officials, he assured Texas citizens that steps were being taken to protect the public´s safety.



Bhojpuri : पेरी खास कहने, ¨दुनिया में कुछ अइसन जगहि बा जवन ए मामला में आइल चुनऊती के सामान्य करे खातिर ठीक से तइयार बा.¨

English : Perry specifically said, ¨There are few places in the world better equipped to meet the challenge that is posed in this case.¨



Bhojpuri : राज्यपाल ईहो कहने ¨आज, हमके पता चलल ह कि कुछ स्कूल जाए वाला उमिर के लइकन के पहचान रोगी के साथे संपर्क में आइल के रूप में कइल गइल बा.¨

English : The governor also stated, ¨Today, we learned that some school aged children have been identified as having had contact with the patient.¨



Bhojpuri : ऊ आगे कहने, ¨ई मामला गंभीर बा. सब लोग निचिंत रहे कि हमार सिस्टम ओहि तरे काम करता जइसे ओके करे के चाहीं.¨

English : He went on to say, ¨This case is serious. Rest assured that our system is working as well as it should.¨



Bhojpuri : अगर ई साँच बा त ई खोज एलन के मुसाशी के आठ साल के खोज के पूरा क देता.

English : If confirmed, the find completes Allen´s eight-year search for the Musashi.



Bhojpuri : समुद्र तल के नक्सा के बाद मलबा के ROV के उपयोग करत पावल गइल रहे.

English : Following seabed mapping the wreck was found using an ROV.



Bhojpuri : दुनिया के सबसे अमीर लोगन में से एगो, एलन के बारे में ई कहल जाला कि ऊ आपन ढेर संपत्ति समुद्री खोज में लगवले रहने आ हमेसा से युद्ध में रुचि रखे के कारन मुसाशी के खोजल सुरू कइने.

English : One of the world´s richest people, Allen has reportedly invested much of his wealth in marine exploration and began his quest to find the Musashi out of a lifelong interest in the war.



[Day8]

Bhojpuri : अटलांटा में अपने समय में ऊ आलोचकन के भी प्रसंसा पवली आ सहर मे एगो नया तरह के पढ़ाई खातिर उनुके चीनह्ल गइल.

English : She gained critical acclaim during her time in Atlanta and was recognized for innovative urban education.



Bhojpuri : 2009 में उनुके नेशनल सुपरिंटेंडेंट ऑफ द ईयर के उपाधि दीहल गइल.

English : In 2009 she was awarded the title of National Superintendent of the Year.



Bhojpuri : जउना बखत में उनके पुरस्कार दिहल गइल, ओ बखत में अटलांटा के स्कूलन मे इम्तहान के आकड़न मे बहुत सुधार देखल गइल रहे.

English : At the time of the award, Atlanta schools had seen a large improvement on test scores.



Bhojpuri : ओकरे कुच्छे समय बाद, अटलांटा जर्नल-संविधान एगो रिपोर्ट छपलस जेमे इम्तहानन के परिणामन के साथ गड़बड़ी देखावल गइल रहे.

English : Shortly after, The Atlanta Journal-Constitution published a report showing problems with test results.



Bhojpuri : रिपोर्ट से पता चलत रहे कि इम्तहान के आंकड़ा ज़रूरत से ढेरे बढ़ गइल रहे आ आरोप लगावल गइल रहे कि स्कूल अंदर से त समस्या के पता लगवालस लेकिन जवन पता चलल ओ पर कवनों कार्यवाही नाहीं कइल गइल.

English : The report showed test scores had increased implausibly fast, and alleged the school internally detected problems but didn´t act on the findings.



Bhojpuri : एकरे बाद सबूतन से संकेत मिलल कि परीच्छा पत्र में हॉल के साथे छेड़छाड़ कइल गइल रहे. एकरा बाद, 34 अऊर सिच्छा अधिकारी लोगन के 2013 में आरोपित कइल गइल रहे.

English : Evidence thereafter indicated test papers were tampered with Hall, along with 34 other education officials, was indicted in 2013.



Bhojpuri : आयरिश सरकार स्थिति के सुधारे खातिर संसदीय कानून के तात्कालिकता पर जोर देता.

English : The Irish government is stressing the urgency of parliamentary legislation to rectify the situation.



Bhojpuri : एगो सरकारी प्रवक्ता कहने, ¨अब ई सार्वजनिक स्वास्थ्य आ आपराधिक न्याय दूनू के नजर से जरूरी बा कि कानून के जल्दी से जल्दी लागू कइल जाए.¨

English : ¨It is now important from both a public health and criminal justice perspective that the legislation be enacted as soon as possible¨, said a government spokesperson.



Bhojpuri : स्वास्थ्य मंत्री सामिल वस्तुअन के अस्थायी वैधता के लाभ उठावे वाला अदमियन के भलाई आ अब-असंवैधानिक बदलाव के असर में अइले के बाद नसीली दवइयन से जुड़ल दोसी लोगन खातिर चिंता जतवने.

English : The Health Minister expressed concern both for the welfare of individuals taking advantage of the temporary legality of the substances involved, and for drug-related convictions handed down since the now-unconstitutional changes came into effect.



Bhojpuri : जार्क दिन में इटली के कवरसियानो में सत्र के सुरू भइले के पहिले वाला ट्रेनिंग के समय अभ्यास करत रहने. ऊ बोलोनिया के खिलाफ अतवार के होखे वाला मैच से पहिले टीम होटल में रुकल रहने.

English : Jarque was practicing during pre-season training at Coverciano in Italy earlier in the day. He was staying in the team hotel ahead of a match planned for Sunday against Bolonia.



Bhojpuri : ऊ बोलोनिया के खिलाफ अतवार के होखे वाला मैच से पहिले टीम होटल में रुकल रहने.

English : He was staying in the team hotel ahead of a match planned for Sunday against Bolonia.



Bhojpuri : बस मिसौरी में सिक्सफ्लैग्स सेंट लुइस के ओर बढ़ल जात रहे जहां बैंड लोगन के सामने आपन प्रोग्राम करे वाला रहे. ई प्रोग्राम के कुल टिकट पहिलहीं बिक गइल रहे.

English : The bus was headed to Six Flags St. Louis in Missouri for the band to play to a sold-out crowd.



Bhojpuri : देखनिहारन के अनुसार सनिवार के मुन्हारे 1:15 बजे बस हरियर बत्ती से हो के जाति रहे तब्बे कार ओकरे सामने मुड़ि गइल.

English : At 1:15 a.m. Saturday, according to witnesses, the bus was going through a green light when the car made a turn in front of it.



Bhojpuri : 9 अगस्त के राती ले, मोरकोट के नजर चीन के फ़ुज़ियान प्रांत से लगभग सत्तर किलोमीटर दूर रहे.

English : As of the night of August 9, the eye of Morakot was about seventy kilometres away from the Chinese province of Fujian.



Bhojpuri : तूफान के चीन की ओर ग्यारह किलोमीटर प्रति घंटे के रफ्तार से बढ़ले के अनुमान बा.

English : The typhoon is estimated to be moving toward China at eleven kph.



Bhojpuri : यात्री लोग 90 डिग्री फारेनहाईट गरमी में अगोरले रहे एसे ओ लोगन के पनी दीहल गइल.

English : Passengers were given water as they waited in 90(F)-degree heat.



Bhojpuri : आग पर काबू पावे वाला टीम के कप्तान स्कॉट काऊंस कहने, ¨सांता क्लारा में ई एगो गरम दिन रहे अउर तापमान 90 के लग्गे पहुंचत रहे.

English : Fire captain Scott Kouns said, ¨It was a hot day in the Santa Clara with temperatures in the 90s.



Bhojpuri : अगर कोई तनियो देर खातिर रोलर कॉस्टेर पर फंस जाई, त ओके अउर कुच्छो ना बाकिर दिक्कत त होइबे करी अउर इहां त पहिला आदमी के निकाले में कम से कम एक घंटा के समय लागल रहे.¨

English : Any length of time trapped on a roller coaster would be uncomfortable, to say the least, and it took at least an hour to get the first person off the ride.¨



Bhojpuri : शुमाकर, जे 2006 में फार्मूला 1 से रिटायर भइले के पहिले सात बार चॅम्पियन रहने उन के घायल फेलिप मास्सा के जगहि लेवे के रहे.

English : Schumacher who retired in 2006 after winning the Formula 1 championship seven times, was due to replace the injured Felipe Massa.



Bhojpuri : 2009 के हंगरी प्रिक्स के समय ब्राजील के ए रेसर के कपारे में बहुत ढेर घाव लागि गइल रहे.

English : The Brazilian suffered a serious head injury after a crash during the 2009 Hungarian Grand Prix.



Bhojpuri : कम से कम 2009 के बचल सत्रन से त अब मस्सा बहरा रहिहें.

English : Massa is due to be out for at least the rest of the 2009 season.



Bhojpuri : राष्ट्रपति के मंत्री रोड्रिगो एरियस बतवने कि राष्ट्रपति एरियस वायरस से तनी सा संक्रमित भइल बाने.

English : Arias tested positive for a mild case of the virus, Presidential Minister Rodrigo Arias said.



Bhojpuri : अइसे त राष्ट्रपति जी के हालत स्थिर बा लेकिन उनुके कई दिन खातिर एगो घर मे अकेल क दीहल गइल बा.

English : The president´s condition is stable, though he will be isolated at home for several days.



Bhojpuri : तनि बुखार आ गला में खरास के अलावा हम ठीक महसूस करतानी आ दूर संचार से आपन काम करे लायक बानी.

English : ¨Apart from the fever and a sore throat, I feel well and in good shape to carry out my work by telecommuting.



Bhojpuri : ¨हम आसा करतानी की सोमार से हम आपन कुल काम करे लागब,¨ एरियस एगो बयान में कहने.

English : I expect to return to all my duties on Monday,¨ Arias said in a statement.



[Day9]

Bhojpuri : फेलिशिया जवन कब्बों सैफिर-सिंपसन तूफान पैमाने पर चउथा श्रेणी के तूफान रहे ऊ मंगर के खतम भइले के पहिले ए हफ्ता के अंत में उष्णकटिबंध में कमजोर हो गइल रहे.

English : Felicia, once a Category 4 storm on the Saffir-Simpson Hurricane Scale, weakened to a tropical depression before dissipating Tuesday.



Bhojpuri : अइसे त अबहिन ले कवनों नुकसान चाहे बाढ़ के सूचना नईखे मिलल लेकिन जात-जात जादातर द्वीपन पर ई बरखा करा के गइल ह.

English : Its remnants produced showers across most of the islands, though as of yet, no damage or flooding has been reported.



Bhojpuri : ओआहू में पैमाना पर 6.34 इंच के बरखा के ¨फायदा वाला¨ मानल गइल.

English : The precipitation, reaching 6.34 inches at a gauge on Oahu, was described as ¨beneficial¨.



Bhojpuri : कब्बो-कब्बो बरखा के साथे बादरो गरजल आ बिजुरियो चमकल.

English : Some of the rainfall was accompanied by thunderstorms and frequent lightning.



Bhojpuri : काल्ह कोकोडा मे ट्विन ऑटर PNG Flight CG4684 के रूप मे उतरे के कोसिस कइले रहे लेकिन ऊ एक बार पहिलहीं रद्द हो चुकल रहे.

English : The Twin Otter had been trying to land at Kokoda yesterday as Airlines PNG Flight CG4684, but had aborted once already.



Bhojpuri : दूसरी बार के कोसिस मे जमीन पर उतरले के ठीक दस मिनट पहिले ई गायब हो गइल.

English : About ten minutes before it was due to land from its second approach it disapeared.



Bhojpuri : जहाँ हवाई जहाज गिरल रहे ऊ जगह के आज मिल गइल. ओइजा पहुंचल एतना कठिन रहे की दु गो पुलिस वालन के जंगल में उतारल गइल जेसे ऊ लोग ओ जगह पर पहुँच के बचल लोगन के खोज सकें.

English : The crash site was located today and is so inaccessable that two policemen were dropped into the jungle in order to hike to the scene and seek survivors.



Bhojpuri : जवने खराब मौसम के नाते हवाई जहाज के जमीन पर नाहीं उतर पावले रहे उहे खराब मौसम अब खोजलको में परेसानी खड़ा करता.

English : The search had been hampered by the same bad weather that had caused the aborted landing.



Bhojpuri : खबर में बतावल गइल बा कि मैकबेथ मार्ग पर गैस के रिसाव से एगो बहुमंजिला इमारत में धमाका हो गइल.

English : According to reports, an apartment on Macbeth Street exploded due to a gas leak.



Bhojpuri : जब एगो पड़ोसी गैस के रिसले के खबर गैस कंपनी के दिहलस त गैस कंपनी के एगो अधिकारी ओ जगही पर गईने.

English : An official with the gas company was reporting to the scene after a neighbor called about a gas leak.



Bhojpuri : जब अधिकारी ओइजु पहुंचने त इमारत में धमाका हो गइल.

English : When the official arrived, the apartment exploded.



Bhojpuri : ढेर लोगन के घायल भइले के कवनों खबर नईखे लेकिन धमाका के समय ओइजु जवन पाँच गो लोग रहे ओ लोगन में साक लागले के लच्छन रहे आ उनुकर इलाज भइल.

English : No major injuries were reported, but at least five people on scene at the time of the explosion were treated for symptoms of shock.



Bhojpuri : इमारत के अंदर केहू नाहीं रहे.

English : No one was inside the apartment.



Bhojpuri : ओ समय, ओ छेत्र में रहे वाला लगभग 100 लोगन के ओइजू से बहरा निकालल गइल.

English : At the time, nearly 100 residents were evacuated from the area.



Bhojpuri : ओलंपिक खेलन में गोल्फ आ रग्बी दुनों लवटे के तइयार बाने.

English : Both golf and rugby are set to return to the Olympic Games.



Bhojpuri : आज बर्लिन में अंतर्राष्ट्रीय ओलंपिक कमेटी अपने एक्जिकुटिव बोर्ड मीटिंग में ए खेलन के सामिल करे के वोट कइलस.

English : The International Olympic Committee voted to include the sports at its executive board meeting in Berlin today. Rugby, specifically rugby union, and golf were selected over five other sports to be considered to participate in the Olympics.



Bhojpuri : स्क्वैश, कराटे, रोलर खेल, बास्केट बाल आ सॉफ्ट बाल के 2005 के ओलंपिक खेलन मे सामिल करे के कोसिस कइल गइल रहे, बाकिर उनुके सामिल ना कइल गइल.

English : Squash, karate and roller sports tried to get onto the Olympic program as well as baseball and softball, which were voted out of the Olympic Games in 2005.



Bhojpuri : अक्टूबर में होखे वाला कोपेनहेगेन के मीटिंग में पूरा IOC के ए वोटन के फिर से पुस्टि करे के चाहीं.

English : The vote must still be ratified by the full IOC at it´s October meeting in Copenhagen.



Bhojpuri : औरतन के कवनों रैंक मे सामिल कइले के सब लोग समर्थन ना करत रहे.

English : Not all were supportive of the inclusion of the women's ranks.



Bhojpuri : 2004 के ओलंपिक में रजत पदक जीते वाला आमिर खान कहने, ¨भीतर से हमके लागेला कि औरतन के लड़े के नाहीं चाहीं. ई हमार राय बा.¨

English : 2004 Olympic silver medallist Amir Khan said, ¨Deep down I think women shouldn't fight. That's my opinion.¨



Bhojpuri : अपने ए बात के कहले के बादो ऊ कहने कि 2012 में लंदन में होखे वाला ओलंपिक खेलन में ऊ ब्रिटेन के प्रतियोगियन के समर्थन करिहें.

English : Despite his comments he said he will be supporting the British competitors at the 2012 Olympics being held in London.



Bhojpuri : एकर केस बर्मिंघम क्राउन कोर्ट में चलत रहे जेकर फैसला 3 अगस्त के हो गइल.

English : The trial took place at Birmingham Crown Court and concluded on August 3.



Bhojpuri : इ समाचार वाचक, जेकरा घटनास्थल से गिरफ्तार करल गइल रहे, हमला के आरोप से इनकार करले बा अउरी कहलस कि उनका के ऊपर तीस लोग बोतल से हमला करलस जेकरा से बचे खातिर उ लकड़ी के डंडा उपयोग करले रहन.

English : The presenter, who was arrested at the scene, denied the attack and claimed he used the pole to protect himself from bottles being thrown at him by up to thirty people.



Bhojpuri : ब्लेक के ऊपर न्याय में के रस्ता में बाधा पैदा करे के कोसिस कइला के कारन भी अभियोग चलावल गइल.

English : Blake was also convicted of attempting to pervert the course of justice.



Bhojpuri : कोर्ट में जज ब्लेक से कहलन कि ¨इ त होखहीं रहे¨ कि उनका जेल भेजल जाई.

English : The judge told Blake it was ¨almost inevitable¨ he was going to be sent to jail.



[Day10]

Bhojpuri : डार्क मैटर एकदम्मे नाहीं लउके वाला एगो बल ह जवन लगातार ए ब्रह्मांड पर लागता.

English : Dark energy is a completely invisible force that is constantly acting upon the universe.



Bhojpuri : एकर जवन परभाव ब्रह्मांड के फइलले पर पड़ता खाली ओही से एकरे होखले के बारे में पता चलेला.

English : Its existence is known only because of its effects on the expansion of the universe.



Bhojpuri : वैज्ञानिक लोग चंद्रमा के सतह पर बिखरल भू-आकृतियन के खोज कइले बा, जेके लोबेट स्कार्प्स कहल जाला आ साफ बा कि ई चंद्रमा के बहुत धीरे-धीरे सिकुड़ले से भइल बा.

English : Scientists have discovered landforms littered across the moon´s surface called lobate scarps that have apparently resulted from the moon´s shrinking very slowly.



Bhojpuri : ई निसान पूरे चंद्रमा पर पावल गइल रहे आ एपर मौसम, हवा अऊर पानी के कम से कम असर पड़ल रहे, एसे ई पता चालत चलत रहे कि जवने भूगर्भीय घटना से ई बनल बा ऊ हाल के ही ह.

English : These scarps were found all over the moon and appear to be minimally weathered, indicating that the geologic events that created them were fairly recent.



Bhojpuri : ई सिद्धांत ए दावा के खंडन करता कि चंद्रमा पर कवनो तरह के भूगर्भीय गतिविधि नईखे होत.

English : This theory contradicts the claim that the moon is completely devoid of geologic activity.



Bhojpuri : जइसन कहल जाता, ऊ आदमी बिस्फोटकन से लेस एगो तिनपहिया गाड़ी भीड़ मे घुसा दिहलस.

English : The man allegedly drove a three-wheeled vehicle armed with explosives into a crowd.



Bhojpuri : बम बिस्फोट करे वाला जवने आदमी पर सक रहे ओके बिस्फोट से घायल भइले के बाद हिरासत में ले लिहल गइल.

English : The man suspected of detonating the bomb was detained, after sustaining injuries from the blast.



Bhojpuri : अधिकारी लोग ओ आदमी के नाम अब्बो नईखे जानत बाकिर ई जानता कि ऊ उइघुर जातीय समूह के सदस्य ह.

English : His name is still unknown to authorities, although they do know he is a member of the Uighur ethnic group.



Bhojpuri : नादिया, जे 17 सितंबर 2007 के रूस के एलिस्क में एगो प्रसूति अस्पताल में आपरेसन से पैदा भइल रहलीं उनुकर वजन 17 पाउंड 1 औंस रहे.

English : Nadia, born on September 17, 2007, by Cesarean section at a maternity clinic in Aleisk, Russia, weighed in at a massive 17 pounds 1 ounce.



Bhojpuri : ¨हमन के एकदम सदमा मे रहनी¨, उनुकर माई कहलीं.

English : ¨We were all simply in shock,¨ the mother stated.



Bhojpuri : जब पुछल गइल कि पिता जी का कहने हं त ऊ बतवलीं ¨ऊ कुच्छू नाहीं कहि पवलें - ऊ खाली खड़ा हो के निहारत रहने.¨

English : When asked what the father said, she answered ¨He couldn´t say a thing - he just stood there blinking.¨



Bhojpuri : ई पानी के तरे ब्यवहार करी. ई पानी के तरे एकरे आर पार देखल जा सकेला.

English : ¨It´s going to behave like water. It´s transparent just the way water is.



Bhojpuri : एही से तट पर खड़ा होके पानी के एकदम तरे में पड़ल कांकर-पाथर अउर कीच भी देखल जा सकेला.

English : So if you were standing by the shoreline, you would be able to see down to whatever pebbles or gunk that was on the bottom.



Bhojpuri : जेतना जानकारी बा, ओकरा आधार पर खाली एगो ग्रह अइसन बा जवन टाइटन से ढेर गतिसील बा आ ओकर नाम पृथ्वी बा,¨ स्टोफ़न कहलें.

English : As far as we know, there is only one planetary body that displays more dynamism than Titan, and its name is Earth,¨ added Stofan.



Bhojpuri : ए कुल मामला के सुरुआत 1 जनवरी के भइल जब दर्जन भर स्थानीय निवासी लोग ओबनज़ावा डाकघर में सिकायत कइल कि ऊ लोग हर साल मिले वाला पारंपरिक कार्ड नईखे पावत.

English : The issue started on January 1st when dozens of local residents started complaining to the Obanazawa Post Office that they hadn´t received their traditional and regular New Year cards.



Bhojpuri : ई पता चलले के बाद की एगो लईका 600 से ढेर डाक दस्तावेज, जेमे 429 गो नया साल के कार्ड रहे लुकवा देले बा, जवन अपने पावे वालन ले नहीं पहुंचल, काल्ह डाकघर नागरिकन अउरी मीडिया खातिर एगो माफीनामा जारी कइलस.

English : Yesterday, the post office released their apology to citizens and the media after discovering that the boy had hidden more than 600 postal documents, including 429 New Year postcards, which weren´t delivered to their intended recipients.



Bhojpuri : बिना आदमी वाला चंद्र ऑर्बिटर चंद्रयान -1 अपने मून इम्पैक्ट प्रोब (एमआईपी) के बहरा निकललस, जवन चंद्रमा के सतह पर 1.5 किलोमीटर प्रति सेकंड (3000 मील प्रति घंटा) के रफ्तार से गिरल आ दक्षिणी ध्रुव के लगे सफलतापूर्वक दुर्घटनाग्रस्त हो गइल.

English : The unmanned lunar orbiter Chandrayaan-1 ejected its Moon Impact Probe (MIP), which hurtled across the surface of the Moon at 1.5 kilometres per second (3000 miles per hour), and successfully crash landed near the Moon´s south pole.



Bhojpuri : ल्यूनर प्रोब अपने साथे तीन गो जरूरी वैज्ञानिक उपकरण त लेइये गइल, एकरे अलावा अपने साथे एकरा चारो ओर पेंट कइल भारत के राष्ट्रीय झंडा भी ले गइल.

English : Besides carrying three important scientific instruments, the lunar probe also carried the image of the Indian national flag, painted on all sides.



Bhojpuri : ¨हमरे जइसन अपराधी के साथ देवे खातिर धन्यवाद,¨ एगो संवाददाता सम्मेलन में सिरीपोर्न के अइसन कहत बतावल गइल.

English : ¨Thanks for those who supported a convict like me,¨ Siriporn was quoted as saying at a press conference.



Bhojpuri : हो सकेला कुछ लोग एसे सहमत ना होखे, लेकिन हमके कवनो चिंता नईखे.

English : ¨Some may not agree but I don´t care.



Bhojpuri : हम खुस बानी कि लोग बा जे हमार साथ दिहल चाहता.

English : I am happy that there are people willing to support me.



Bhojpuri : 1947 में अंग्रेजी राज से पाकिस्तान के आजाद भइले के बाद से, पाकिस्तान के राष्ट्रपति FATA के नियंत्रित करे खातिर ¨राजनीतिक एजेंटन¨ के रखने जे ए छेत्र पर लगभग पूरा तरह से आपन नियंत्रण राखल.

English : Since Pakistani independence from British rule in 1947, the Pakistani President has appointed ¨Political Agents¨ to govern FATA, who exercise near-complete autonomous control over the areas.



Bhojpuri : पाकिस्तानी संविधान के अनुच्छेद 247 के तहत ए एजेंट लोगन के ई जिम्मेदारी होला की ई लोग सरकारी आ न्यायिक सेवा दे.

English : These agents are responsible for providing government and judicial services under Article 247 of the Pakistani Constitution.



Bhojpuri : इस्लाम के पवित्र सहर मक्का में स्थानीय समय के अनुसार आज सबेरे करीब 10 बजे एगो छात्रावास ढहि गइल.

English : A hostel collapsed in Mecca, the holy city of Islam at about 10 o´clock this morning local time.



Bhojpuri : ए इमारत में कई गो तीर्थयात्री रहने जे हज के यात्रा के पहिले के सांझ में ए पवित्र सहर के देखे आइल रहने.

English : The building housed a number of pilgrims who came to visit the holy city at the eve of hajj pilgrimage.



[Day11]

Bhojpuri : ए छात्रावास के ढेर मेहमान संयुक्त अरब अमीरात के नागरिक रहने.

English : The hostel´s guests were mostly citizens of the United Arab Emirates.



Bhojpuri : मरे वालन के संख्या कम से कम 15 बा, आ ई संख्या बढ़ियो सकेला.

English : The death toll is at least 15, a figure which is expected to rise.



Bhojpuri : लियोनोव, जेके ¨कॉस्मोनॉट नंबर 11¨ के नाम से भी जानल जाला ऊ सोवियत संघ के कॉस्मोनॉट्स के मूल टीम के हिस्सा रहने.

English : Leonov, also known as ¨cosmonaut No. 11¨, was part of the Soviet Union´s original team of cosmonauts.



Bhojpuri : 18 मार्च, 1965 के, ऊ पहिला बार मानवयुक्त अंतरिच्छ यान के बाहर निकलने (ईवीए), माने कि ¨स्पेसवॉक¨ कइने, जवने में ऊ बारह मिनट से तनी जादा समय तक अंतरिक्ष यान के बाहर अकेल रहने.

English : On March 18, 1965, he performed the first manned extravehicular activity (EVA), or ¨spacewalk¨, remaining alone outside the spacecraft for just over twelve minutes.



Bhojpuri : उनके अपने काम खातिर सोवियत संघ के सबसे बढ़हन सम्मान ¨सोवियत संघ के हीरो¨, मिलल.

English : He received the ¨Hero of the Soviet Union¨, the Soviet Union´s highest honor, for his work.



Bhojpuri : दस साल के बाद, ऊ अपोलो-सोयुज मिशन के सोवियत हिस्सा के नेतृत्व कइने, जवन ए बात के प्रतीक रहे कि अंतरिक्ष के दौड़ खतम हो गइल बा.

English : Ten years later, he led the Soviet part of the Apollo–Soyuz mission symbolizing that the Space Race was over.



Bhojpuri : ऊ कहली, ¨तुरंत हमला होखे वाला बा, एकर संकेत देवे वाला कवनो खुफिया जानकारी नइखे.

English : She said, ¨There is no intelligence to suggest that an attack is expected imminently.



Bhojpuri : हालांकि, खतरा के स्तर घटि के गंभीर ले आ गईले के ई मतलब नइखे की खतरा पूरी तरह खतम हो गइल बा.¨

English : However, the reduction of the threat level to severe does not mean the overall threat has gone away.¨



Bhojpuri : अइसे त अधिकारी लोग ए बारे में निस्चित नइखे कि ई खतरा केतना असली बा, बाकिर मैरीलैंड ट्रांसपोर्टियन अथॉरिटी एफबीआई के कहले पर बंद हो गइल.

English : While authorities are unsure of the credibility of the threat, the Maryland Transportaion Authority made the closure with the urging of the FBI.



Bhojpuri : नलीनुमा प्रवेस द्वारन के बंद करे खातिर बेकार पड़ल ट्रकन के इस्तेमाल कईल गइल आ मोटर चालकन के रास्ता बदलवावे खातिर 80 गो पुलिस वालन के सहायता लिहल गइल.

English : Dump trucks were used to block tube entrances and assistance of 80 police were on hand to direct motorists to detours.



Bhojpuri : सहर के एगो अऊर दुसर रस्ता बेल्टवे पर ढेर यातायात के कारन देरी के कवनो सूचना ना रहे.

English : There were no heavy traffic delays reported on the beltway, the city´s alternate route.



Bhojpuri : नाइजीरिया पहिले घोषणा कइले रहे कि ऊ सिखर सम्मेलन वाला सप्ताह में AfCFTA में सामिल होखे के योजना बनावता.

English : Nigeria previously announced it planned to join the AfCFTA in the week leading up to the summit.



Bhojpuri : AU व्यापार अऊर उद्योग आयुक्त अल्बर्ट मुचांगा घोषणा कइने कि बेनिन सामिल होखे वाला रहने.

English : AU trade and industry commissioner Albert Muchanga announced Benin was to join.



Bhojpuri : आयुक्त कहने, ¨हमन के अबहिन ले ओरिजिन आ टैरिफ कंसेशन के नियम पर सहमत नइखीं, लेकिन हमन के लग्गे जवन ढांचा बा ऊ 1 जुलाई, 2020 से व्यापार सुरू करे खातिर पर्याप्त बा¨.

English : The commissioner said, ¨We haven´t yet agreed on rules of origin and tariff con[c]essions, but the framework we have is enough to start trading on July 1, 2020¨.



Bhojpuri : स्पेस स्टेसन मिसन के सुरुआत में जाइरोस्कोप के नुकसान के बादो, स्पेसवाक खतम होखवा तक स्टेसन के एटीट्यूड में कवनो बदलाव ना आइल.

English : The station maintained its attitude, despite the loss of a gyroscope earlier in the space station mission, until the end of the spacewalk.



Bhojpuri : चियाओ और शारिपोव एटीट्यूड एडजस्टमेंट थ्रस्टर से सुरक्षित दूरी पर भइले के सूचना दिहने.

English : Chiao and Sharipov reported being a safe distance from the attitude adjustment thrusters.



Bhojpuri : रूस के जमीनी नियंत्रण जेट के सक्रिय क दहलस आ स्टेसन के सामान्य एटीट्यूड फिर से पा लिहाल गइल.

English : Russian ground control activated the jets and normal attitude of the station was regained.



Bhojpuri : मुकदमा वर्जीनिया में चलावल गइल काहें कि इहें प्रमुख इंटरनेट सेवा देवे वाली कंपनी AOL स्थित बा जवन; ई अभियोग लगउले रहे.

English : The case was prosecuted in Virginia because it is the home to the leading internet service provider AOL, the company who instigated the charges.



Bhojpuri : अइसन पहला बार भइल कि बिना लोगन के मर्जी के उनका इनबॉक्स में बल्क ई-मेल माने कि स्पैम भेजे पर रोक लगावे खातिर 2003 में बनावल गइल कानून के आधार पर केहू के दोसी ठहरावल गइल.

English : This is the first time a conviction has been gained using the legislation enacted in 2003 to curb bulk e-mail, aka spam, from unsolicited distribution into users mailboxes.



Bhojpuri : 21 बरिस के जीसस पिछले साल जनवरी 2017 में ब्राजील के क्लब पाल्मेरास से मैनचेस्टर सिटी में सामिल भइल रहने. अइसन बतावल गइल कि एकरा खातिर ऊ 27 मिलियन पाउंड के फीस लिहने.

English : 21-year-old Jesus joined Manchester City last year in January 2017 from Brazilian club Palmeiras for a reported fee of £27 million.



Bhojpuri : तब से ब्राजील के ई खिलाड़ी कुल प्रतियोगिता में क्लब खातिर 53 मैचन में भाग लिहने आ 24 गोल कइने.

English : Since then, the Brazilian has featured in 53 matches for the club in all competitions and has scored 24 goals.



Bhojpuri : डाक्टर ली ए बात खातिर चिंता जतवलन कि टर्की के लइका सब बीमार पड़ले बिना ही (H5N1) एवियन इन्फ्लूएंजा वायरस से संक्रमित हो जा ताने.

English : Dr. Lee also expressed his concern about reports that children in Turkey have now become infected with the A(H5N1) avian influenza virus without becoming ill.



Bhojpuri : ऊ बतवने कि कुछ अध्ययन से पता चलता कि ई बीमारी दुनिया भर में महामारी के रूप में फइले, एसे पहिले एकरा के कम जानलेवा बनावल जरूरी बा.

English : Some studies suggest that the disease must become less lethal before it can cause a global epidemic, he noted.



Bhojpuri : ए बात के चिंता बा कि अगर फ्लू के लच्छन हल्का रही त मरीज एकरा से अनजान रहके आपन रोज के काम-धंधा चालू रखिहें जेसे ऊ ढेर लोगन के संक्रमित कर सकेने.

English : There is concern that patients may continue to infect more people by going through their daily routines if the flu symptoms remain mild.



Bhojpuri : कोमेन फाउंडेशन के एगो प्रवक्ता लेस्ली औन कहने कि संगठन एगो नया नियम अपनवले बा जवन कानूनी जांच के तहत संगठनन के अनुदान चाहे धन देहले के अनुमति नाहीं देला.

English : Leslie Aun, a spokesperson for the Komen Foundation, said the organization adopted a new rule that does not allow grants or funding to be awarded to organizations that are under legal investigation.



[Day12]

Bhojpuri : प्रतिनिधि क्लिफ स्टर्न्स के जांच जवन ए पर बा कि Planned Parenthood अपने रुपया के कैसे खर्च करेला आ कइसे ओके बतावेला, अबहिन पूरा नईखे भइल एसे कोमेन के नीति Planned Parenthood के अयोग्य घोषित क दहले बा.

English : Komen´s policy disqualified Planned Parenthood due to a pending investigation on how Planned Parenthood spends and reports its money that is being conducted by Representative Cliff Stearns.



Bhojpuri : स्टर्न्स, निगरानी और जांच उपसमिति के अध्यक्ष के रूप में ए बात के जांच करताने कि का Planned Parenthood के माध्यम से गर्भपात खातिर टैक्स के उपयोग कइल जाता कि नाहीं? निगरानी अउर जांच उपसमिति हाउस एनर्जी एंड कॉमर्स कमेटी के तहत आवेला.

English : Stearns is investigating whether taxes are used to fund abortions through Planned Parenthood in his role as chairman of the Oversight and Investigations Subcommittee, which is under the umbrella of the House Energy and Commerce Committee.



Bhojpuri : मैसाचुसेट्स के पूर्व गवर्नर मिट रोमनी मंगर के फ्लोरिडा रिपब्लिकन पार्टी के राष्ट्रपति पद के प्राथमिक चुनाव में 46 प्रतिशत से ढेर मतन के साथे जीत हासिल कइने.

English : Former Massachusetts governor Mitt Romney won the Florida Republican Party presidential primary election on Tuesday with over 46 percent of the vote.



Bhojpuri : सदन के पूर्व अमेरिकी अध्यक्ष न्यूट गिंगरिच 32 प्रतिशत के साथे दूसरा स्थान पर रहने.

English : Former U.S. Speaker of the House Newt Gingrich came in second with 32 percent.



Bhojpuri : पूरे राज्य के विजेता के रूप में, फ्लोरिडा अपने कुल पचास प्रतिनिधियन के रोमनी के साथे क दहलस जेसे रोमनी रिपब्लिकन पार्टी के नामांकन में सबसे आगे हो गइने.

English : As a winner-takes-all state, Florida awarded all fifty of its delegates to Romney, pushing him ahead as the front-runner for the Republican Party nomination.



Bhojpuri : विरोध के आयोजक लोग कहल कि बर्लिन, कोलोन, हैंबर्ग आ हनोवर जइसन जर्मन सहरन में लगभग 100,000 लोग आइल रहे.

English : Organisers of the protest said about 100,000 people turned up in German cities such as Berlin, Cologne, Hamburg, and Hanover.



Bhojpuri : बर्लिन में, पुलिस के अनुसार करीब 6,500 प्रदर्शनकारी इकट्ठा होके विरोध कइले रहे.

English : In Berlin, police estimated 6,500 protestors.



Bhojpuri : इ प्रदर्शन, पेरिस, बुल्गारिया के सोफिया में, लिथुआनिया के विलिनियस में, माल्टा के वलेटा में, इस्टोनिया के टालिन में अउरी स्कॉटलैंड के एडिनबरा आ ग्लासगो में भी भइल रहे.

English : Protests also took place in Paris, Sofia in Bulgaria, Vilnius in Lithuania, Valetta in Malta, Tallinn in Estonia, and Edinburgh and Glasgow in Scotland.



Bhojpuri : लंदन में, करीब 200 लोग कापीराइट वाला कुछ बड़ कंपनी के ऑफिस के बाहर बिरोध-प्रदर्शन कइले रहलन.

English : In London, about 200 people protested outside some major copyright holders´ offices.



Bhojpuri : पिछला महीना, पोलैंड में बहुत जादा प्रदर्शन भइल रहे जब उ देस ACTA पर दसखत कइलस. इ प्रदर्शन के कारन इहाँ के सरकार इ समझौता के फिलहाल लागू ना करे के फैसला के पुष्टि कइलस.

English : Last month, there were major protests in Poland when that country signed ACTA, which has led to the Polish government deciding not to ratify the agreement, for now.



Bhojpuri : लातविया अउरी स्लोवाकिया, दूनो देस ACTA में सामिल होखे के प्रक्रिया के टाल देहलस.

English : Latvia and Slovakia have both delayed the process of joining ACTA.



Bhojpuri : Animal Liberation अउर Royal Society for the Prevention of Cruelty to Animals (RSPCA) फिरू से ई अभियान सुरू कइले बा की ऑस्ट्रेलिया के कुल बूचड़खानन में CCTV कैमरा होखहीं के चाहीं.

English : Animal Liberation and the Royal Society for the Prevention of Cruelty to Animals (RSPCA) are again calling for the mandatory installation of CCTV cameras in all Australian abattoirs.



Bhojpuri : न्यू साउथ वेल्स के RSPCA के मुख्य निरीक्छक डेविड ओ´शॉनसी कहने कि ऑस्ट्रेलिया के बूचड़खानन के जांच आ निगरानी होखे के ही चाही.

English : RSPCA New South Wales chief inspector David O´Shannessy told the ABC that surveillance and inspections of abattoirs should be commonplace in Australia.



Bhojpuri : ¨जे लोग जानवरन के साथे काम करेला ऊ लोगन के CCTV जरूर एगो मजबूत सनेसा दी कि जानवरन के भलाई सबसे पहिले बा.¨

English : ¨The CCTV would certainly send a strong signal to those people working with animals that their welfare is of the highest priority.¨



Bhojpuri : यूनाइटेड स्टेट जियोलॉजिकल सर्वे के भूकंप वाला अंतर्राष्ट्रीय नक्सा पर एक सप्ताह पहिले तक आइसलैंड में कोनो भूकंप दर्ज ना भइल.

English : The United States Geological Survey international earthquake map showed no earthquakes in Iceland in the week prior.



Bhojpuri : आइसलैंड के मौसम विभाग भी हेकला एरिया में पिछला 48 घंटा में कौनो भूकंप के जानकारी रिपोर्ट ना कइले रहे.

English : The Icelandic Meteorological Office also reported no earthquake activity in the Hekla area in the past 48 hours.



Bhojpuri : 10 मार्च के काल्डेरा ज्वालामुखी के चोटी के उत्तर पूरब में चरण बदलेवाला भूकंप गतिविधि भइल रहे.

English : The significant earthquake activity resulting in the phase change had took place on March 10 on the northeast side of the volcano´s summit caldera.



Bhojpuri : इ पहाड़ के तलहटी में भयानक काला बादल के रिपोर्ट के सूचना देवल गइल जेकरा ज्वालामुखी के एक्टिविटी से कौनो संबंध ना रहे.

English : Dark clouds unrelated to any volcanic activity were reported at the base of the mountain.



Bhojpuri : हेकला ज्वालामुखी के ऊपर बनल काला बादल, लोगन के भ्रमित कर देहलस कि ज्वालामुखी फटल बा कि बादल बा.

English : The clouds presented the potential for confusion as to whether an actual eruption had taken place.



Bhojpuri : लूनो जब टूटल आ तेज हवा अऊर लहर के नाते बान्ह से टकराइल त ओ समय ओमे 120 से 160 क्यूबिक मीटर जेतना ईंधन रहे.

English : The Luno had 120–160 cubic metres of fuel aboard when it broke down and high winds and waves pushed it into the breakwater.



Bhojpuri : जहाज चलावे वाला लोगन में से बारह जनी के हेलिकाप्टेर से बचा लिहल गइल रहे. खाली एक जनी के नाकि टूटल रहे.

English : Helicopters rescued the twelve crewmembers and the only injury was a broken nose.



Bhojpuri : 100 मीटर के ई जहाज हरदम के तरे खाद ले जाए खातिर जात रहे आ अधिकारी लोगन के पहिलहीं से ए बात के डर रहे कि जगाज से कुछ माल गिर सकेला.

English : The 100-metre ship was en route to pick up its usual fertiliser cargo and initially officials feared the vessel could spill a load.



Bhojpuri : जवन संसोधन के प्रस्ताव राखल गइल रहे, ऊ 2011 में ही दूनों सदन से पास हो गइल रहे.

English : The proposed amendment already passed both houses in 2011.



Bhojpuri : ए विधायी सत्र में हाउस ऑफ़ रिप्रेज़ेंटेटिव्स दुसरकी लाइन के हटा के एगो बदलाव कईलस जेके सीनेट सोमार के ओहि तरे पास क दिहलस.

English : A change was made this legislative session when the second sentence was deleted first by the House of Representatives and then was passed in a similar form by the Senate Monday.



Bhojpuri : समान लिंग के सिविल यूनियन (रिश्ता) पर रोक लगावे वाला दूसरका वाक्य के मंजूरी ना मिलला से आवे वाला बखत में सिविल यूनियन क रस्ता खुल सकेला.

English : The failure of the second sentence, which proposes to ban same-sex civil unions, could possibly open the door for civil unions in the future.



[Day13]

Bhojpuri : ई कइले के बाद 2015 चाहे 2016 में जवन चुनल विधायिका आई ऊ HJR-3 के बारे में फिरू से बिचार आ चर्चा करी जेसे ई प्रक्रिया में बनल रहे.

English : Following the process, HJR-3 will be reviewed again by the next elected legislature in either 2015 or 2016 to remain in process.



Bhojpuri : निर्देसन के अलावा वूचे के उपलब्धियन में एगो 1973 के भूख हड़ताल भी आवेला जे के ऊ राजनीतिक सेंसरसिप मानेने.

English : Vautier´s achievements outside of directing include a hunger strike in 1973 against what he viewed as political censorship.



Bhojpuri : फ्रांस के कानून बदल गइल बा. ऊ 15 बरिस के उमर से आंदोलनकारी रहने जब ऊ दूसरा बिस्व युद्ध के बखत फ्रांस के क्रांति में सामिल भइल रहने.

English : French law was changed. His activism went back to age 15 when he joined the French Resistance during World War II.



Bhojpuri : ऊ 1998 के एगो किताब में अपने बारे में लिखने बाने.

English : He documented himself in a 1998 book.



Bhojpuri : 1960 में सिनेमा के निर्देसन सिखावे खातिर ऊ अल्जीरिया चलि गइने जवन नया नया आजादी पवले रहे.

English : In the 1960s he headed back to newly-independent Algeria to teach film directing.



Bhojpuri : ओलंपिक खेलन में दू गो सोना के पदक जीते वाला जुडोका हितोशी साइतो 54 बरिस के उमिर में मरि गइने.

English : Japanese judoka Hitoshi Saito, winner of two Olympic gold medals, has died at the age of 54.



Bhojpuri : उनुके मरले के कारण इंट्राहिपैटिक बाइल डक्ट कैंसर बतावल गइल.

English : The cause of death was announced as intrahepatic bile duct cancer.



Bhojpuri : ऊ ओसाका में मंगर के मरने.

English : He died in Osaka on Tuesday.



Bhojpuri : पूर्व ओलंपिक आ बिस्व चॅम्पियन भइले के साथे-साथे अपने मरले के समय साइतो ऑल जापान जूडो फेडरेशन ट्रेनिंग कमेटी के अध्यच्छ भी रहने.

English : As well as a former Olympic and World champion, Saito was the All Japan Judo Federation training committee chairman at the time of his death.



Bhojpuri : पिछला साल भइल एगो जोड़ा के बियाह के पहिला सालगिरह मनावे खातिर रखल पार्टी में कम से कम 100 लोग आइल रहे.

English : At least 100 people had attended the party, in order to celebrate the first anniversary of a couple whose wedding was held last year.



Bhojpuri : अधिकारी लोग बतावल कि सालगिरह के औपचारिक कार्यक्रम खातिर एगो तारीख बाद में तय कइल गइल रहे.

English : A formal anniversary event was scheduled for a later date, officials said.



Bhojpuri : ई जोड़ा एक साल पहिले टेक्सास में बियाह कइले रहे आ अपने दोस्तन आ रिस्तेदारन के साथे खुसी मनावे बफैलो आइल रहे.

English : The couple had married in Texas one year ago and came to Buffalo to celebrate with friends and relatives.



Bhojpuri : गोली से मरे वाला चार लोगन में से 30 बरिस के पति भी रहने जिन कर जनम बफैलो में ही भइल रहे, बाकिर उनुके मेहरारू के घाव नहीं लागल रहे.

English : The 30-year-old husband, who was born in Buffalo, was one of the four killed in the shooting, but his wife was not hurt.



Bhojpuri : कार्नो एगो जानल मानल बाकिर वॉवदास्पद अग्रेजी पढ़ावे वाला सिक्छक हवें जे मॉडर्न एजूकेशन आउर किंग्स ग्लोरी के तहत पढ़वले रहने. उनुकर अइसन दावा रहे कि जब ऊ अपने पेसा में एकदम ऊंचाई पर रहने त उनुके लगे 9000 पढ़े वाला बिद्यार्थी रहने.

English : Karno is a well-known but controversial English tutor who taught under Modern Education and King´s Glory who claimed to have 9,000 students at the peak of his career.



Bhojpuri : उनुके लिखल नोट्स में कुछ सब्द अइसन बा जवन माता-पिता के अभद्र लागेला आ अइसन कहल जाला कि अपने कक्छा में अस्लीलता भी रहे.

English : In his notes he used words which some parents considered coarse, and he reportedly used profanity in class.



Bhojpuri : मॉडर्न एजूकेशन उनुके ऊपर ई आरोप लगवले रहे कि ऊ बिना पुछले बसन में आपन बड़हन-बड़हन परचार छपले रहने आ झूठ बोलले रहने कि ऊ अंग्रेजी के सबसे मुख्य सिक्छक हवें.

English : Modern Education accused him of printing large advertisements on buses without authorisation and lying by saying that he was the chief English tutor.



Bhojpuri : ऊनके ऊपर पहिले भी कॉपीराइट के नियम तुरले के दोस लागल रहे बाकिर उनुके कउनो सजा ना भइल रहे.

English : He has also been accused previously of copyright infringement, but was not charged.



Bhojpuri : एगो पहिले के उनसे पढ़ल विद्यार्थी बतवने की ऊ ´कक्छा में बोलचाल के बोली (स्लैंग) में बात करत रहें, नोट्स में ई सिखावें की डेट पर कइसे जाए के चाहीं आ ई की ऊ लइकन के दोस्त जईसन रहने.

English : A former student said that he ´used slang in class, taught dating skills in notes, and was just like the students´ friend.´



Bhojpuri : पिछला तीन दसक से आधिकारिक तरीका से साम्यवादी राज्य भइले के बादो चीन एगो बाजार अर्थव्यवस्था बनवलेबा.

English : During the last three decades, despite officially remaining a communist state, China has developed a market economy.



Bhojpuri : अर्थव्यवस्था में सुधार के काम सबसे पहिले डेंग ज़ियाओपिंग के देख रेख में सुरू भइल.

English : The first economic reforms were made under the leadership of Deng Xiaoping.



Bhojpuri : ओकारे बाद से, चीन के अर्थव्यवस्था 90 गुना बढ़ल बा.

English : Since then, China´s economic size has grown by 90 times.



Bhojpuri : पिछले बरिस, पहिली बार कार के अपने देस से बहरा बेचले में चीन जर्मनी से आगे निकल गइल आ ऊ सबसे बड़हन बाजार मानल जाए वाला अमेरिकी के पीछे छोड़ दिहलस.

English : For the first time, last year China exported more cars than Germany and surpassed the United States as the biggest market for this industry.



Bhojpuri : चीन के GDP दू दसक के भीतर अमेरिका से ढेर हो सकेले.

English : China´s GDP could be larger than the United States within two decades.



Bhojpuri : 2010 के अटलांटिक हरिकेन सीज़न के चउथा नामित तूफान ट्रॉपिकन स्टॉर्म डैनियल, आज अटलांटिक समुद्र में उठत देखल गइल ह.

English : Tropical Storm Danielle, fourth named storm of the 2010 Atlantic hurricane season, has formed in the eastern Atlantic Ocean.



Bhojpuri : तूफान मियामी से लगभग 3,000 मील दूर रहे, फ्लोरिडा में सबसे ढेर तेज 40 मील प्रति घंटा (64 किलोमीटर प्रति घंटा) के सस्टेंड विंड रहे.

English : The storm, located approximately 3,000 miles from Miami, Florida, has maximum sustained winds of 40 mph (64 kph).



[Day14]

Bhojpuri : नेशनल हरिकेन सेंटर के वैज्ञानिक लोग भविष्यवाणी कइले हवन कि डेनियल बुधवार ले एगो तूफान के रूप ले लेही.

English : Scientists at the National Hurricane Center predict that Danielle will strengthen to a hurricane by Wednesday.



Bhojpuri : तूफान लैन्डफॉल से दूर बा एसे संयुक्त राज्य अमेरिका चाहे कैरिबियन पर एकर केतना असर हो सकेला ई अब्बे बतावल कठिन बा.

English : As the storm is far from landfall, it remains difficult to assess potential impact to the United States or Caribbean.



Bhojpuri : क्रोएशिया के राजधानी ज़ाग्रेब में जनमल बोबेक पार्टिज़न बेलग्रेड खातिर खेलत नाम कमइले रहने.

English : Born in the Croatian capital, Zagreb, Bobek gained fame while playing for Partizan Belgrade.



Bhojpuri : ऊ 1945 में ओकरे साथे जुड़ने आ 1958 ले रहने.

English : He joined them in 1945 and stayed until 1958.



Bhojpuri : ए टीम में रहे तक ऊ 468 मैचन में 403 गोल कइने.

English : During his time with the team, he scored 403 goals in 468 appearances.



Bhojpuri : बोबेक से ढेर केहु ए क्लब खातिर न त एतना मैच खेलले बा आ नहिए एतना गोल कइले बा.

English : No one else has ever made more appearances or scored more goals for the club than Bobek.



Bhojpuri : 1995 में उनुके पार्टिज़न के इतिहास में सबसे बढ़िया खिलाड़ी चुनल गइल.

English : In 1995 he was voted the best player in Partizan´s history.



Bhojpuri : दुनिया मे जानल-मानल ग्रुप सिर्क डु सोले (Cirque du Soleil) के एगो खास सो से उत्सव के सुरुआत भइल.

English : The celebrations started with a special show by the world-renowned group Cirque du Soleil.



Bhojpuri : एकरे बाद इस्तांबुल स्टेट सिंफनी ऑर्केस्ट्रा, एगो जनिसरी बैंड, अऊर गायक फातिह एर्कोक आ मुस्लम गुर्सेस के कार्यक्रम भइल.

English : It was followed by the Istanbul State Symphony Orchestra, a Janissary band, and the singers Fatih Erkoç and Müslüm Gürses.



Bhojpuri : एकरे बाद मंच पर व्हर्लिंग दरविशेज़ अइलें.

English : Then Whirling Dervishes took to the stage.



Bhojpuri : तुर्की के जानल-मानल कलाकार सेजेन अक्सू इटली के टेनर एलेसेंड्रो सफीना आ ग्रीस के गायक हारिस एलेक्सीउ के साथे आपन प्रस्तुति देहली.

English : Turkish diva Sezen Aksu performed with the Italian tenor Alessandro Safina and Greek singer Haris Alexiou.



Bhojpuri : अंत में, तुर्की के फ़ायर ऑफ़ एनातोलिया नाम के एगो डांस ग्रुप आपन कार्यक्म ¨ट्रॉय¨ देखावल.

English : To finish, Turkish dance group Fire of Anatolia performed the show ¨Troy¨.



Bhojpuri : इंडियानापोलिस मोटर स्पीडवे पर एगो दुर्घटना के सिकार भइले से 13 बरिस के मोटरसाइकिल रेसर पीटर लेंज़ मर गइने.

English : Peter Lenz, a 13-year-old motorcycle racer, has died after being involved in a crash at the Indianapolis Motor Speedway.



Bhojpuri : दौड़ के तइयारी करत समय लेंज अपने मोटरसाइकिल पर से गिरि गइने आ तब्बे साथ के रेसर जेवियर ज़ायत उनुके टक्कर मार दिहने.

English : While on his warm-up lap, Lenz fell off his bike, and was then struck by fellow racer Xavier Zayat.



Bhojpuri : ट्रैक पर जवन चिकित्सा के कर्मचारी लोग रहेला ऊ लोग तुरंते लेंज के देखभाल में लागि गइल आ उनुके उहां के स्थानीय अस्पताल में भेज दिहल गइल जहां बाद में लेंज के देहांत हो गइल.

English : He was immediately attended to by the on-track medical staff and transported to a local hospital where he later died.



Bhojpuri : ए दुर्घटना में ज़ायत के घाव नाहीं लागल.

English : Zayat was unhurt in the accident.



Bhojpuri : वैश्विक वित्तीय स्थिति के बारे में, ज़ापातेरो आपन बात जारी राखत कहने की ¨वित्तीय प्रणाली अर्थव्यवस्था के एगो हिस्सा अउर बहुत जरूरी हिस्सा ह.

English : Regarding the global financial situation, Zapatero continued by saying that ¨the financial system is a part of the economy, a crucial part.



Bhojpuri : हमन पर एक बरिस से वित्तीय संकट बा, जवन पिछला दू महीना में सबसे खराब रहे आ हमके लागता की अब वित्तीय बाजार ठीक होखे लागल बा.¨

English : We have a year-long financial crisis, which has had its most acute moment in the past two months, and I think now the financial markets are beginning to recover.¨



Bhojpuri : पिछला हफ्ता में, Naked News ए बात के घोषणा कईलस की तीन गो नया प्रसारण के साथे ऊ समाचार रिपोर्टिंग खातिर अपने अंतरराष्ट्रीय भाषा जनादेश के बहुते बढ़ाई.

English : Last week, Naked News announced that it would dramatically increase its international language mandate to news reporting, with three new broadcasts.



Bhojpuri : पहिलहीं से अंग्रेजी आ जापानी में रिपोर्टिंग होत रहल ह आ अब ई वैश्विक संगठन टेलीविजन, वेब अउर मोबाइल उपकरणन खातिर स्पैनिश, इतालवी आ कोरियाई भाषा के कार्यक्रम सुरू करता.

English : Already reporting in English and Japanese, the global organization is launching Spanish, Italian, and Korean-language programs, for television, the web, and mobile devices.



Bhojpuri : भाग से हमके कुच्छू नाहीं भइल, बाकिर हम एगो भयानक दृस्य देखनी कि लोग कइसे बहरा निकले खातिर खिड़की तूरे के कोसिस करत रहे.

English : ¨Luckily nothing happened to me, but I saw a macabre scene, as people tried to break windows in order to get out.



Bhojpuri : लोग कुर्सी से खिड़की तोड़े के कोसिस करत रहे, बाकिर खिड़की कुल टूटे वाली नाहीं रहे.

English : People were hitting the panes with chairs, but the windows were unbreakable.



Bhojpuri : ¨अंत में एगो सीसा टूटल आ लोग खिड़की के राहें बहरा निकले लागल,¨ जिंदा बचल फ्रांसिसज़ेक कोवाल कहने.

English : One of the panes finally broke, and they started to get out by the window,¨ said survivor Franciszek Kowal.



Bhojpuri : हाइड्रोजन के परमाणु एक-दूसरा से मिल के जब नया अउर ढेर भारी तत्व बनावेने त बहुत ढेर ऊर्जा निकलेला आ एही के नाते तारा में से रोसनी आ गरमी आवेला.

English : Stars give off light and heat because of the energy made when hydrogen atoms are merged (or fused) together to form heavier elements.



Bhojpuri : वैज्ञानिक लोग अइसन रिएक्टर बनवले पर काम करता जवन एही तरे ऊर्जा बनावे.

English : Scientists are working to create a reactor that can make energy in the same way.



[Day15]

Bhojpuri : अइसे त सुलझावे खातिर ई एगो कठिन समस्या बा आ हमन के काम लायक कवनों फ्यूजन रिएक्टर बने एमें अबहीन बहुत साल लागी.

English : This, however, is a very hard problem to solve and will take many years before we see useful fusion reactors built.



Bhojpuri : पृष्ठ तनाव के नाते स्टील के सूई पानी के ऊपर तैरेले.

English : The steel needle floats on top of the water because of surface tension.



Bhojpuri : पानी के सतह पर पानी के अणु एक दूसरा से, अपने ऊपर के हवा के अणु के तुलना में ढेर ताकत से जुड़ल रहेने. एही के नाते पृष्ठ तनाव होला.

English : Surface tension happens because the water molecules at the surface of the water are strongly attracted to each other more than they are to the air molecules above them.



Bhojpuri : पानी के सतह के ऊपर पानी के अणुअन मिलकर बिना लउके वाला परत बना देवेने अउर एही से सूई जईसन चीज पानी के ऊपर तैरेला.

English : The water molecules make an invisible skin on the water's surface that allows things like the needle to float on top of the water.



Bhojpuri : आजकल के आइस स्केट पर ब्लेड में दू गो किनारा होला जेकरे बीच में एगो अवतल खोखला हिस्सा होला. आइस स्केट के झुकल होखले पर भी दुनों किनारा बरफ के ठीक से पकडले रहेने.

English : The blade on a modern ice skate has a double edge with a concave hollow between them. The two edges allow for a better grasp of the ice, even when tilted.



Bhojpuri : काहें की ब्लेड के नीचे के भाग तनी घुमावदार होला, एसे ब्लेड जब एक ओर चाहे दूसरी ओर झुकेला त जवन किनारा बरफ से सटल रहेला ऊ हो घूम जाला.

English : Because the bottom of the blade is slightly curved, as the blade tilts to one side or the other, the edge which is in contact with the ice also curves.



Bhojpuri : एकरे नाते स्केट करे वाला मुड़ सकेला. अगर स्केट दाहिनी ओर झुकेला त स्केट करे वाला दाहिने मुड़ जाला, अगर स्केट बाएं ओर झुकेला त स्केट करे वाला बाएं मुड़ जाला.

English : This causes the skater to turn. If the skates tilt to the right, the skater turns right, if the skates tilt to the left, the skater turns left.



Bhojpuri : अपने पहिले के ऊर्जा स्तर पर पहुंचे खातिर ओकरा सब के पहिले रोसनी से मिलल ढेर ऊर्जा के निकाले के पड़ी.

English : To return to their previous energy level, they must get rid of the extra energy they got from the light.



Bhojpuri : अइसन ऊ सब रोसनी के एगो बहुत छोट कण ¨फ़ोटॉन¨ के निकाल के करेने.

English : They do this by emitting a tiny particle of light called a ¨photon¨.



Bhojpuri : वैज्ञानिक लोग ए प्रक्रिया के ¨विकिरण के उद्दीप्त उत्सर्जन¨ कहेला काहे की परमाणु तेज रोसनी से उत्तेजित हो जाने जेसे रोसनी के एगो फ़ोटॉन निकलेला आ रोसनी एक तरह के विकिरण होला.

English : Scientists call this process ¨stimulated emission of radiation¨ because the atoms are stimulated by the bright light, causing the emission of a photon of light, and light is a type of radiation.



Bhojpuri : अगला चित्र फ़ोटॉन निकालत परमाणुवन के देखावता. ए बाती में कवनों संका नईखे की चित्र में जईसन फ़ोटॉन लउकता असल में ओसे बहुते छोट होला.

English : The next picture shows the atoms emitting photons. Of course, in reality photons are a lot smaller than those in the picture.



Bhojpuri : परमाणु जेसे मिलके बनेला, फ़ोटॉन ओहू से छोट होला.

English : Photons are even smaller than the stuff that makes up atoms!



Bhojpuri : सैकड़न घंटा काम कइले के बाद बल्ब के फिलामेंट अंत में जरि जाला आ रोसनी वाला बल्ब काम नाहीं करेला.

English : After hundreds of hours of operation the filament in the bulb eventually burns out and the light bulb no longer works.



Bhojpuri : ओकरे बाद रोसनी वाले बल्ब के बदले के पड़ेला. रोसनी वाला बल्ब के बदलत समय बहुत सावधानी राखल जरूरी ह.

English : The light bulb then needs replacing. It is necessary to be careful in replacing the light bulb.



Bhojpuri : सबसे पहिले, रोसनी करे वाला स्विच बंद होखे के चाहीं, चाहे तार अलग होखे के चाहीं.

English : First, the switch for the light fixture needs to be turned off or the cable disconnected.



Bhojpuri : अइसन एसे काहें की अगर बल्ब थोड़ा सा भी सॉकेट के अंदर बा आ रउरा सॉकेट के अंदर चाहे बल्ब के धातु के आधार के छू लेहनी त रउरा के बहुत जोर से बिजली के झटका लागी काहें की सॉकेट के अंदर, जहां बल्ब के धातु वाला हिस्सा सॉकेट में बइठेला उहां बिजली आवेला.

English : This is because electricity flowing into the socket where the metallic part of bulb sits can give you a severe electric shock if you touch the inside of the socket or the metal base of the bulb while it is still partly in the socket.



Bhojpuri : परिसंचरण तंत्र के मुख्य अंग हृदय होला, जवन खून के पंप करेला.

English : The major organ of the circulatory system is the heart, which pumps the blood.



Bhojpuri : हृदय से खून जवने नली से बाहर जाला ओ के धमनी कहल जाला आ जवने नली से वापस आवेला ओ के सिरा कहल जाला. सबसे पातर नली केसिका कहाले.

English : Blood goes away from the heart in tubes called arteries and comes back to the heart in tubes called veins. The smallest tubes are called capillaries.



Bhojpuri : ट्राइसेरोटॉप्स के दांत खाली पतईए ना चबा सकत रहे, बाकिर खूब कड़ा तना आ जड़ के भी चबा सकत रहे.

English : A triceratops´ teeth would have been able to crush not only leaves but even very tough branches and roots.



Bhojpuri : कुछ वैज्ञानिक लोग सोचेला की ट्राइसेरोटॉप्स, साइकैड्स खा लिहलस जवन क्रेटेशियस समय में पावे जाए वाला एगो आम पौधा रहे.

English : Some scientists think Triceratops ate cycads, which are a type of plant that was common in the Cretaceous.



Bhojpuri : ई पौधा ताड़ के पेड़ जईसन लउके जेकरे ऊपरी हिस्सा पर ताज जईसन चोख आ कांट वाला पतई लागल रहे.

English : These plants look like a small palm tree with a crown of sharp, spiky leaves.



Bhojpuri : तना खाइले के पहिले ट्राइसेरोटॉप्स अपने मजबूत चोंच से पतइयन के तूर के निकाल देत होई.

English : A Triceratops could have used its strong beak to strip off the leaves before eating the trunk.



Bhojpuri : दूसर वैज्ञानिक लोग बहस करेला आ कहेला की ई पौधा जहरीला रहे एसे अइसन नाहीं भइल होई की डायनासोर एके खइले होई, हालांकि आज के समय में स्लॉथ आ दुसर जानवर जइसे तोता (डायनासोर के ही बंसज) कुछ जहरीला पत्ती आ फल खाने.

English : Other scientists argue that these plants are very poisonous so it is unlikely that any dinosaur ate them, even though today the sloth and other animals like the parrot (a descendant of the dinosaurs) can eat poisonous leaves or fruit.



Bhojpuri : लो के गुरुत्वाकर्षण हमके कइसे खींची? अगर रउआ लो के सतह पर खड़ा होइहें, त राउर वजन धरती पर राउर के वजन से कम होई.

English : How would Io´s gravity pull on me? If you stood on the surface of Io, you would weigh less than you do on Earth.



Bhojpuri : एगो आदमी जेकर वजन धरती पर 200 पाउंड (90 किलो) बा ओकर वजन लो पर लगभग 36 पाउंड (16 किलो) होई. एसे ई बात पक्का बा की गुरुत्वाकर्षण रउआ के कम खींची.

English : A person who weighs 200 pounds (90kg) on Earth would weigh about 36 pounds (16kg) on Io. So the gravity, of course, pulls less on you.



[Day16]

Bhojpuri : धरती के तरे सूरज पर कवनों ठोस सतह नईखे जे पर रउआ खड़ा हो सकीं. पूरा सूरज गैस, आग आ प्लाज्मा से बनल बा.

English : The Sun doesn´t have a crust like the Earth that you can stand on. The whole Sun is made out of gases, fire, and plasma.



Bhojpuri : जइसे-जइसे रउआ सूरज के केंद्र की ओर जाइब गैस पातर होत जाई.

English : The gas becomes thinner as you go farther from the center of the Sun.



Bhojpuri : सूरज के बाहर वाला हिस्सा, जवन हमन के देखेनी, ऊ फोटोस्फियर कहाला, जे कर माने ह ¨रोसनी के गेना¨.

English : The outer-part we see when we look at the Sun is called the photosphere, which means ¨ball of light¨.



Bhojpuri : लगभग तीन हजार साल के बाद, 1610 में, इटली के खगोल सास्त्री गैलीलियो गैलीली एगो दूरबीन के इस्तेमाल कइने आ देखने की चंदरमा के तरे सुक्र के भी अलग-अलग कला (फ़ेज़) बा.

English : About three thousand years later, in 1610, Italian astronomer Galileo Galilei used a telescope to observe that Venus has phases, just as the moon does.



Bhojpuri : अलग अलग कला (फ़ेज़) बनेला काहे की सुक्र (आ चाहे चंदरमा) के खाली उहे हिस्सा चमकेला जवन सूरज की ओर रहेला. सुक्र के कला कॉपरनिकस के ए सिद्धांत के समर्थन करेला की ग्रह सूरज के चारो ओर घूमेने.

English : Phases happen because only the side of Venus (or of the Moon) facing the Sun is lighted. The phases of Venus supported the theory of Copernicus that the planets go around the Sun.



Bhojpuri : ओकरे कुछ साल बाद, 1639 में अंग्रेज खगोल सास्त्री जिन कर नाम यिर्मयाह होरोक्स रहे, ऊ सुक्र के परागमन देखने.

English : Then, a few years later in 1639, an English astronomer named Jeremiah Horrocks observed a transit of Venus.



Bhojpuri : डेनलॉ के दोबारा जीतला के बाद, इंग्लैंड में बहुत लंबा समय तक सांति बनल रहल.

English : England had experienced a long period of peace after the reconquest of the Danelaw.



Bhojpuri : बाकिर, सन 991 में एथेलरड के लड़ाई वाइकिंग के अब तक के सबसे बड़ सेना से भईल. अइसन भयंकर सेना एक सदी पहिले राजा गुथ्रम रखले रहन.

English : However in 991 Ethelred was faced with a Viking fleet larger than any since Guthrum´s a century earlier.



Bhojpuri : ई सेना के अगुआई करले रहन ओलफ ट्रिगवेसन, जे नॉर्वे के रहन आ उनुकर सपना रहे कि डेनमार्क के कब्जा से आपन देश के छोड़ा सकें.

English : This fleet was led by Olaf Trygvasson, a Norwegian with ambitions to reclaim his country from Danish domination.



Bhojpuri : सुरू में मलेट्री पटकनिया खैला के बाद, एथेलरड, ओलफ के समझौता के सर्त माने खातिर तइयार हो गइलन. बाद में ओलफ वापस नॉर्वे गइलन अउरी आपन सत्ता वापस पावे के कोसिस कइलन जेकरा में उनका के मिलल-जुलल सफलता मिललस.

English : After initial military setbacks, Ethelred was able to agree to terms with Olaf, who returned to Norway to try to gain his kingdom with mixed success.



Bhojpuri : लोगन के बीच में जानल मानल आ रोज बोले जाए वाली हानगुल एगो अकेल अइसन वर्णमाला ह जवने के आविस्कार जानबूझ के कइल गइल. ए वर्णमाला के आविष्कार 1444 में राजा सेजोंग (1418 - 1450) के सासनकाल में भइल रहे.

English : Hangeul is the only purposely invented alphabet in popular daily use. The alphabet was invented in 1444 during the reign of King Sejong (1418 – 1450).



Bhojpuri : राजा सेजोंग, यूसून वंश के चउथा राजा रहने आ सबसे आदर-मान वाला राज लोगन में उनुकर गिनती होला.

English : King Sejong was the fourth king of the Joseon Dynasty and is one of the most highly regarded.



Bhojpuri : सबसे पहिले ऊ हानगुल वर्णमाला के नाम हनमिन जेनजीअम धइले रहने, जेकर माने होला ¨लोगन के निरदेस दहले के सही ध्वनि¨.

English : He originally named the Hangeul alphabet Hunmin Jeongeum, which means ¨the correct sounds for the instruction of the people¨.



Bhojpuri : संस्कृत कइसे आइल एकर कई गो सिद्धांत बा. ओमें से एगो ई ह की जब आर्यन लोग पच्छिम से भारत आइल त ई भासा अपने साथे ले आइल.

English : There are many theories to how Sanskrit came into existence. One of them is about an Aryan migration from the west into India who brought their language with them.



Bhojpuri : संस्कृत एगो प्राचीन भासा ह जवन यूरोप में बोले जाए वाली लैटिन भासा जइसन ह.

English : Sanskrit is an ancient language and is comparable to the Latin language spoken in Europe.



Bhojpuri : दुनिया के सबसे पहिले के किताब संस्कृत में लिखल बा. उपनिषदन के संकलन के बाद संस्कृत के अनुक्रम के नाते ई फीक पड़त चलि गइल.

English : The earliest known book in the world was written in Sanskrit. After the compilation of Upanishads, Sanskrit just faded due to hierarchy.



Bhojpuri : संस्कृत एगो बहुत जटिल आ समृद्ध भासा ह. कई गो आधुनिक भारतीय भासा एसे ओहसहीं निकलल बा, जइसे लैटिन से फ्रेंच आ स्पेनिश जईसन यूरोप के भाषा निकलल बा.

English : Sanskrit is a very complex and rich language, which has served to be the source for many modern Indian languages, just like Latin is the source for European languages like French and Spanish.



Bhojpuri : फ्रांस खातिर लड़ाई जब पूरा हो गइल त जर्मनी ब्रिटेन के द्वीप पर चढ़ाई करे के तइयारी सुरू कईलस.

English : With the battle for France over, Germany began to get ready to invade the island of Britain.



Bhojpuri : जर्मनी हमला के कोड नाम "ऑपरेशन सीलियन" रखले रहे. डनकर्क से निकालल गईले के बाद ब्रिटिश सेना के ढेर भारी हथियार आ आपूर्ति ओकरा हाथ से निकल गइल रहे, एसे सेना बहुत कमजोर रहे.

English : Germany code-named the attack "Operation Sealion". Most of the British Army´s heavy weapons and supplies had been lost when it evacuated from Dunkirk, so the army was fairly weak.



Bhojpuri : लेकिन रॉयल नेवी तब्बों जर्मनी के नौसेना ("क्रिग्समरीन") से बहुत ढेर मजबूत रहे आ इंग्लिश चैनल पर भेजल गइल कवनों चढ़ाई के बेड़ा के नष्ट क सकत रहे.

English : But the Royal Navy was still much stronger than the German Navy ("Kriegsmarine") and could have destroyed any invasion fleet sent across the English Channel.



Bhojpuri : अइसे त, बहुत कम रॉयल नेवी जहाज ऊ रस्ता के नियरे रहे जहां से हमला होवे के डर रहे, काहें की एडमिरल लोगन ई बात से डरात रहने कि उनके सेना के जहाज सब जर्मनी के हवाई हमला से डूबि जाई.

English : However, very few Royal Navy ships were based near the likely invasion routes as the admirals were afraid they would be sunk by German air attack.



Bhojpuri : चली इटली के योजना के समझउले से सुरुआत कइल जाए. इटली मुख्य रूप से जर्मनी आ जापान के ¨छोट भाई¨ रहे.

English : Let´s start with an explanation about Italy´s plans. Italy was mainly the ¨little brother¨ of Germany and Japan.



Bhojpuri : एकर सेना आ नौसेना दूनू कमजोर रहे, बाकिर लड़ाई सुरू भइले के ठीक पहिलहीं ई चार गो नया जहाज बनवले रहे.

English : It had a weaker army and a weaker navy, although they had just built four new ships right before the beginning of the war.



Bhojpuri : इटली के मुख्य निसाना अफ्रीका के देस रहने. ओ देसन के कब्जा करे खातिर, उनुके एगई अइसन जगही के जरूरत रहे जहां से ऊ सेना भेज सके, जेसे सेना भूमध्य सागर के पार क के अफ्रीका पर चढ़ाई क सके.

English : Italy´s main goals were African countries. To capture those countries, they would need to have a troop launching pad, so as troops could sail across the Mediterranean Sea and invade Africa.



Bhojpuri : एकरे खातिर उनुके मिस्र में ब्रिटिश ठिकानन आ जहाजन से छुटकारा पावे के रहे. एकरे अलावा, इटली के युद्धपोतन के अउरी कुच्छु नाहीं करे के रहे.

English : For that, they had to get rid of British bases and ships in Egypt. Besides those actions, Italy´s battleships were not supposed to do anything else.



[Day17]

Bhojpuri : अब अगर जापान के बात कइल जाए, त ब्रिटेन के तरे ही जापान भी एगो चारो ओर से समुद्र से घिरल देस (द्वीपीय देस) रहे.

English : Now for Japan. Japan was an island country, just like Britain.



Bhojpuri : पनडुब्बी अइसन पानी के जहाज होला जवन पानी के भीतर चलेला, आ लंबा समय तक पनिए में रहेला.

English : Submarines are ships designed to travel underwater, and remain there for an extended amount of time.



Bhojpuri : विश्व युद्ध I आ विश्व युद्ध II में पनडुब्बी के इस्तेमाल कइल गइल रहे. ओ समय उनुकर चलले के गति बहुत कम रहे आ निसाना मरले के सीमा भी छोट रहे.

English : Submarines were used in World War I and World War II. Back then they were very slow and had a very limited shooting range.



Bhojpuri : लड़ाई के सुरुआत में जादातार ऊ समुद्र के ऊपर चले, बाकिर जइसे-जइसे रडार बिकसित होखे लागल आ ऊ ढेर सटीक होखे लागल पनडुब्बियन के दुस्मन के नजर में आवे से बचे खातिर मजबूरी में पानी के नीचे जाए के पड़ल.

English : In the beginning of the war they mostly travelled on top of the sea, but as radar began developing and becoming more accurate the submarines were forced to go under water to avoid being seen.



Bhojpuri : जर्मनी के पनडुब्बियन के यू-बोट काहल जात रहे. जर्मनी के लोग पनडुब्बियन के सही रास्ता पर चलवले में बहुत बढ़िया रहे.

English : German submarines were called U-Boats. The Germans were very good at navigating and operating their submarines.



Bhojpuri : पनडुब्बियन के साथे सफलता के नाते, ए बात के भरोसा नईखे की लड़ाई के बाद जर्मनी के लगे कइयो गो पनडुब्बी होई.

English : Because of their success with submarines, after the war Germans aren´t trusted to have many of them.



Bhojpuri : हां! राजा तुतेनखामन, जे के कब्बो-कब्बो ¨राजा टुट¨ चाहे ¨द बॉय किंग¨ के नाम से भी जानल जाला, ऊ अब के समय मे प्राचीन मिश्र के सबसे जानल मानल राजा हवें.

English : Yes! King Tutankhamun, sometimes referred to as ¨King Tut¨ or ¨The Boy King¨, is one of the most well known ancient Egyptian kings in modern times.



Bhojpuri : मजेदार बात ई बा की प्राचीन समय मे उनुके बहुत महत्वपूर्ण राजा नहीं मानल जात रहे आ प्राचीन राजा लोगन के सूची में उनुकर नाम नहीं रहे.

English : Interestingly, he was not considered to be very important in ancient times and was not recorded on most ancient king lists.



Bhojpuri : बाकीं 1922 में उनुकर मकबरा मिलले के बाद उनकर नाम हो गइल. जब की पहिले के बहुत मकबरन के लूटल जा चुकल बा, एके केहू हाथो नईखे लगवले.

English : However, the discovery of his tomb in 1922 made him a celebrity. While many tombs of the past were robbed, this tomb was left virtually undisturbed.



Bhojpuri : तुतनखामेन के साथे दफ़नावल बहुत सामान एकदम बढ़िया से बचल बा. एमें कीमती धातु आ दुर्लभ पत्थर के बनल हजार गो ले कलाकृति सामिल बा.

English : Most of the items buried with Tutankhamun have been well preserved, including thousands of artefacts made from precious metals and rare stones.



Bhojpuri : तीली वाला पहिया के आविस्कार से असीरियन रथ हल्लुक, तेज, आ सैनिकन आ दूसरा रथन से आगे निकले वाला बन गइल.

English : The invention of spoke wheels made Assyrian chariots lighter, faster, and better prepared to outrun soldiers and other chariots.



Bhojpuri : उनुकर खतरनाक कमान से निकलल तीर दुस्मन सैनिकन के कवच में घुस सकत रहे. ईसा से लगभग 1000 साल पहिले, असीरियन लोग सबसे पहिले सेना में घुड़सवारन के सामिल कइने.

English : Arrows from their deadly crossbows could penetrate the armor of rival soldiers. About 1000 B.C., the Assyrians introduced the first cavalry.



Bhojpuri : घुड़सवार ऊ सेना होला जे घोड़ा पर बईठि के लड़ाई करेला. काठी के अबहीन आविस्कार नाहीं भइल रहे एही से घुड़सवार घोड़ा के नंगी पीठ पर बइठत रहे.

English : A cavalry is an army that fights on horseback. The saddle had not yet been invented, so the Assyrian cavalry fought on the bare backs of their horses.



Bhojpuri : हमन के कई गो यूनान के राजनीतिक, वैज्ञानिक आ कलाकार लोगन के जानेनी. जहां तक आसा बा, ए संस्कृति के सबसे ढेर जानल जाए वाला आदमी होमर हवें. ई महान कवि के आंखि से लउकत ना रहे. आ यूनानी साहित्य के दू गो महान रचना लिखने: इलियड आ ओडिसी काव्य.

English : We know many Greek politicians, scientists, and artists. Possibly the most known person of this culture is Homer, the legendary blind poet, who composed two masterpieces of Greek literature: the poems Iliad and Odyssey.



Bhojpuri : सोफेक्लीज़ आ अरिस्तोफ़ेनीज़ अबहियों मसहूर नाटककार हवें आ ए लोगन के लिखल नाटकन के दुनिया के साहित्य के बड़हन रचना में गिनल जाला.

English : Sophocles and Aristophanes are still popular playwrights and their plays are considered to be among the greatest works of world literature.



Bhojpuri : दूसर नामी-गिरामी यूनानी गणितज्ञ पाइथागोरस रहने, जिनके उनकर दिहल प्रमेय खातिर मुख्य रूप से जानल जाला. ई प्रमेय समकोण त्रिभुज के भुजा के बीच संबंध के बारे में बा.

English : Another famous Greek is a mathematician Pythagoras, mostly known for his famous theorem about relations of the sides of right triangles.



Bhojpuri : ए बात के कई गो अलग-अलग अनुमान बा की केतना लोग हिंदी बोलेने. एकर दुनिया में दूसरा आ चउथा सबसे ढेर बोले जाए वाला भाषा के बीच में होखले के अनुमान बा.

English : There are varying estimates for how many people speak Hindi. It is estimated to be between the second and fourth most commonly spoken language in the world.



Bhojpuri : एक जगह पर कवनों भासा के बोले वाला केतना लोग बा ई, एकर गिनती ए बात पर आधारित होला की ओ भासा के एक-दूसरा से नगीच से जुड़ल बोलियन के गिनती ओमें होता कि ना.

English : The number of native speakers varies depending on whether or not very closely related dialects are counted.



Bhojpuri : अनुमान बा की ए भासा के 340 मिलियन से 500 मिलियन तक लोग बोल सकेला आ, 800 मिलियन लोग एके समझ सकेला.

English : Estimates range from 340 million to 500 million speakers, and as many as 800 million people can understand the language.



Bhojpuri : हिंदी आ उर्दू के सब्द एके जईसन बाने बाकिर दूनू के लिपि अलग बा; रोज के बातचीत में, दूनों भाषा के बोले वाला लोग आमतौर पर एक-दूसरा के बात समझ सकेने.

English : Hindi and Urdu are similar in vocabulary but different in script; in everyday conversations, speakers of both languages can usually understand each other.



Bhojpuri : 15 वीं सदी के आसपास, उत्तरी एस्टोनिया पर जर्मनी के महान संस्कृति के प्रभाव रहे.

English : Around the 15th century, northern Estonia was under great cultural influence of Germany.



Bhojpuri : जर्मनी के कुछ भिक्छु लोग उहां के मूल रहे वाला लोगन के भगवान के नगीचे ले आवल चाहत रहे, एसे ऊ लोग एस्टोनिया के साब्दिक भासा के खोज कईलस.

English : Some German monks wanted to bring God closer to the native people, so they invented the Estonian literal language.



Bhojpuri : ई जर्मनी के वर्णमाला पर ही आधारित रहे आ ओमें एगो वर्ण ¨Õ/õ¨ जोड़ दिहल रहे.

English : It was based on the German alphabet and one character ¨Õ/õ¨ was added.



Bhojpuri : जइसे-जइसे समय बीतत गइल, कई गो सब्द जवन जर्मन से उधार लिहल गइल रहे, इकट्ठा होत गइल. ई ज्ञान अइले के सुरुआत रहे.

English : As time passed, many words that were borrowed from German coalesced. This was the beginning of enlightenment.



Bhojpuri : पारंपरिक रूप से सिंहासन के जे उत्तराधिकारी होला ऊ स्कूली पढ़ाई खतम क के सीधे सेना में भर्ती हो जाला.

English : Traditionally, the heir to the throne would go straight into the military after finishing school.



[Day18]

Bhojpuri : बाकिर, चार्ल्स ट्रिनिटी कॉलेज, कैम्ब्रिज के विश्वविद्यालय में गइने जहां ऊ मानव विज्ञान, पुरातत्व आ बाद में इतिहास के पढ़ाई कइने आ 2:2 (एक निम्न द्वितीय श्रेणी के डिग्री) पवने.

English : However, Charles went to university at Trinity College, Cambridge where he studied Anthropology and Archaeology, and later History, earning a 2:2 (a lower second class degree).



Bhojpuri : चार्ल्स ब्रिटेन के साही परिवार के पहिला सदस्य रहने जिनके डिग्री से सम्मानित कइल गइल रहे.

English : Charles was the first member of the British Royal Family to be awarded a degree.



Bhojpuri : यूरोपीय तुर्की (बाल्कन प्रायद्वीप में पूर्वी थ्रेस, चाहे रुमेलिया) में देश के 3% हिस्सा सामिल बा.

English : European Turkey (eastern Thrace or Rumelia in the Balkan peninsula) includes 3% of the country.



Bhojpuri : लगभग आयताकार आकार के तुर्की के छेत्र 1,600 किलोमीटर (1,000 मील) से ढेर लमहर आ 800 किमी (500 मील) चाकर बा.

English : The territory of Turkey is more than 1,600 kilometres (1,000 mi) long and 800 km (500 mi) wide, with a roughly rectangular shape.



Bhojpuri : झीलन के मिला के तुर्की के छेत्रफल 783,562 वर्ग किलोमीटर (300,948 वर्ग मील) बा, जे मे से 755,688 वर्ग किलोमीटर (291,773 वर्ग मील) दक्खिन पच्छिम एसिया में आ 23,764 वर्ग किलोमीटर (9,174 वर्ग मील) यूरोप में बा.

English : Turkey´s area, including lakes, occupies 783,562 square kilometres (300,948 sq mi), of which 755,688 square kilometres (291,773 sq mi) are in south west Asia and 23,764 square kilometres (9,174 sq mi) in Europe.



Bhojpuri : तुर्की के छेत्रफल एके दुनिया के 37वां सबसे बड़हन देस बनावेला, आ ई एतना बड़ बा जेतना मेट्रोपॉलिटन फ्रांस आ यूनाइटेड किंग्डम मिल के होई.

English : Turkey´s area makes it the world´s 37th-largest country, and is about the size of Metropolitan France and the United Kingdom combined.



Bhojpuri : तुर्की तीन तरफ से समुद्र से घिरल बा: पच्छिम में ईजियन सागर, उत्तर में काला सागर आ दक्खिन में भूमध्य सागर.

English : Turkey is encircled by seas on three sides: the Aegean Sea to the west, the Black Sea to the north and the Mediterranean Sea to the south.



Bhojpuri : लक्ज़मबर्ग के एगो लमहर इतिहास रहल बा, बाकिर ई आजाद 1839 में भइल.

English : Luxembourg has a long history but its independence dates from 1839.



Bhojpuri : आजु के समय के बेल्जियम के कुछ हिस्सा पहिले लक्ज़मबर्ग के हिस्सा रहे, बाकिर 1830 के बेल्जियम के क्रांति के बाद ऊ बेल्जियम में आ गइल.

English : Present-day parts of Belgium were part of Luxembourg in the past but became Belgian after the 1830s Belgian Revolution.



Bhojpuri : लक्ज़मबर्ग हमेसा से ही एगो तटस्थ देस रहले के कोसिस कइले बा, बाकिर बिस्व युद्ध I आ बिस्व युद्ध II, दुनों में जर्मनी के ओपर कब्जा हो गइल रहे.

English : Luxembourg has always tried to remain a neutral country but it was occupied in both World War I and World War II by Germany.



Bhojpuri : 1957 में लक्ज़मबर्ग एगो संस्था के संस्थापक सदस्य बनल जे के आजु के समय में यूरोपियन यूनियन (यूरोपीय संघ) के नाम से जानल जाला.

English : In 1957 Luxembourg became a founding member of the organization which is today known as the European Union.



Bhojpuri : पारो जिला (फोन्जे गांव) के ऊपरी हिस्सा में ड्रूक्गायेल जोंग बा जवन एगो जर्जर हो चुकल किला आ बौद्ध मठ ह.

English : The Drukgyal Dzong is a ruined fortress and Buddhist monastery in the upper part of the Paro District (in Phondey Village).



Bhojpuri : अइसन कहल जाला की 1649 में, ज़ब्द्रुंग नंवांग नमग्याल तिब्बत के मंगोल सेना से अपने जीत के खुसी मनावे खातिर ए किला के बनववले रहने.

English : It is said that in 1649, Zhabdrung Ngawang Namgyel created the fortress to commemorate his victory against the Tibetan-Mongol forces.



Bhojpuri : 1951 में, एगो आगि लगले के नाते ड्ड्रूक्गायेल जोंग के खाली कुछ अवसेस हि बचल जइसे ज़ब्द्रुंग नंवांग नमग्याल के फोटो.

English : In 1951, a fire caused for only some of the relics of the Drukgyal Dzong to remain, such as the image of Zhabdrung Ngawang Namgyal.



Bhojpuri : आगि लगले के बाद, किला के सुरच्छित क लिहल गइल आ बचा लिहल गइल, जेसे अब ई भूटान के सबसे बड़हन आकर्सन बनि गइल बा.

English : After the fire, the fortress was preserved and protected, remaining to be one of Bhutan´s most sensational attractions.



Bhojpuri : 18 वीं सदी में कंबोडिया अपना के दू गो ताकतवर पड़ोसी देसन, थाईलैंड आ वियतनाम के बीच में दबल पवलस.

English : During the 18th century Cambodia found itself squeezed between two powerful neighbors, Thailand and Vietnam.



Bhojpuri : 18 वीं सदी में कंबोडिया पर थाईलैंड कई बार चढ़ाई कईलस आ 1772 में नाम पेन्ह के बर्बाद क दीहलस.

English : The Thais invaded Cambodia several times in the 18th century and in 1772 they destroyed Phnom Phen.



Bhojpuri : 18वीं सदी के अंत के सालन में वियतनाम भी कंबोडिया पर चढ़ाई कईलस.

English : In the last years of the 18th century the Vietnamese also invaded Cambodia.



Bhojpuri : वेनेजुएला के अट्ठारह प्रतिसत लोग बेरोजगार बा, आ जेकर रोजगार बा ओहू में से ढेर लोग अनौपचारिक अर्थव्यवस्था में काम करता.

English : Eighteen percent of Venezuelans are unemployed, and most of those who are employed work in the informal economy.



Bhojpuri : वेनेजुएला के काम करे वाला लोगन में से दू तिहाई सेवा के छेत्र में, लगभग एक चौथाई उद्योग में आ पांचवां हिस्सा खेती के छेत्र में काम करेला.

English : Two thirds of Venezuelans who work do so in the service sector, nearly a quarter work in industry and a fifth work in agriculture.



Bhojpuri : वेनेजुएला के उद्योगन में तेल उद्योग सबसे बड़हन उद्योग ह. ई देस तेल के निर्यात करेला, तब्बों खाली एक प्रतिसत लोग तेल के उद्योग में काम करता.

English : An important industry for Venezuelans is oil, where the country is a net exporter, even though only one percent work in the oil industry.



Bhojpuri : देस के आजादी के सुरुआत में ही, सिंगापुर के वनस्पति उद्यान के बिसेसज्ञता ए द्वीप के एगो उष्णकटिबंधीय उद्यान सहर में बदलले में मदद कईलस.

English : Early in the nation´s independence, Singapore Botanic Gardens´ expertise helped to transform the island into a tropical Garden City.



Bhojpuri : 1981 में, एगो संकर ऑर्किड वांडा मिस वाकीम के देस के रास्ट्रीय फूल चुनल गइल.

English : In 1981, Vanda Miss Joaquim, an orchid hybrid, was chosen as the nation´s national flower.



Bhojpuri : हर साल अक्टूबर के आसपास लगभग 1.5 मिलियन साकाहारी बरखा खातिर उत्तर के पहाड़ियन से मारा नदी के पार करत दक्खिन के मैदान की ओर जाने.

English : Every year around October nearly 1.5 million herbivores travel towards the southern plains, crossing the Mara River, from the northern hills for the rains.



Bhojpuri : आ बरखा खतम भइले के बाद, लगभग अप्रैल में एक बार फेरु पच्छिम के राहे मारा नदी के पार करत उत्तर चलि जाने.

English : And then back to the north through the west, once again crossing the Mara river, after the rains in around April.



[Day19]

Bhojpuri : सेरंगेटी छेत्र में सेरंगेटी नेशनल पार्क, तंजानिया के गोरोंगोरो कंजर्वेशन छेत्र आ मस्वा गेम रिजर्व अउर केन्या के मसाई मारा नेशनल रिजर्व आवेला.

English : The Serengeti region contains the Serengeti National Park, the Ngorongoro Conservation Area and Maswa Game Reserve in Tanzania and the Maasai Mara National Reserve in Kenya.



Bhojpuri : इंटरैक्टिव मीडिया बनावल सीखे खातिर पाहिले से चलल आवत आ पारंपरिक कुसलता के साथे-साथे, अइसन तरीका पर भी महारत हासिल करे के पड़ी जेसे कक्छा में एक दुसरा से संवाद हो सके (जइसे, स्टोरीबोर्ड बनावल, ऑडियो आ वीडियो के संपादन कइल, कहानी सुनावल).

English : Learning to create interactive media requires conventional and traditional skills, as well as tools mastered in interactive classes (storyboarding, audio and video editing, story telling, etc.)



Bhojpuri : इंटरैक्टिव डिजाइन खातिर रउआ के मीडिया प्रोडक्सन के अपने धारणा पर फेरु से बिचार करे के पड़ी आ सीधा तारीका से ना सोचे के सीखे के पड़ी.

English : Interactive design requires that you re-assess your assumptions about media production and learn to think in a non-linear ways.



Bhojpuri : इंटरैक्टिव डिजाइन में ई जरूरी बा कि प्रोजेक्ट के कुल घटक एक-दूसरा से त जुड़ल रहे, बाकिर अलगे हो के भी ओकर आपन मतलब रहे.

English : Interactive design requires that components of a project connect to each other, but also make sense as a separate entity.



Bhojpuri : जूम लेंस के खराबी ई ह की कई गो फोकस दूरी पावे खातिर प्राइम लेंस के तुलना में एमें फोकस के जटिलता बहुत बा आ एमें लेंस के कई गो दूसर अवयव भी चाहीं.

English : The disadvantage of zoom lenses is that the focal complexity and number of lens elements required to achieve a range of focal lengths is much greater than for prime lenses.



Bhojpuri : ई अब एतना बड़हन बात नईखे रहि गइल काहें की लेंस बनावे वाला लोग अब लेंस के बनवले में बहुत ऊंचा मानक राखेला.

English : This is becoming less of an issue as lens manufacturers achieve higher standards in lens production.



Bhojpuri : एसे जूम लेंसन से लिहल फोटो के गुणवत्ता निस्चित फोकस दूरी वाले लेंस से लिहल फोटो के जईसन ही होला.

English : This has allowed zoom lenses to produce pictures of a quality comparable to that achieved by lenses with fixed focal length.



Bhojpuri : जूम लेंस के दूसर खराबी ई ह की एकर जवन सबसे बड़हन अपर्चर (गति) होला ऊ अक्सर कम होला.

English : Another disadvantage of zoom lenses is that the maximum aperture (the speed) of the lens is usually lower.



Bhojpuri : एसे सस्ता ज़ूम लेंस के बिना फ्लैस के, कम रोसनी में इस्तेमाल करे में मुस्किल होला.

English : This makes inexpensive zoom lenses hard to use in low-light conditions without a flash.



Bhojpuri : फिलिम के डीवीडी फॉर्मेट में बदले के कोशिश करत समय सबसे आम समस्या में से ओवेरस्कैन एगो बा.

English : One of the most common problems when trying to convert a movie to DVD format is the overscan.



Bhojpuri : जादातर टीवी आम लोगन के खुश करे के खातिर बनावल जाला.

English : Most televisions are made in a way to please the general public.



Bhojpuri : उहे कारन से, रउआ टीवी पर जे भी देखेलीं उ सs स्क्रीन पर ऊपर से, नीचे से, अउरी अगल-बगल से कटल रहेला.

English : For that reason, everything you see on the TV had the borders cut, top, bottom and sides.



Bhojpuri : एकरा इ पक्का करे खातिर बनावल गइल बा कि फोटो पूरा स्क्रीन पर आए. एकरा ओवेरस्कैन कहल जा ला.

English : This is made to ensure that the image covers the whole screen. That is called overscan.



Bhojpuri : एही खातिर, जब रउआ डीवीडी बनावेलीं, तब एकरो किनारा चारो दन्ने से कटे के संभावना बढ़ जाला अउरी एकरा में कोनो सबटाइटिल के नीचे सटा के लिखला पर उहो पूरा ना दिखी.

English : Unfortunately, when you make a DVD, it´s borders will most likely be cut too, and if the video had subtitles too close to the bottom, they won´t be fully shown.



Bhojpuri : पारंपरिक मध्यकालीन किला, बड़ा लंबा समय से लोगन के कल्पना के, लड़ाई के काल्पनिक चित्र, सैनिकन के भोज अउरी राजा आर्थर के सैनिकन के पराक्रम के कहानी से मंत्रमुग्ध कर रहल बा.

English : The traditional medieval castle has long inspired the imagination, conjuring up images of jousts, banquets and Arthurian chivalry.



Bhojpuri : भले ई खंडहर सs हजारों साल से जइसे के तइसे खाड़ा बा, बाकिर एकरा देखला से इहाँले भइल बहुत पहिले के खूनी लड़ाई के अन्नस आ गंध दिमाग में आसानी से घुस जाला. एकरा देखला पर अइसन लागेला कि अबहिंयो घोड़ा के नाल के खड़खड़ाहट साफ-साफ गूँजsता अउरी कालकोठरी से आवे वाला गंध से डर के मारे रोआँ खाड़ा हो जाला.

English : Even standing amidst thousand year-old ruins it is easy to bring to mind the sounds and smells of battles long gone, to almost hear the clatter of hooves on the cobbles and to smell the fear rising from the dungeon pits.



Bhojpuri : बाकिर, का हमनीं के एह कल्पना कौनो सच्चाई पर आधारित बाs? सबसे पहिले ई बताईं कि किला बनावल काहे गइल? एकरा के कइसे डिज़ाइन कैल गइल होई आ बनावल कइसे गैल होई?

English : But is our imagination based on reality? Why were castles built in the first place? How were they designed and built?



Bhojpuri : खास तौर पर ओ समय के सामान्य चलन के हिसाब से, कर्बी मक्सलो किला एगो सचमुच के किला से ढेर मजबूत घर रहे.

English : Typical for the period, Kirby Muxloe Castle is more of a fortified house than a true castle.



Bhojpuri : एकर चमकत (ग्लेज कइल) खिड़की, आ पातर देवार, ढेर समय ले कवनों सक्तिसाली हमला के नाहीं रोक सकत रहे.

English : Its large glazed windows and thin walls would not have been able to resist a determined attack for long.



Bhojpuri : 1480 में, जब लॉर्ड हैस्टिंग्स एके बनवावल सुरू कइनें तब देस में तनि सांती रहे आ खाली एहर-ओहर घूमे वाला लुटेरन के छोट गिरोह से बचे के जरूरत रहे.

English : In the 1480s, when its construction was begun by Lord Hastings, the country was relatively peaceful and defense was only required against small bands of roving marauders.



Bhojpuri : ताकत के संतुलन बना के रखल यूरोप के देसन के एगो अइसन तरीका ह जेसे यूरोपियन राज्य में देसन के संप्रभुता बनल रहेला.

English : The balance of power was a system in which European nations sought to maintain the national sovereignty of all European states.



Bhojpuri : एकर सिद्धांत ई रहे की सब देस मिल के कवनों एगो देस के ताकतवर भइले से रोके. एही से संतुलन बनावे खातिर राष्ट्रीय सरकारन कई बार आपन गठबंधन बदल देवेलीं.

English : The concept was that all European nations had to seek to prevent one nation from becoming powerful, and thus national governments often changed their alliances in order to maintain the balance.



Bhojpuri : स्पेन मे उत्तराधिकार के लड़ाई अइसन पहिली लड़ाई रहे जेकर मुख्य कारण ताकत के संतुलन रहे.

English : The War of Spanish Succession marked the first war whose central issue was the balance of power.



Bhojpuri : ई एगो जरूरी बदलाव लेके आइल, अउर ऊ ई रहे कि यूरोपीय ताकतन में कवनों युद्ध धर्म के नाम पर नाहीं होई. एसे, तीस बरिस के युद्ध अइसन अंतिम युद्ध रहे जवन धर्म खातिर लड़ल गइल.

English : This marked an important change, as European powers would no longer have the pretext of being religious wars. Thus, the Thirty Years´ War would be the last war to be labeled a religious war.



Bhojpuri : ईसा से 356 बरिस पहीले 21 जुलाई के एफेसुस में आर्टेमिस के मंदिर हेरोस्ट्रेटस के कइल आगजनी में बर्बाद हो गइल.

English : The temple of Artemis at Ephesus was destroyed on July 21, 356 BCE in an act of arson committed by Herostratus.



[Day20]

Bhojpuri : कहानी के अनुसार, ऊ कवनों कीमत पर परसिद्ध भइल चाहत रहने. एफेसुस के लोग बहुत रिसिया गइल आ घोसना कईलस की हेरोस्ट्रेटस के नाम कहीं ना लिखाए के चाहीं.

English : According to the story, his motivation was fame at any cost. The Ephesians, outraged, announced that Herostratus´ name never be recorded.



Bhojpuri : यूनानी इतिहासकार स्ट्रैबो बाद में उनुकर नाम के उल्लेख कइने आ ए तरे आजू हमन के उनुकर नाम जानतानी. मंदिर ओहि राती के तूरल रहे जवने राती के सिकंदर महान के जनम भइल रहे.

English : The Greek historian Strabo later noted the name, which is how we know today. The temple was destroyed on the same night that Alexander the Great was born.



Bhojpuri : राजा बनला के बाद, सिकंदर मंदिर के फेरू से बनवावे के प्रस्ताव रखने, बाकिर उनकर ई प्रस्ताव मानल नाहीं गइल. बाद में सिकंदर के मरि गईले के बाद, 323 ईसा पूर्व में मंदिर फेरु से बनल.

English : Alexander, as king, offered to pay to rebuild the temple, but his offer was denied. Later, after Alexander died, the temple was rebuilt in 323 BCE.



Bhojpuri : नोट के सही तरीका से दबावे बखत ई बात के ध्यान रखीं कि रउरा हाथ ढील आ आराम से रहे - ईहो कोसिस करीं कि अपने अंगुरी के ढेर बहरे न ले जाईं.

English : Make sure your hand is as relaxed as possible while still hitting all the notes correctly - also try not to make much extraneous motion with your fingers.



Bhojpuri : ए तरे, रउआ के कम से कम थकान होई. याद राखीं पियानो के तरे जोर से आवाज निकाले खातिर बटन के ढेर जोर से दबवले के जरूरत नईखे.

English : This way, you will tire yourself out as little as possible. Remember there´s no need to hit the keys with a lot of force for extra volume like on the piano.



Bhojpuri : आकॉर्डियन में, जादा आवाज खातिर हौंकनी के ढेर दबाव के साथे चाहे तेज-तेज चलाईं.

English : On the accordion, to get extra volume, you use the bellows with more pressure or speed.



Bhojpuri : रहस्यवाद परम सत्य, देवत्व, आध्यात्मिक सत्य, चाहे भगवान के साथे बातियावल, चीन्हल, चाहे अपने अंतरात्मा के जगवले के खोज ह.

English : Mysticism is the pursuit of communion with, identity with, or conscious awareness of an ultimate reality, divinity, spiritual truth, or God.



Bhojpuri : ए पर बिस्वास राखे वाला लोग दैवीय सत्य/देवता या देवता लोगन से सीधा संपर्क, उनकर अनुभूति चाहे ज्ञान चाहेने.

English : The believer seeks a direct experience, intuition, or insight into divine reality/the deity or dieties.



Bhojpuri : ए रास्ता पर चले वाला लोगन के जीवन जियले के खास तरीका होला, चाहे ऊ लोग कुछ अइसन अभ्यास करेला जेसे ओ अनुभवन के कइले में सहायता मिले.

English : Followers pursue certain ways of living, or practices that are intended to nurture those experiences.



Bhojpuri : रहस्यवाद में जवन चेतना के एगो प्रत्यक्ष, अनोखा, व्यक्तिगत अनुभव खास क के शांतिपूर्ण, व्यावहारिक, आनंद से भरल, इहां तक कि परमानंद के जवन अनुभव होला, ओकरा आधार पर एके दूसर धार्मिक मान्यता आ पूजा-पाठ से अलग कइल जा सकेला.

English : Mysticism can be distinguished from other forms of religious belief and worship by its emphasis on the direct personal experience of a unique state of consciousness, particularly those of a peaceful, insightful, blissful, or even ecstatic character.



Bhojpuri : सिख भारतीय उपमहाद्वीप के एगो धर्म ह. एकर जनम 15वीं सदी में पंजाब में भइल अउर ई हिंदू परंपरा से निकलल एगो अलग संप्रदाय रहे.

English : Sikhism is a religion from the Indian sub-continent. It originated in the Punjab region during the 15th century from a sectarian split within the Hindu tradition.



Bhojpuri : सिख अपने धर्म के हिंदू धर्म से अलग मानेने, बाकिर ईहो मानेने की सिख धर्म के जड़ हिंद धर्म आ ओकरे परंपरा में बा.

English : Sikhs consider their faith to be a separate religion from Hinduism though they acknowledge its Hindu roots and traditions.



Bhojpuri : सिख अपने धर्म के गुरमत कहेने, जेकर पंजाबी में मतलब ¨गुरु के बतावल रास्ता¨ ह. सब भारतीय धर्मन में गुरु एगो मूलभूत तत्व होने, बाकिर सिख धर्म में उनुकर महत्ता एतना बा की ऊ सिख मान्यता के आधार हउवें.

English : Sikhs call their religion Gurmat, which is Punjabi for ¨way of the guru¨. The guru is a fundamental aspect of all Indian religions but in Sikhism has taken on an importance that forms the core of Sikh beliefs.



Bhojpuri : 15वीं सदी में गुरु नानक (1469–1539) ए धर्म के स्थापना कइने. ओकरे बाद नौ गो गुरु लोग उनकर उत्तराधिकारी भइल.

English : The religion was founded in the 15th century by Guru Nanak (1469–1539). There followed in succession a further nine gurus.



Bhojpuri : ओइसे क्रुशचफ के कइल वादन के परिच्छा तब भइल जब 1956 के जून महीना में पोलैंड के मजदूर लोग अनाज के कमी आ कम मजदूरी मिलले के विरोध में दंगा क दिहने आ ई विरोध साम्यवाद के खिलाफ एगो सामान्य विरोध में बदल गइल.

English : However, in June 1956, Krushchev´s promises were put to the test when riots in Poland, where workers were protesting against food shortages and wage cuts, turned into a general protest against Communism.



Bhojpuri : हालांकि बाद में, क्रुशचफ व्यवस्था के बहाल करे खातिर टैंक भेजने, कुछ आर्थिक मांगन के मानि गइने आ लोकप्रिय वादेस्वा गोमेका के प्रधान मंत्री नियुक्त करे के तईयार हो गइने.

English : Although in the end, Krushchev sent in tanks to restore order, he did give way to some economic demands and agreed to appoint the popular Wladyslaw Gomulka as the new prime minister.



Bhojpuri : सिंधु घाटी सभ्यता उत्तर पच्छिमी भारतीय उपमहाद्वीप में कांस्य युग के सभ्यता रहे जवन अबहिन के जादातार पाकिस्तान, उत्तर पच्छिम भारत के कुछ हिस्सा आ उत्तर पुरुब अफगानिस्तान ले फईलल रहे.

English : The Indus Valley Civilization was a Bronze Age civilisation in the northwest Indian subcontinent encompassing most of modern-day Pakistan and some regions in northwest India and northeast Afghanistan.



Bhojpuri : ई सभ्यता सिंधु नदी के मुहाना पर विकसित भइल रहे आ एहि खातिर ई सभ्यता के सिंधु घाटी के सभ्यता कहल जाला.

English : The civilisation flourished in the basins of the Indus River wherefore it derives its name.



Bhojpuri : अइसे त कुछ बिद्वान लोगन के मानल ह की ए सभ्यता के नाम सिंधु-सरस्वती सभ्यता होखे के चाहीं काहे की ई सभ्यता अबहीन सूख चुकल सरस्वती नदी के मुहाना पर भी विकसित भइल रहे. ए सभ्यता के अवसेस पहिली बेर 1920 में हरप्पा में मिलल रहे, एसे कुछ लोग एके हरप्पा के सभ्यता भी कहेला.

English : Although some scholars speculate that since the civilisation also existed in the basins of the now dried up Sarasvati River, it should be aptly called the Indus-Sarasvati Civilization, while some call it the Harappan Civilization after Harappa, the first of its sites to be excavated in the 1920s.



Bhojpuri : चिकित्सा के विकास में रोमन साम्राज्य के सैन्य प्रकृति के बहुत सहयोग रहे.

English : The militaristic nature of the Roman empire aided in the development of medical advances.



Bhojpuri : सम्राट ऑगस्टस डॉक्टरन के भर्ती कइल सुरू कइने आ इहां तक ले की लड़ाई के बाद काम आवे खातिर पहली रोमन मेडिकल पलटन भी बनववने.

English : Doctors began to be recruited by Emperor Augustus and even formed the first Roman Medical Corps for use in the aftermath of battles.



Bhojpuri : चीर-फाड़ करे वाला डाक्टरन के तरह-तरह के बेहोस करे वाला दवइयन के बारे में जानकारी रहे जइसे पोस्ता के बीया से निकालल जाए वाला मार्फीन आ हेनबेन के बीया से मिले वाला स्कोपोलमाइन.

English : Surgeons had knowledge of various sedatives including morphine from extracts of poppy seeds and scopolamine from herbane seeds.



Bhojpuri : गैंग्रीन बीमारी से रोगी के बचावे खातिर कवनों अंग निकाल दीहल चाहे खून बहल रोके खातिर टूनिकेट आ आर्टरियल क्लैंप के उपयोग करे में भी ऊ लोग बहुत कुसल रहे.

English : They became proficient at amputation to save patients from gangrene as well as tourniquets and arterial clamps to stem blood flow.



Bhojpuri : कई सदी तक, रोमन साम्राज्य चिकित्सा के छेत्र में बहुत उपलब्धि पवलस आ आज हमन के जवन भी ज्ञान बा ओमे से ढेर ओही समय के योगदान बा.

English : Over multiple centuries, the Roman empire led to great gains in the field of medicine and formed much of the knowledge we know today.



Bhojpuri : प्योरलैंड ओरिगामी एगो अइसन बाधा वाला ऑरिगामी ह जवने में एक समय में कागज के एक्के बार मोड़ल जा सकेला. मुस्किल तरीका से मोड़ल, चाहे मोड़ के खोल के एक बार फिर से मोड़ले के एमें अनुमति नाहीं हवे. एमें जेतना भी मोड़ होला सब एगो सीधा रेखा पर होला.

English : Pureland origami is origami with the restriction that only one fold may be done at a time, more complex folds like reverse folds are not allowed, and all folds have straightforward locations.



[Day21]

Bhojpuri : जे लोगन के कागज के मोड़ले के कम अनुभव रहे, चाहे जेकरे हाथ के पेसी ठीक से काम ना करे ओ लोगन खातिर 1970 में जॉन स्मिथ एके विकसित कईले रहने.

English : It was developed by John Smith in the 1970s to help inexperienced folders or those with limited motor skills.



Bhojpuri : लईका सब नस्ल आ नस्ल से जुड़ल रूढ़ियन के बहुत कम उमिर से ही समझे लागेने आ इ उनके ब्यवहार पर असर डालेला.

English : Children develop an awareness of race and racial stereotypes quite young and these racial stereotypes affect behavior.



Bhojpuri : उदाहरण खातिर, जवन लईकन अल्पसंख्यक जाति के बाने उनके खातिर ई रूढ़ि बा की ऊ बिद्यालय पढ़ाई में बढ़िया ना होने. ओ लइकन के जब अपने जाति से जुड़ल ए रूढ़ि के बारे में पता चलेला त ऊ सांचो बिद्यालय में बढ़िया से पढ़ाई ना करेने.

English : For instance, children who identify with a racial minority that is stereotyped as not doing well in school tend to not do well in school once they learn about the stereotype associated with their race.



Bhojpuri : MySpace, अमेरिका में उपयोग करे वाला लोगन के बीच तीसरा सबसे लोकप्रिय वेबसाइट बा, अउरी एह पर अभी 54 मिलियन प्रोफ़ाइल बा.

English : MySpace is the third most popular website used in the United States and has 54 million profiles currently.



Bhojpuri : इ सब वेबसाइट बहुत्ते ध्यान आकर्षित कईलस बिशेस रूप से शिक्षा क्षेत्र में.

English : These websites have gotten a lot of attention, especially in the education setting.



Bhojpuri : ई सब वेबसाइट के अच्छा बात ई हs कि एकरा से क्लास पेज सेटअप कइला आसान हो जाला, जे में ब्लॉग, वीडियो, फ़ोटो और दोसर कै गो सुविधा बा.

English : There are positive aspects to these websites, which include, being able to easily setup a class page which can include blogs, videos, photos, and other features.



Bhojpuri : इ पेज पर सिरिफ एगो वेब एड्रेस डाल कर एह पर असानी से पहुंचल जा सके ला, जेसे एकरा के याद राखल आसान हो जाला और उ छात्रन खाती टाइप करल आसान हो जाला जिनका कीबोर्ड अउर स्पेलिंग उपयोग करे समय दिक्कत होला.

English : This page can easily be accessed by providing just one web address, which makes it easy to remember and easy to type in for students who may have trouble using the keyboard or with spelling.



Bhojpuri : एकरा के कस्टमाइज भी करल जा सकेला, जे से एकरा पढ़ला में आसानी होखे. एकरा में इच्छा अनुसार रंगो भरल जा सकेला.

English : It can be customized to make it easy to read and also with as much or little color as desired.



Bhojpuri : ध्यान में कमी वाला बीमारी (Attention Deficit Disorder) ¨एगो तंत्रिका से जुड़ल सिंड्रोम होला जेकर पहिचान करे वाला तीन गो आम लच्छन में बेचैनी, जल्दी कवनों चीज से ध्यान भटकल, आ बहुत ढेर चंचल भइल चाहे ऊर्जावान भइल सामिल ह¨.

English : Attention Deficit Disorder ¨is a neurological syndrome whose classic defining triad of symptoms including impulsivity, distractibility, and hyperactivity or excess energy¨.



Bhojpuri : ई ना सीख पवले के बीमारी नाहीं ह, ई सिखले में गड़बड़ी के बीमारी ह; ¨2 से 3 प्रतिसत लइका सब एसे प्रभावित होने, अमेरिका में लगभग 2 मिलियन अइसन लईका बाने¨.

English : It is not a learning disability, it is a learning disorder; it ¨affects 3 to 5 percent of all children, perhaps as many as 2 million American children¨.



Bhojpuri : जवने लइकन के ADD होला उनके स्कूल के पढ़ाई पर ध्यान टिकवले में बहुत परेसानी होला, बाकिर कवनों अइसन काम जवने में उनके मजा आवे, ओमन ऊ खूब बढ़िया से ध्यान लगावेने, जइसे खेल खेलल, चाहे अपने पसंद के कार्टून देखल, चाहे बिना कवनों नीसान लगवले वाक्य लिखल.

English : Children with ADD have a hard time focusing on things like school work, but they can concentrate on things they enjoy doing like playing games or watching their favorite cartoons or writing sentences without punctuation.



Bhojpuri : ए तरह के लईके कई बार अपना के परेसानी में डारि लेने काहे की इनकर दिमाग रोज होखे वाला सामान्य चीज से उत्तेजिन नाहीं होला ¨एसे ई खतरनाक काम करे लागेने जइसे लड़ाई क लिहल, चाहे कवनों अधिकारी से उलझ गइल¨.

English : These children tend to get into a lot of trouble, because they ¨engage in risky behaviors, get into fights, and challenge authority¨ in order to stimulate their brain, since their brain can not be stimulated by normal methods.



Bhojpuri : ADD के असर साथ के लइकन के साथ के रिस्ता पर भी पड़ेला. दूसर लईके ई नाहीं समझ पावेने की ई लईके ए तरे ब्यवहार काहें करे ताने, चाहे ए तरे काहें बोलेने, चाहे उनकर समझदारी अलग काहें बा.

English : ADD affects relationships with other peers because other children can not understand why they act the way that they do or why they spell they way they do or that their maturity level is different.



Bhojpuri : जानकारी पावे आ सीखे के योग्यता ऊपर बतावल गइल तरीका से अइसे बदल गइल ह कि जानकारी पाने के बेस रेट में भी बदलाव हो गइल ह.

English : As the ability to obtain knowledge and to learn changed in such a way as mentioned above the base rate at which knowledge was obtained changed.



Bhojpuri : जानकारी पावे के तरीका अलग रहे. अब इंडीविजुअल रिकॉल पर जोर ना रहे, बाकिर टेक्स्ट रिकॉल पर ढेर ध्यान दीहल गइल.

English : The approach to obtaining information was different. No longer did pressure reside within individual recall, but the ability to recall text became more of a focus.



Bhojpuri : अगर छोट में बात कहल जाए, त पुनर्जागरण के बाद जानकारी पावे आ ओकर प्रसार करे के तरीका में ढेर बदलाल आ गइल.

English : In essence, the Renaissance made a significant change in the approach to learning and the dissemination of knowledge.



Bhojpuri : दुसरा प्राइमेट (नर वानर गण) के तरे होमिनिड अब कउनो गति करे, भार उठावे, चाहे पेड़ के डारी पकड़ के झूले खातिर अपने हाथे क इस्तेमाल ना करेने.

English : Unlike other primates, hominids no longer use their hands in locomotion or bearing weight or swinging through the trees.



Bhojpuri : चिंपैंजी (बनमानुस) के हाथ आ गोड़ के साइज अउर लंबाई एक बरब्बर होला, जेसे ई पता चलेला कि हाथे क इस्तेमाल उंगली के बल चलत बखत सरीर के भार उठावे खातिर होला.

English : The chimpanzee´s hand and foot are similar in size and length, reflecting the hand´s use for bearing weight in knuckle walking.



Bhojpuri : इंसान के हाथ ओकरा गोड़ से छोट होला अउर उंगलियन के हड्डी ढेर सीध होले.

English : The human hand is shorter than the foot, with straighter phalanges.



Bhojpuri : 20 से 30 लाख साल पुरान हाथे के हड्डी क जीवाश्म मिलल ह जेसे ई बात के पता लागेला कि पहले गति करे (लोकोमोशन) में इस्तेमाल होवे वाला हाथ बाद में चीजन के एहर-ओहर खसकावे (मैनीप्युलेशन) में इस्तेमाल होवे लागल.

English : Fossil hand bones two million to three million years old reveal this shift in specialization of the hand from locomotion to manipulation.



Bhojpuri : कुछ लोगन ई मानेने कि कृत्रिम तरीका से साफ-साफ सपना देखे क तरीका जादातर थकावे वाला अनुभव हो सकेला.

English : Some people believe that experiencing many artificially induced lucid dreams often enough can be very exhausting.



Bhojpuri : एकर कारन अइसन साफ-साफ आवे वाला सपना ह जिनकर बिस्तार REM स्थिति के बीच में होला.

English : The main reason for this phenomenon is the result of the lucid dreams expanding the length of time between REM states.



Bhojpuri : हर राति के कम REM होला से, असली नींद के स्थिति अउर नींद से जगला के स्थिति के बीच असमानता समस्या के कारन बन जाई.

English : With fewer REMs per night, this state in which you experience actual sleep and your body recovers becomes infrequent enough to become a problem.



Bhojpuri : एसे ओही तरे थकावट होई जइसे रउआ पूरा रात हर बीस-तीस मिनट पर जाग के टीवी देखत रहने.

English : This is just as exhausting as if you were to wake up every twenty or thirty minutes and watch TV.



Bhojpuri : ई प्रभाव ए बात पर निर्भर होला कि रोज रात के राउर दिमाग केतना बार साफ-साफ सपना देखे क कोसिस करेला.

English : The effect is dependent on how often your brain attempts to lucidly dream per night.



[Day22]

Bhojpuri : उत्तरी अफ़्रीका लगभग सुरू से ही, इटली के लोगन खातिर निमन ना रहलस. 10 जून, 1940 के इटली युद्ध के घोसना करलस, अउरी एकरा एके हप्ता के भीतर ब्रिटेन के 11वाँ हुजाज, लीबिया के कपूजो के कीला पर कब्जा कर लेलस.

English : Things did not go well for the Italians in North Africa almost from the start. Within a week of Italy´s declaration of war on June 10, 1940, the British 11th Hussars had seized Fort Capuzzo in Libya.



Bhojpuri : पूर्वी बार्डिया में मुठभेड़ में, ब्रिटिश फौज इटली के दसवाँ आर्मी के इंजीनियर इन चीफ, जनरल लास्टुची के बंदी बना लेलस.

English : In an ambush east of Bardia, the British captured the Italian Tenth Army´s Engineer-in-Chief, General Lastucci.



Bhojpuri : 28 जून के, मार्शल इटालो बाल्बो, जे लीबिया देश के गवर्नर अउरी मुसोलिनी के वारिस भी रहन, उके टोब्रुक में जहाज से उतरे समय फ्रेंडली फायरिंग में मौत हो गइल रहे.

English : On June 28, Marshal Italo Balbo, the Governor-General of Libya and apparent heir to Mussolini, was killed by friendly fire while landing in Tobruk.



Bhojpuri : तलवारबाजी के आधुनिक खेल कई स्तर पर खेलल जाला, विश्वविद्यालय में पढ़े वाला छात्रन से ले के पेसेवर लेवल पर आ ओलंपिक प्रतियोगिता ले.

English : The modern sport of fencing is played at many levels, from students learning at a university to professional and Olympic competition.



Bhojpuri : मुख्य रूप से खेल के एगो लड़ाई के तरे खेलल जाला, जेमें एगो आदमी तलवार से दुसरा से लड़ेला.

English : The sport is primarily played in a duel format, one fencer dueling another.



Bhojpuri : गोल्फ एगो अइसन खेल ह जउना में खिलाड़ी गेना के मार के गड़हा में ले जाए खातिर क्लब के इस्तेमाल करेला.

English : Golf is a game in which players use clubs to hit balls into holes.



Bhojpuri : एगो नियमित खेल में अठारह गड़हा होला, जवना में खिलाड़ी आमतौर पे पहिले गड़हा से सुरू करेला अउर अठारहवां पर खतम करेला.

English : Eighteen holes are played during a regular round, with players usually starting on the first hole on the course and finishing on the eighteenth.



Bhojpuri : जवन खिलाड़ी एगो खेल पूरा करे खातिर जेतना कम स्ट्रोक आ स्विंग लेला, उ जीत जाला.

English : The player who takes the fewest strokes, or swings of the club, to complete the course wins.



Bhojpuri : खेल घास पर खेलल जाला, अउर गड़हा के चारों ओर घास के छोट रखल जाला आ ई ग्रीन कहाले.

English : The game is played on grass, and the grass around the hole is mown shorter and called the green.



Bhojpuri : सायद सबसे आम तरह के पर्यटन उहे ह जवना के अधिकतर लोग यात्रा से जोड़ेला: मनोरंजन खातिर पर्यटन.

English : Perhaps the most common type of tourism is what most people associate with traveling: Recreation tourism.



Bhojpuri : इ तब होला, जब लोग आराम करे अउर मौज-मस्ती करे खातिर अइसन जगह पर जाला जवन उनके रोज के जीवन से बहुत अलग होला.

English : This is when people go to a place that is very different from their regular day-to-day life to relax and have fun.



Bhojpuri : समुंदर के किनारा, थीम पार्क अउर कैंप ग्राउंड सबसे आम स्थान होला जहां मनोरंजक पर्यटक बार बार जाएने.

English : Beaches, theme parks and camp grounds are often the most common places frequented by recreational tourists.



Bhojpuri : अगर कउनो जगहि के यात्रा ओकरे इतिहास अउर संस्कृति के जाने खातिर कइल जात ह, त ए तरह के पर्यटन के सांस्कृतिक पर्यटन के रूप में जानल जाला.

English : If the objective of one's visit to a particular place is to get to know its history and culture then this type of tourism is known as cultural tourism.



Bhojpuri : पर्यटक कवनो देस के अलग-अलग जगहन के यात्रा कर सकेला चाहे उ खाली एगो इलाका में ही घूमे चाह सकेला.

English : Tourists may visit different landmarks of a particular country or they may simply opt to focus on just one area.



Bhojpuri : ए हरकत के देखि के उपनिवेश बनावे वाला लोग भी अऊर सेना के मांग करे लागल.

English : The Colonists, seeing this activity, had also called for reinforcements.



Bhojpuri : पहिला आ तिसरा न्यू हैंपशायर रेजिमेंट के सेना जवन आगे के जगहि मजबूत कइले रहे ओमें 200 सैनिक रहने आ कर्नल जॉन स्टार्क आ जेम्स रीड (दूनू जनी बाद में जनरल बनि गइने) ओकर नेतृत्व करत रहने.

English : Troops reinforcing the forward positions included the 1st and 3rd New Hampshire regiments of 200 men, under Colonels John Stark and James Reed (both later became generals).



Bhojpuri : उपनिवेशवादी स्थिति के उत्तर की ओर जवन बाड़ रहे ओसे सटि के स्टार्क के सैनिक लोग तैनात हो गइने.

English : Stark´s men took positions along the fence on the north end of the Colonist´s position.



Bhojpuri : जब प्रायद्वीप के उत्तर-पुरुब में मिस्टिक नदी के साथे कम ज्वार तनि जगही बनवलस, त सैनिक लोग एगो छोट के समुद्री तट पर पानी के किनारे-किनारे पत्थर के दीवार के सहारे बाड़ के बढ़ा लिहलस.

English : When low tide opened a gap along the Mystic River along the northeast of the peninsula, they quickly extended the fence with a short stone wall to the north ending at the water´s edge on a small beach.



Bhojpuri : ग्रिडली चाहे स्टार्क बाड़ के सामने लगभग 100 फीट (30 मीटर) के जगहि बनवने आ आदेस दिहने की जबले रोज के जाए वाला लोग चलि नईखे जात तबले केहु गोली नाहीं चलाई.

English : Gridley or Stark placed a stake about 100 feet (30 m) in front of the fence and ordered that no one fire until the regulars passed it.



Bhojpuri : तीन गो अलह-अलग दिसा से मिल के हमला कइले के योजना पर अमेरिका निर्भर करत रहे.

English : The American plan relied on launching coordinated attacks from three different directions.



Bhojpuri : बोर्डेनटाउन में ब्रिटेन के जवन गढ़ रहे ओकर मजबूती तूरे खातिर जनरल जॉन कैडवाल्डर दू ओर से हमला करे वाला रहने.

English : General John Cadwalder would launch a diversionary attack against the British garrison at Bordentown, in order to block off any reinforcements.



Bhojpuri : ई योजना रहे कि जनरल जेम्स इविंग ट्रेंटन फेरी में 700 सैनिकन के नदी के पार ले जइहें, असुनपिंक क्रीक पर के पुल पर कब्जा करिहें आ दुस्मन के सेना के कवनो टुकड़ी के भागे ना दीहें.

English : General James Ewing would take 700 militia across the river at Trenton Ferry, seize the bridge over the Assunpink Creek and prevent any enemy troops from escaping.



Bhojpuri : 2400 सैनिकन वाला मुख्य हमला दल ट्रेंटन के उत्तर में नौ मील दूर ले नदी के पार करी, फेरू भोर के पहिले हमला करे खातिर ग्रीन आ सुलीवन के नेतृत्व में दू भाग में बंटि जाई.

English : The main assault force of 2,400 men would cross the river nine miles north of Trenton, and then split into two groups, one under Greene and one under Sullivan, in order to launch a pre-dawn attack.



Bhojpuri : चौथाई से आधा मील के दौड़ के बदलाव के बाद, गति कम मायने रखेला आ धीरज राखल एकदम जरूरी हो जाला.

English : With the change from the quarter to the half mile run, speed becomes of much less importance and endurance becomes an absolute necessity.



Bhojpuri : निस्चित रूप से आधा मील दउरे वाला एगो पहिला स्रेनी के धावक जे दू मिनट में दौड़ पूरा क ले ओकर गति त बढ़िया होइबे करी बाकिर हर कठिन परिस्थिति के सामना करे के धैर्य भी ऊ जरूर बिकसित कइले होई.

English : Of course a first-class half-miler, a man who can beat two minutes, must be possessed of a fair amount of speed, but endurance must be cultivated at all hazards.



[Day23]

Bhojpuri : ठंडा के मौसम में देस भर में होवे वाला दौड़ में सरीर के ऊपरी भाग खातिर ब्यायाम के भी सामिल कइल जाला जवन रनिंग सीजन के सबसे बढ़िया तइयारी ह.

English : Some cross country running during the winter, combined with gymnasium work for the upper part of the body, is the best preparation for the running season.



Bhojpuri : खाली सही पोसण लेवे से सानदार प्रदर्सन नाही हो सकेला, बाकिर एसे युवा खेलाड़ियन के सेहत पर बढ़िया असर जरूर पड़ेला.

English : Proper nutritional practices alone cannot generate elite performances, but they can significantly affect young athletes´ overall wellness.



Bhojpuri : स्वस्थ ऊर्जा संतुलन बनवले से, सरीर में पानी के मात्रा ठीक रखले के अभ्यास से आ सप्लीमेंटेसन के सब पहलू के समझले से खेलाड़ी अपने प्रदर्सन में सुधार क सकेने आ खेल के आनंद भी अउरी बढ़िया तरीके से ले सकेने.

English : Maintaining a healthy energy balance, practicing effective hydration habits, and understanding the various aspects of supplementation practices can help athletes improve their performance and increase their enjoyment of the sport.



Bhojpuri : मध्यम दूरी के दौड़ तनी सस्ता खेल ह; बाकिर भाग लेवे खातिर जरूरी उपकरणन के बारे में कई गो गलत सोच बा.

English : Middle distance running is a relatively inexpensive sport; however, there are many misconceptions regarding the few pieces of equipment required to participate.



Bhojpuri : जरूरत के हिसाब से समान खरीदल जा सकेला, बाकिर जादातर सामानन के प्रदर्सन कवनो चाहे ढेर परभाव ना होला.

English : Products can be purchased as needed, but most will have little or no real impact on performance.



Bhojpuri : अइसन हो सकेला कि कवनो सामान फायदेमंद ना होखे के बाद भी खेलाड़ी ओकर इस्तेमाल करे चाहें.

English : Athletes may feel that they prefer a product even when it provides no real benefits.



Bhojpuri : परमाणु के सब पदार्थन के बनावे वाला मूलभूत खंड मानल जा सकेला.

English : The atom can be considered to be one of the fundamental building blocks of all matter.



Bhojpuri : ई एगो बहुत जटिल इकाई ह, जेमें, बोर के बनावल आसान मॉडल के हिसाब से, बीच में एगो नाभिक होला जेकरे चारो ओर इलेक्ट्रान घूमेने, कुछ-कुछ ओइसहीं जइसे सूरज के चारों ओर ग्रह घूमेने-चित्र 1.1 देखीं.

English : Its a very complex entity which consists, according to a simplified Bohr model, of a central nucleus orbited by electrons, somewhat similar to planets orbiting the sun - see Figure 1.1.



Bhojpuri : नाभिक में दू गो कण होने- न्यूट्रॉन आ प्रोटॉन.

English : The nucleus consists of two particles - neutrons and protons.



Bhojpuri : प्रोटॉन पर धनात्मक आवेस होला जब की न्यूट्रॉन पर कवनों आवेस नाहीं होला. इलेक्ट्रान पर ऋणात्मक विद्युत आवेस होला.

English : Protons have a positive electric charge while neutrons have no charge. The electrons have a negative electric charge.



Bhojpuri : पीड़ित के जांचे खातिर, सबसे पहिले रउआ के घटना वाला जगहि के जांच करके आपन सुरक्छा पक्का करे के चाही.

English : To Check the victim, you must first survey the scene to ensure your safety.



Bhojpuri : जब रउआ पीड़ित के लग्गे जानी त पीड़ित के स्थिति आ कवनों खतरा के निसान पर ध्यान देवे के चाही.

English : You need to notice the victim´s position as you approach him or her and any automatic red flags.



Bhojpuri : अगर मदद कइले के कोसिस में रउआ के अपने घाव लाग जाए त रउआ मामला के अउरी बिगाड़ देब.

English : If you get hurt trying to help, you may only serve to make matters worse.



Bhojpuri : अध्ययन से पता चलेला कि अवसाद, डर आ दुर्गति के कारण पीठ के नीचे के हिस्सा में जे के दर्द रहेला ओ लोगन में ई दर्द बढ़कर विकलांगता में बदल सकेला.

English : The study found that depression, fear and catastrophising mediated the relationship between pain and disability in lower back pain sufferers.



Bhojpuri : नियमित साप्ताहिक PA सत्र में खाली विनासकारी प्रभाव के ही असर रहेला, अवसाद चाहे डर के नाहीं.

English : Only the effects of catastrophizing, not depression and fear was conditional of regular weekly structured PA sessions.



Bhojpuri : जवन लोग नियमित काम-काज में भाग लेला ओ लोगन के ढेर सहयोग के जरूरत पड़ेला जेसे ऊ लोग दर्द के नकारात्मक रूप से ना समझे आ हमेसा होखे वाला दर्द आ बेचैनी अऊर सामान्य सारिरिक गतिविधि से होखे वाला दर्द में अंतर क सके.

English : Those participating in regular activity required more support in terms of negative perception of pain distinguishing the differences of chronic pain and discomfort feel from normal physical movement.



Bhojpuri : दृष्टि, चाहे देखले के छमता दृश्य प्रणाली संवेदी अंग चाहे आंख पर निर्भर करेले.

English : Vision, or the ability to see depends on visual system sensory organs or eyes.



Bhojpuri : आंख के कई तरह के संरचना होला, जवन जीव के जरूरत के हिसाब से कम से लेके ढेर जटिल तक होला.

English : There are many different constructions of eyes, ranging in complexity depending on the requirements of the organism.



Bhojpuri : अलग-अलग संरचना के अलग-अलग काबलियत होला, अलग-अलग तरंग-लंबाई खातिर संवेदनसीलता अलग-अलग होला आ तीक्ष्णता के अलग-अलग डिग्री होला. एकरे साथे, उनके इनपुट आ अलग-अलग संख्या ठीक से काम क सके एसे अलग-अलग तरह से प्रोसेसिंग के जरूरत पड़ेला.

English : The different constructions have different capabilities, are sensitive to different wave-lengths and have differing degrees of acuity, also they require different processing to make sense of the input and different numbers to work optimally.



Bhojpuri : एगो नियत भौगोलिक छेत्र में एक्के गो जाति के जीवन के समूह के जनसंख्या कहल जाला.

English : A population is the collection of organisms of a particular species within a given geographic area.



Bhojpuri : जब जनसंख्या के सब जीवन में कवनों खास सारिरिक लच्छन समान होखे त उनके मोनोमार्फिक कहल जाला.

English : When all individuals in a population are identical with regard to a particular phenotypic trait they are known as monomorphic.



Bhojpuri : जब प्राणियन में एक्के लच्छन के कई गो रूप मिलेला त ऊ पॉलीमार्फिक कहाने.

English : When the individuals show several variants of a particular trait they are polymorphic.



Bhojpuri : सेना चिउंटियन के समूह अलग-अलग चरण में भी चलेले आ आपन घर बनावेले.

English : Army ant colonies march and nest in different phases as well.



Bhojpuri : इहां-उहां भटकले वाला समय में, चींटियन के सेना राती के चलेले आ दिन में एक साथ रुकेले.

English : In the nomadic phase, army ants march at night and stop to camp during the day.



Bhojpuri : जब रक्खल खाना खतम हो जाला त सेना फिरू इहां-उहां भटकल सुरू करेले. ए समय में सेना अस्थायी घर बनावेले जवन रोज बदलेला.

English : The colony begins a nomadic phase when available food has decreased. During this phase, the colony makes temporary nests that are changed everyday.



[Day24]

Bhojpuri : एमे से हर भटके वाला समय लगभग 17 दिन चलेला.

English : Each of these nomadic rampages or marches lasts for approximately 17 days.



Bhojpuri : कोसिका का ह? कोसिका सब्द एगो लैटिन सब्द ¨सेला¨ से आइल बा जेकर माने ¨छोट कमरा¨ होला, आ एके सबसे पहिले एगो सूक्ष्मदर्सी से कॉर्क के संरचना में देखल गइल रहे.

English : What is a cell? The word cell comes from the Latin word ¨cella¨, meaning ¨small room¨, and it was first coined by a microscopist observing the structure of cork.



Bhojpuri : कोसिका जीवित चीजन के आधारभूत इकाई ह आ सब जीव एगो चाहे कई गो कोसिका से बनल रहेने.

English : The cell is the basic unit of all living things, and all organisms are composed of one or more cells.



Bhojpuri : कोसिका जीवन के अध्ययन खातिर एतना बुनियादी आ महत्वपूर्ण ह कि असल में एके ¨जीवन के निर्माण के इकाई¨ के रूप में समझल जाला.

English : Cells are so basic and critical to the study of life, in fact, that they are often referred to as ¨the building blocks of life¨.



Bhojpuri : तंत्रिका तंत्र खून के बहाव के ठीक राखे खातिर सरीर के माध्यम से तंत्रिका आवेग के भेज के होमियोस्टैसिस के बनवले रखेला.

English : The Nervous System maintains homeostasis by sending nerve impulses through out the body to keep the flow of blood going as well as undisturbed.



Bhojpuri : ए तंत्रिका आवेगन के पूरे सरीर में बहुत जल्दी भेजल जा सकेला जेसे सरीर के कवनों होखे वाला खतरा से बचा के रखले में मदद मिले.

English : These nerve impulses can be sent so quickly throughout the body which helps keep the body safe from any potential threat.



Bhojpuri : दूसर भयानक तूफानन के तुलना में बवंडर एगो छोट छेत्र पर हमला करेला, बाकिर ई रास्ता में आवे वाला सब चीज बर्बाद क देला.

English : Tornadoes strike a small area compared to other violent storms, but they can destroy everything in their path.



Bhojpuri : बवंडर पेड़न के उखाड़ देला, इमारतन पर से बोर्ड फारि देला, आ कारन के आसमान में उड़ा देला. दू प्रतिसत सबसे ढेर खतरनाक बवंडर तीन घंटा से अधिक समय ले चलेने.

English : Tornadoes uproot trees, rip boards from buildings, and fling cars up into the sky. The most violent two percent of tornadoes last more than three hours.



Bhojpuri : ए राक्छस जईसन तूफानन में 480 किमी/घंटा (133 मीटर/सेकेंड; 300 मील प्रति घंटे) तक के हवा बहेला.

English : These monster storms have winds up to 480 km/h (133 m/s; 300 mph).



Bhojpuri : आदमी हजारन सालन से कवनों चीज के बड़ा क के देखे खातिर लेन्सन के बनावता आ ओकर इस्तेमाल करता.

English : Humans have been making and using lenses for magnification for thousands and thousands of years.



Bhojpuri : बाकिर, पहिला सांचो के दूरबीन 16वीं सदी में यूरोप में बनावल गइल.

English : However, the first true telescopes were made in Europe in the late 16th century.



Bhojpuri : ए दूरबीनन के दू गो लेंस के मिला के बनावल रहे जेसे दूर के चीज नगीचे आ बड़हन दूनू तरह से लउके.

English : These telescopes used a combination of two lenses to make distant objects appear both nearer and larger.



Bhojpuri : लालच आ स्वार्थ हमेसा हमन के साथे रही. ई सहयोग के स्वभाव ह की जब ढेर लोगन के लाभ होला त थोड़ समय में ढेर लाभ लेवे खातिर आदमी स्वार्थी बानी जाला.

English : Greed and selfishness will always be with us and it is the nature of cooperation that when the majority benefit there will always be more to gain in the short term by acting selfishly



Bhojpuri : आसा बा की जादातार लोगन के ई बुझाई की लंबा समय ले चले वाला विकल्प एक दूसरे के साथ मिल के काम कइल ह.

English : Hopefully, most people will realise that their long term best option is to work together with others.



Bhojpuri : बहुत लोग ओ दिन के सपना देखेला जब आदमी दूसरा तारा पर जाई आ दूसर दुनिया के पता लगाई, कुछ लोगन के अचरज होला कि उहां का बा, कुछ लोग मानेला कि एलियंस आ दूसर जीवन दूसरा ग्रह पर रहि सकेला.

English : Many people dream of the day when humans can travel to another star and explore other worlds, some people wonder what´s out there some belive that aliens or other life may live on another plant.



Bhojpuri : बाकिर, अगर कब्बो अइसन भइल त भरसक बहुत लमहर समय ले ना होई. तारा कुल एतना फइलल बा कि एक तारा से ¨पड़ोसी¨ तारा के बीच में खरबों मील के दूरी बा.

English : But, if this ever does happen probably won´t happen for a very long time. The stars are so spread out that there are trillions of miles between stars that are ¨neighbors¨.



Bhojpuri : हो सकेला एक दिन, राउर परपोता लोग एलियन दुनिया के ऊपर खड़ा होके अपने पूरान पूर्वजन के बारे में अचरज करे.

English : Maybe one day, your great grandchildren will be standing atop an alien world wondering about their ancient ancestors?



Bhojpuri : जंतु कई कोसिका से मिल के बनल होने. उ चीज खाने आ ओके भितरे पचावेने. जादातर जंतु चल सकेने.

English : Animals are made of many cells. They eat things and digest them inside. Most animals can move.



Bhojpuri : खाली जंतुअन के लग्गे दिमाग होला (हालांकि कुल जंतुअन के लग्गे दिमाग ना होला जइसे कि जेलिफ़िस).

English : Only animals have brains (though not even all animals do; jellyfish, for example, do not have brains).



Bhojpuri : जंतु पूरा धरती पर पावल जाने. उ जमीन पर होने, समुद्र में तैरेने आ आसमान में उड़ेने.

English : Animals are found all over the earth. They dig in the ground, swim in the oceans, and fly in the sky.



Bhojpuri : कोसिका एगो जीवित (चीज) जीव के सबसे छोट संरचनात्मक आ कार्यात्मक इकाई होला.

English : A cell is the smallest structural and functional unit of a living (things) organism.



Bhojpuri : सेल लैटिन सब्द cella से बनल बा जेकर माने होला छोट कमरा.

English : Cell comes from the Latin word cella which means small room.



Bhojpuri : अगर रउआ सूक्ष्मदर्सी से जीवित चीजन के देखतानी, त रउआ देखब कि ऊ छोट-छोट-छोट वर्ग चाहे गेंद से बनल होने.

English : If you look at living things under a microscope, you will see that they are made of small squares or balls.



Bhojpuri : इंग्लैंड के जीवविज्ञानी, रॉबर्ट हुक सूक्ष्मदर्सी से कॉर्क में छोट-छोट वर्ग देखने.

English : Robert Hooke, a biologist from England, saw small squares in cork with a microscope.



Bhojpuri : ऊ कमरा के तरे लागत रहे. ऊ मरल कोसिका के देखे वाला पहिला आदमी रहने.

English : They looked like rooms. He was the first person to observe dead cells



[Day25]

Bhojpuri : तत्व आ यौगिक एक अवस्था से दूसरे अवस्था में जा सकेला, बाकिर बदलेला नाहीं.

English : Elements and compounds can move from one state to another and not change.



Bhojpuri : गैस के रूप में नाइट्रोजन में अबहिनो तरल नाइट्रोजन के जइसने गुण होला. द्रव अवस्था सघन होला बाकिर अणु अबहिनो ओही तरे होला.

English : Nitrogen as a gas still has the same properties as liquid nitrogen. The liquid state is denser but the molecules are still the same.



Bhojpuri : पानी एगो अउर उदाहरण ह. यौगिक पानी हाइड्रोजन के दू गो परमाणु आ ऑक्सीजन के एगो परमाणु से बनेला.

English : Water is another example. The compound water is made up of two hydrogen atoms and one oxygen atom.



Bhojpuri : एकर आणविक रचना एक समान होला चाहे उ गैस होखे, तरल होखे चाहे ठोस होखे.

English : It has the same molecular structure whether it is a gas, liquid, or solid.



Bhojpuri : अइसे त एकर भौतिक अवस्था बदल सकेला, बाकिर एकर रासायनिक अवस्था एक जइसन ही रहेला.

English : Although its physical state may change, its chemical state remains the same.



Bhojpuri : समय एगो अइसन चीज ह जवन हमन के चारो ओर बा आ हमनी के जवन कुछ भी करेनीं ऊ ओपर आपन असर डालेला, तब्बो एके समझल कठिन बा.

English : Time is something that is all around us, and affects everything we do, yet is difficult to understand.



Bhojpuri : हजारन बरिस से धर्म, दर्सन आ बिज्ञान के ज्ञानी लोग समय के अध्ययन करता.

English : Time has been studied by religious, philosophical, and scientific scholars for thousands of years.



Bhojpuri : हमनीं के सामने से घटना भविस्य से वर्तमान आ फिर अतीत बनके बीतल जाला.

English : We experience time as a series of events passing from the future through the present to the past.



Bhojpuri : समय इहो होला कि हमन के घटना के समय (लंबाई) के तुलना कवने तरीका से करतानी.

English : Time is also how we compare the duration (length) of events.



Bhojpuri : रउआ एगो चक्रीय घटना के दोहराव के देख के खुद समय के बितले के पहिचान बना सकेलीं. चक्रीय घटना अइसन चीज होला जवन नियमित रूप से बार-बार होला.

English : You can mark the passing of time yourself by observing the repetition of a cyclical event. A cyclical event is something that happens again and again regularly.



Bhojpuri : आजकल कंप्यूटर के उपयोग फ़ोटो आ विडियो में फेरबदल करे खातिर होला.

English : Computers today are used to manipulate pictures and videos.



Bhojpuri : कंप्यूटर पर बहुत बढ़िया दर्जा के एनिमेसन बनावल जा सकेला, आ ए तरह के एनिमेसन के टेलिविज़न आ फिल्मन में तेजी से इस्तेमाल कईल जाता.

English : Sophisticated animations can be constructed on computers, and this kind of animation is increasingly being used in television and films.



Bhojpuri : अकसर संगीत के रिकार्ड कइले में आवाज के प्रोसेस करे आ मिलावे खातिर उच्च कोटि के कंप्यूटरन के इस्तेमाल कईल जाता.

English : Music is often recorded using sophisticated computers to process and mix sounds together.



Bhojpuri : उन्नीसवां आ बीसवां सताब्दी में एगो लंबा समय ले, इ मानल जात रहे कि न्यूजीलैंड के पहिला निवासी माओरी लोग रहे, जवन मोआस नाम के बड़ पक्छियन के सिकार करे.

English : For a long time during the nineteenth and twentieth centuries, it was believed the first inhabitants of New Zealand were the Maori people, who hunted giant birds called moas.



Bhojpuri : ए सिद्धांत से तब इ विचार बनावल गईल कि माओरी लोग एगो ग्रेट फ़्लीट (बहुत बड़ बेड़ा) में पोलिनेसिया से आइल आ मोरियोरी से न्यूजीलैंड के हथिया के इहां एगो खेती करे वाला समाज के स्थापना कइलस.

English : The theory then established the idea that the Maori people migrated from Polynesia in a Great Fleet and took New Zealand from the Moriori, establishing an agricultural society.



Bhojpuri : बाकिर, नया सबूत बतावता कि मोरियोरी मुख्य भूमि माओरी के एगो समूह रहे जवन न्यूजीलैंड से चैथम द्वीप में आइल आ आपन अलग, सांति पसंद करे वाली संस्कृति विकसित कइलस.

English : However, new evidence suggests that the Moriori were a group of mainland Maori who migrated from New Zealand to the Chatham Islands, developing their own distinctive, peaceful culture.



Bhojpuri : चैथम द्वीप पर एगो अउर जनजाति माओरी भी रहे, जवन न्यूजीलैंड से माइग्रेट होके आइल रहे.

English : There was also another tribe on the Chatham islands these were Maori who migrated away from New Zealand.



Bhojpuri : उ लोग खुद के मोरियोरी कहे लागल, कुछ झगड़ा भईल आ अंत में, मोरियोरी के सफाया हो गईल.

English : They called themselves the Moriori there were a few skirmishes and in the end, the Moriori were wiped out



Bhojpuri : कई दसकन से जुड़ल लोग कठिनाई आ इहां तक ​​कि असफलता के खुलके आकलन क के हमन के आपन ताकत आ जुनून के सराहना कईले में मदद कईल.

English : Individuals who had been involved for several decades helped us appreciate our strengths and passions while candidly assessing difficulties and even failures.



Bhojpuri : लोगन के व्यक्तिगत, पारिवारिक आ संगठन के कहानी सुनत हमन के अतीत के, आ ओ लोगन के बारे में जानकारी मिलल जवन लोग संगठन के संस्कृति पर अच्छा चाहे खराब असर डलले रहे.

English : While listening to individuals share their individual, family, and organizational stories, we gained valuable insight into the past and some of the personalities who influenced for good or ill the culture of the organization.



Bhojpuri : केहू के इतिहास के समझला से संस्कृति के समझ नाहीं आवेला, बाकिर ई कम से कम लोगन के ई समझले में मदद करेला कि उ लोग संगठन के इतिहास में कहां खड़ा बा.

English : While understanding one's history does not assume understanding of culture, it does at least help people gain a sense of where they fall within the history of the organization.



Bhojpuri : जबकि सफलता के आकलन करत आ विफलता के बारे में जानकारी हासिल करत समय, लोग आ कुल प्रतिभागी, संगठन के मूल्य, लक्ष्य आ प्रेरणा के बारे में गहराई से जानेला.

English : While assessing the successes and becoming aware of failures, individuals and the whole of the participating persons discover more deeply the values, mission, and driving forces of the organization.



Bhojpuri : ए उदाहरण में, उद्यमसीलता आ ओसे मिले वाली सफलता के पिछला उदाहरण के याद कइला पर लोग स्थानीय चर्च खातिर नया बदलाव आ नया दिसा के खुला मन से मनलस.

English : In this instance, recalling previous instances of entrepreneurial behavior and resulting successes helped people to be open to new changes and new direction for the local church.



Bhojpuri : सफलता के अइसन कहानियन से बदलाव के लेके होवे वाला डर कम भइल आ भविष्य में बदलाव के ढेर खुला मन से माने के प्रवृत्ति बढ़ल.

English : Such success stories lessened the fears of change, while creating positive inclinations toward change in the future.



Bhojpuri : कन्वर्जेंट थिंकिंग के पैटर्न, समस्या के ठीक करे वाला ऊ तरीका हs जेकरा में अलग-अलग तरकीब या फ़ील्ड के उपयोग, समस्या के समाधान ढूँढे खातिर करल जाला.

English : Convergent thinking patterns are problem solving techniques that unite different ideas or fields to find a solution.



[Day26]

Bhojpuri : अइसन मानसिकता में मुख्य ध्यान तेज गति, तर्क अउरी कोनो चीज केतना सटीक बा, एकरा पर रहेला. एकरा साथे, तथ्य के पहिचान करे, पहिले से अपनावल तरीका फेर से लगावे के अउरी जानकारी जुटावे पर भी ध्यान रहेला.

English : The focus of this mindset is speed, logic and accuracy, also identification of facts, reapplying existing techniques, gathering information.



Bhojpuri : इ मानसिकता के सबसे महत्वपूर्ण कारक बा : केवल एक्के गो सही उत्तर. रउव्वा केवल दू उत्तर के बारे में सोचे लीं सही या गलत.

English : The most important factor of this mindset is: there is only one correct answer. You only think of two answers, namely right or wrong.



Bhojpuri : एकरा जइसन सोच में एगो खास किसिम के विज्ञान या एक सामान्य प्रक्रिया जुड़ल बा.

English : This type of thinking is associated with certain science or standard procedures.



Bhojpuri : अइसन सोच रखे वाला लोग तार्किक सोच रखे लें, पैटर्न के याद रखे में, समस्या के हल करे में आउर वैज्ञानिक परीक्षण पर काम करे में सक्षम होखे लें.

English : People with this type of thinking have logical thinking, are able to memorize patterns, solve problems and work on scientific tests.



Bhojpuri : दूसरा के दिमाग पढ़ले में अबहीन ले आदमी के प्रजाति सबसे ढेर प्रतिभासाली बा.

English : Humans are by far the most talented species in reading the minds of others.



Bhojpuri : एकर माने हमन के ठीक-ठीक ई बता सकेनी की दूसर आदमी का बूझता, ओकर का इरादा बा, कवने चीज में बिस्वास करता, का जानता चाहे का चाहता.

English : That means we are able to successfully predict what other humans perceive, intend, believe, know or desire.



Bhojpuri : ए सब काबलियत में दूसरा के इरादा समझल सबसे ढेर खास बा. ई हमन के सारिरिक क्रिया में होखे वालाा अस्पष्टता के समझे के मौका देला.

English : Among these abilities, understanding the intention of others is crucial. It allows us to resolve possible ambiguities of physical actions.



Bhojpuri : जइसे, अगर रउआ केहू के कार के खिड़की तूरत देखब त रउआ भरसक ई मान लेब की ऊ आदमी कवनों अजनबी के कार चोरवले के कोसिस करता.

English : For example, if you were to see someone breaking a car window, you would probably assume he was trying to steal a stranger's car.



Bhojpuri : अगर ओ आदमी के कार के चाभी बिला गइल होखे आ एसे ऊ अपनहीं कार के खिड़की तुरले के कोसिस करत होखे त ओकर आकलन अलग तरीका से करे के जरूरत पड़ी.

English : He would need to be judged differently if he had lost his car keys and it was his own car that he was trying to break into.



Bhojpuri : MRI एगो भौतिक सिद्धांत पर काम करेला जेके परमाणु चुंबकीय अनुनाद (NMR) कहल जाला आ एकर खोज 1930 के दसक में फेलिक्स बलोच (स्टैनफोर्ड विश्वविद्यालय में काम करत रहने) आ एडवर्ड परसेल (हार्वर्ड विश्वविद्यालय के) कइले रहने.

English : MRI is based on a physics phenomenon called nuclear magnetic resonance (NMR), which was discovered in the 1930s by Felix Bloch (working at Stanford University) and Edward Purcell (from Harvard University).



Bhojpuri : ए अनुनाद में, चुंबकीय छेत्र आ रेडियो तरंग के नाते परमाणु छोट-छोट रेडियो सिग्नल निकालेला.

English : In this resonance, magnetic field and radio waves cause atoms to give off tiny radio signals.



Bhojpuri : 1970 में, एगो चिकित्सक आ सोध करे वाला बैज्ञानिक, रेमंड डैमडियन, बीमारी के पकड़े खातिर एगो उपकरण बनवले में चुंबकीय अनुनाद इमेजिंग के इस्तेमाल कइने.

English : In the year 1970, Raymond Damadian, a medical doctor and research scientist, discovered the basis for using magnetic resonance imaging as a tool for medical diagnosis.



Bhojpuri : चार बरिस बाद एगो पेटेंट कइल गइल जवन MRI के छेत्र में जारी कइल दुनिया के पहिला पेटेंट रहे.

English : Four years later a patent was granted, which was the world´s first patent issued in the field of MRI.



Bhojpuri : 1977 में डॉ. डैमेडियन पहिला "होल-बॉडी"MRI स्कैनर के बनवले के काम पूरा कइने जेके"इन्डोमिटेबल" कहल जाला.

English : In 1977, Dr. Damadian completed the construction of the first "whole-body" MRI scanner, which he called the "Indomitable".



Bhojpuri : एसिंक्रोनस कम्युनिकेशन में दूसरन के बात पर विचार करे आ प्रतिक्रिया देवे खातिर समय दीहल जाला.

English : Asynchronous communication encourages time for reflection and reaction to others.



Bhojpuri : इ छात्रन के अपने गति से काम कईले आ निर्देसात्मक जानकारी के गति के काबू कईले के छमता देला.

English : It allows students the ability to work at their own pace and control the pace of instructional information.



Bhojpuri : एकरे अलावा, कामकाज के घंटा चुने के सुविधा होखे से समय से जुड़ल पाबंदी कम होला. (ब्रेमर, 1998).

English : In addition, there are fewer time restrictions with the possibility of flexible working hours. (Bremer, 1998)



Bhojpuri : इंटरनेट आ वर्ल्ड वाइड वेब (World Wide Web) के इस्तेमाल से विद्यार्थियन के हर समय जानकारी पावे के सुबिधा मिलेला.

English : The use of the Internet and the World Wide Web allows learners to have access to information at all times.



Bhojpuri : छात्र दिन के कवनो भी समय प्रसिक्छकन से सवाल पूछ सकेने आ उनके जल्दिए जवाब मिल जाला अउर जवाब खातिर उनके अगला बार आमने-सामने के मुलाकात अगोरे के ना पड़ेला.

English : Students can also submit questions to instructors at any time of day and expect reasonably quick responses, rather than waiting until the next face-to-face meeting.



Bhojpuri : सीखे के पोस्ट मॉडर्न तरीका में कवनों एक चीज के सबसे सही माने पर बल ना दीहल जाला. एमें ई बात मानल जाला कि कउनो एक तरीका ही सीखे के सबसे बढ़िया तरीका ना होला.

English : The postmodern approach to learning offers the freedom from absolutes. There is no one good way to learn.



Bhojpuri : असल में, सिखला खातिर कउनो एके चीज बढ़िया नइखे. सीखे वाला आ सिखावल गइल ज्ञान के अनुभव के बीच में सीखे के प्रक्रिया चलेला.

English : In fact, there is not one good thing to learn.Learning takes place in the experience between the learner and the knowledge presented.



Bhojpuri : डू-इट-योरसेल्फ आ जानकारी प्रस्तुत करे वाला, सिक्छण-आधारित टेलीविज़न सो के साथ, हमन के अबहीन के अनुभव ए बात के विस्तार से बतावेला.

English : Our current experience with all the do-it-yourself and information presenting, learning-based television shows illustrates this point.



Bhojpuri : हमन में से बहुत लोग टीवी सो देखेला जवने में हमन के एगो अइसन तरीका चाहे अनुभव के बारे में बतावल जाला जवना में हमन के कब्बो भाग नाहीं लिहल जाई चाहे ओ ग्यान के लागू नहीं कईल जाई.

English : So many of us find ourselves watching a television show that informs us of a process or experience in which we will never participate or apply that knowledge.



Bhojpuri : हमन के कब्बो एगो कार के मरम्मत नाहीं कईल जाई, अपने मकान के पीछे एगो फव्वारा नाहीं बनावल जाई, प्राचीन खंडहरन के जांच करे के खातिर पेरू के यात्रा नाहीं कईल जाई चाहे अपने पड़ोसी के घर के फिर से तइयार नाहीं कईल जाई.

English : We will never overhaul a car, build a fountain in our backyard, travel to Peru to examine ancient ruins, or remodel our neighbour´s house.



Bhojpuri : यूरोप ले समुद्र के नीचे के फाइबर ऑप्टिक केबल लिंक आ ब्रॉडबैंड सैटेलाइट के कारन ग्रीनलैंड इंटरनेट कनेक्सन वाला 93% आबादी के संगे जुड़ल बा.

English : Thanks to undersea fiber optic cable links to Europe and broadband satellite, Greenland is well connected with 93% of the population having internet access.



[Day27]

Bhojpuri : रउआ होटल में, चाहे जहां रुकल बानी (अगर रउआ कवनो अतिथि गृह चाहे केहु के घरे में रुकल बानी), ऊहां भरसक वाई-फाई चाहे इंटरनेट से जुड़ल PC होई आ सब बस्तियन में इंटरनेट कैफे चाहे सार्वजनिक वाई-फाई के साथ कुछ जगहि होई.

English : Your hotel or hosts (if staying in a guesthouse or private home) will likely have wifi or an internet connected PC, and all settlements have an internet cafe or some location with public wifi.



Bhojpuri : जइसे कि ऊपर बतावल गइल बा, भले ¨एस्किमो¨ सब्द अबहिंयो अमेरिका में स्वीकार कइल जाला, एकरा बहुत सारा गैर-अमेरिकी आर्कटिक लोगन के बीच, बिसेस रूप से कनाडा में बहुत अपमानजनक मानल जाला.

English : As mentioned above, though the word ¨Eskimo¨ remains acceptable in the United States, it is considered pejorative by many non-U.S. Arctic peoples, especially in Canada.



Bhojpuri : रउआ भले ई सब्द ग्रीनलैंड के स्थानीय निवासी के मूँह से सुनले होखम, लेकिन बिदेसी लोगन के ई सब्द के प्रयोग करे से बचे के चाहीं.

English : While you may hear the word used by Greenlandic Natives, its use should be avoided by foreigners.



Bhojpuri : ग्रीनलैड के स्थानीय निवासी कनाडा में खुद के इन्यूइट कहेलन अउरी ग्रीनलैंड में कालालेक (बहुवचन में कालालिट कहल जाला) कहेलन जेकर मतलब हs ग्रीनलैड के मूल निवासी.

English : The native inhabitants of Greenland call themselves Inuit in Canada and Kalaalleq (plural Kalaallit), a Greenlander, in Greenland.



Bhojpuri : अपराध, अउर सामान्य रूप से विदेशियन के प्रति दुर्भावना, ग्रीनलैंड में लगभग नइखे। कस्बन में भी, ¨उबड़-खाबड़ इलाके¨ नइखे।

English : Crime, and ill-will toward foreigners in general, is virtually unknown in Greenland. Even in the towns, there are no ¨rough areas.¨



Bhojpuri : न तइयार रहला पर, ठंड के मौसम सायद एकइ अइसन खतरा बा जेकर सामना करे के पड़ सकेला.

English : Cold weather is perhaps the only real danger the unprepared will face.



Bhojpuri : जदि रउवा जाड़ा के मौसम में ग्रीनलैंड क यात्रा करेलीं (ई देखत के कि रउवा जेतना उत्तर के ओर जाइब, उहाँ ओतना ही ठंडा होखी), तs काम भर के गरम कपड़ा लिहल जरूरी बा।

English : If you visit Greenland during cold seasons (considering that the further north you go, the colder it will be), it is essential to bring warm enough clothing.



Bhojpuri : गर्मियन में बहुत लंबा दिन पर्याप्त नींद लेवेअउर संबंधित स्वास्थ्य समस्याओं के कारण बन सकेला।

English : The very long days in the summer can lead to problems getting sufficient sleep and associated health issues.



Bhojpuri : गर्मियन में, नॉर्डिक मच्छरन से भी सावधान रहीं। हालांकि उ कवानों बीमारी के प्रसारित ना करेलन लेकिन परेसान कइ सकेलन।

English : During the summer, also watch out for the Nordic mosquitoes. Although they do not transmit any diseases, they can be irritating.



Bhojpuri : जबके सैन फ्रांसिस्को के अर्थव्यवस्था विश्वस्तरीय पर्यटन आकर्षण से जुडल बा, एकर अर्थव्यवस्था तरह-तरह के बा।

English : While San Francisco´s economy is linked to it being a world-class tourist attraction, its economy is diversified.



Bhojpuri : सबसे बड़हन रोजगार छेत्रन में पेसेवर सेवा, सरकार, वित्त, व्यापार अउर पर्यटन सामिल ह.

English : The largest employment sectors are professional services, government, finance, trade, and tourism.



Bhojpuri : संगीत, सिनेमा, साहित्य अउर परसिद्ध संसकिरती में एकर चित्रण ई सहर अउर एकर जगहन के पूरा दुनियाँ में परसिद्ध बनवाला में सहायता कइलस ह।

English : Its frequent portrayal in music, films, literature and popular culture has helped make the city and its landmarks known throughout the world.



Bhojpuri : सैन फ्रांसिस्को कईगो होटल, रेस्तरां, सिर्स सम्मेलन खातिर सुबिधा का संगे एगो बड़का पर्यटन के बुनियादी ढांचा बिकसित कईले बा

English : San Francisco has developed a large tourist infrastructure with numerous hotels, restaurants, and top-notch convention facilities.



Bhojpuri : सैन फ्रांसिस्को दुसर एसियाई खाना: कोरियाई, थाई, भारतीय, जापानी,खातिर अपना देस में सबसे नीमन जगह में से एगो बा

English : San Francisco is also one of the best places in the nation for other Asian cuisine: Korean, Thai, Indian, and Japanese.



Bhojpuri : कई गो अमरीकी परिवार्न खातिर वाल्ट डीजनी वर्ल्ड के देखल एगो खास तीरथ यातरा नाहीन बा।

English : Traveling to Walt Disney World represents a major pilgrimage for many American families.



Bhojpuri : ई ¨बिसेस¨ यातरा में ओरलनदों हवाई अड्डा में उड़ान भरल, साइट पर डीजनी होटल खातिर बस, डीजनी के जगह छोडला बिना एक सप्ताह उहिजा बितावल, अउर घर वापिस आवेके।

English : The ¨typical¨ visit involves flying into Orlando International Airport, busing to an on-site Disney hotel, spending about a week without leaving Disney property, and returning home.



Bhojpuri : बहुते तरह के संभावना बा पर जब केहु कहेला की ¨ डीजनी वर्ल्ड जाएके बा¨ ओकर इहे मतलब होला।

English : There are infinite variations possible, but this remains what most people mean when they talk of ¨going to Disney World¨.



Bhojpuri : नीलामी वेबसाइट जइसन के इबे अउर क्रेग्लिस्ट का सहायता से ऑनलाइन बेचे जाएवाला कईगो टिकट आंशिक रूप से इस्तेमाल बहू दिवसीय पार्क-हुपर टिकट होला।

English : Many tickets sold online through auction websites such as eBay or Craigslist are partially used multi-day park-hopper tickets.



Bhojpuri : अइसे त ई एगो सामान्य परकिरया बा, डीजनी एकरा के परतिबंधित कइले बाड़न: टिकट हस्तांतरीय नईखे।

English : While this is a very common activity, it is prohibited by Disney: the tickets are non-transferable.



Bhojpuri : ग्रैंड कैन्यन के किनारा से नीचे जाके कैम्पिंग करे खातिर रउआ के Backcountry से परमिट लेवे के पड़ी.

English : Any camping below the rim in Grand Canyon requires a backcountry permit.



Bhojpuri : कैन्यन के भीड़-भाड़ से बचावे खातिर परमिट के संख्या सीमित रखल जाला अउर एकर बुकिंग महीना के पहिला दिन शुरू होखेला जेकर यात्रा सुरू होखे के चार महीना पहिले करल जाला.

English : Permits are limited to protect the canyon, and become available on the 1st day of the month, four months prior to the start month.



Bhojpuri : एहे खातिर, Backcountry शुरू करे खातिर मई में कोनो दिन के परमिसन देवेला जे 1 जनवरी के उपलब्ध हो जाला.

English : Thus, a backcountry permit for any start date in May becomes available on 1 Jan.



Bhojpuri : जादातर लोकप्रिय इलाका में जगह, जइसे कि Bright Angel Campground जे Phantom Ranch के पास स्थित बा, बुकिंग सुरू होखे के पहिले दिन फुल हो जाला.

English : Space for the most popular areas, such as the Bright Angel Campground adjacent to Phantom Ranch, generally fill up by the requests received on first date they are opened to reservations.



Bhojpuri : वॉक इन रिक्वेस्ट खातिर बहुत कमे परमिट रिजर्व रखल जाला जे पहिले-आवs पहिले पावs के आधार पर देहल जाला.

English : There are a limited number permits reserved for walk-in requests available on a first come, first served basis.



Bhojpuri : कार से साउथ अफ्रीका में घुसल उ कुल्ह क्षेत्र के सुंदरता के देखला के संगे संगे सामान्य पर्यटन रास्ता से दूर के जगहन पर जाएके एगो अद्भुत तरीका बा।

English : Entering Southern Africa by car is an amazing way to see all the region´s beauty as well as to get to places off the normal tourist routes.



[Day28]

Bhojpuri : इ सावधानी से योजना बना के एगो सामान्य कर से कइल जा सकेला पर 4x4 खातिर सलाह दिहाल जला कहे के बहुत जगह ऊंचा व्हील बेस वाला 4x4 से ही पहुंचल जा सकेला।

English : This can be done in a normal car with careful planning but a 4x4 is highly advised and many locations are only accessible with a high wheel base 4x4.



Bhojpuri : योजना बनवाला के समय ध्यान दीहीं के दक्षिणी अफरिका एगो स्थिर देस बा पर अगल बगल वाला देस स्थिर नईखे।

English : Keep in mind while planning that although Southern Africa is stable not all neighboring countries are.



Bhojpuri : वीजा के आवस्कता अउर खर्चा अलग अलग देस में अलग अलग बा अउर उ रऊंआं जवान देस से आईंला उकरा पर भी निर्भर करेला।

English : Visa requirements and costs vary from nation to nation and are affected by the country you come from.



Bhojpuri : कार में का का आपातकालीन जरूरी समान होखेके चाहिँ एकरा खातिर हरेक देस में एगो आपन कानून बा।

English : Each country also has unique laws requiring what emergency items need to be in the car.



Bhojpuri : विक्टोरिया फॉल्स ज़िम्बाब्वे कापछिमहिस्सा में लिविंगस्टोन, जाम्बिया अउर बोत्सवाना का लग्गे के सीमा के पार एगोसहर ब।

English : Victoria Falls is a town in the western portion of Zimbabwe, across the border from Livingstone, Zambia, and near Botswana.



Bhojpuri : सहर झरना के ठीक बगल में बा, अउर उ प्रमुख आकर्षनह,पनइ परसिद्ध पर्यटन स्थल साहसिकखेल चाहे वालन अउरदेखे वालनदुन्नों के लांबा समय ले ठहरे के भरपूर अवसर पदान करेला।

English : The town lies immediately next to the falls, and they are the major attraction, but this popular tourist destination offers both adventure seekers and sightseers plenty of opportunities for a longer stay.



Bhojpuri : बरखा के महिना में (नवंबर से मार्च) पानी के मात्रा अधिका रहेला अउर झरना बहुते नाटकीय हो जाला।

English : In the rainy season (November to March), the water volume will be higher and the Falls will be more dramatic.



Bhojpuri : जदीरऊंआं पुल पार करींला भा जलप्रपात के लग्गे घुमावदार पगडंडियों पर चलींला त राउर भीगे के गारंटी बा।

English : You are guaranteed to get wet if you cross the bridge or walk along the trails winding near the Falls.



Bhojpuri : दूसरा ओर एतना पानी के चलते वास्तविक झरना देखे में राउर नजर असपष्ट हो जायी काहे के पानी मातरा बहुते अधिका बा।

English : On the other hand, it is precisely because the volume of water is so high that your viewing of the actual Falls will be obscured—by all the water!



Bhojpuri : तूतनखामुन के मकबरा (KV62)। KV62 घाटी के मकबरन में सबसे प्रसिद्ध हो सकेला, 1922मेंहॉवर्ड कार्टर के खोज के दृश्य जवनयुवा राजा के लगभग सही हालत में शाही कबर बा।

English : Tomb of Tutankhamun (KV62). KV62 may be the most famous of the tombs in the Valley, the scene of Howard Carter´s 1922 discovery of the almost intact royal burial of the young king.



Bhojpuri : बाकी सही कबरन के तुलना में तूतनखामुन के मकबरा बहुते छोट अउर कम सजावाल बा जेकरा से एकरा के देखला में मुसकिल आवेला।

English : Compared to most of the other royal tombs, however, the tomb of Tutankhamun is barely worth visiting, being much smaller and with limited decoration.



Bhojpuri : कौनों व्यक्ति जेकरा के ताबूत में से ममी निकलला के कोसिस में भईल नुकसान देखला के रुचि बा उकरा के निरासा होई कहे के खाली सिर अउर कंधा लउकता।

English : Anyone interested in seeing evidence of the damage to the mummy done during attempts to remove it from the coffin will be disappointed as only the head and shoulders are visible.



Bhojpuri : मकबारा के सानदार दौलत अब इहाँ नईखे इ काहिरा के मिश्र संग्राहालय में रख दिहाल बा।

English : The fabulous riches of the tomb are no longer in it, but have been removed to the Egyptian Museum in Cairo.



Bhojpuri : कम समय वाला आएवालन के सलाह बा की आपन समय कहीं अउर बिता लीहीन।

English : Visitors with limited time would be best to spend their time elsewhere.



Bhojpuri : नोम क्रॉम, सिएम रीप से 12 किमी दक्षिण-पश्चिम मेंबा।ई पहाड़ी मंदिर 9वीं शताब्दी के अंत में राजा यशोवर्मन के शासनकाल के दौरान बनावल गइल रहे।

English : Phnom Krom, 12 km southwest of Siem Reap. This hilltop temple was built at the end of the 9th century, during the reign of King Yasovarman.



Bhojpuri : मंदिर का गमगीन वातावरण अउर टोनले सैप झील के नजारा पहाड़ी के चढ़ाई के सार्थक बनावेला।

English : The gloomy atmosphere of the temple and the view over the Tonle Sap lake make the climb to the hill worthwhile.



Bhojpuri : साइट के यात्रा अउर झील में नाव से सैर, इ दोनों प्रोग्राम बिना दिक्कत के एक साथ बनावल जा सकेला.

English : A visit to the site can be conveniently combined with a boat trip to the lake.



Bhojpuri : मंदिर में परवेस खातिर अंगकोर पास के जरूरत होला, एही से जब टोनले सैप जाईं त आपन पासपोर्ट संगे लिहल न भुलाईं।

English : The Angkor Pass is needed to enter the temple so do not forget to bring your passport along when heading to Tonle Sap.



Bhojpuri : यरुशलम इज़राइल के राजधानी अउर सबसे बड़ा सहर बा, पर बहुत सा दुसर देस अउर संयुक्त राष्ट्र एकरा के इज़राइल के राजधानीके रूप में मान्यता ना देला।

English : Jerusalem is the capital and largest city of Israel, though most other countries and the United Nations do not recognize it as Israel´s capital.



Bhojpuri : जूडियन हिल्स के प्राचीन सहर के हजारों साल पुरानएगो आकर्षक इतिहास बा।

English : The ancient city in the Judean Hills has a fascinating history spanning thousands of years.



Bhojpuri : ईसहर तीन अद्वैतवाद-संबंधी धर्मन - यहूदी धर्म, ईसाई धर्म अउर इस्लाम खातिर पवित्रबा, अउर एक आध्यात्मिक, धार्मिक अउरसांस्कृतिक केंद्र के रूप में कार्य करेला।

English : The city is holy to the three monotheistic religions - Judaism, Christianity and Islam, and serves as a spiritual, religious, and cultural center.



Bhojpuri : सहर के धार्मिक महत्व अउरविशेष रूप से ओल्ड सिटी क्षेत्र के कईगोस्थलन के कारण, यरुशलम इजरायल के मुख्य पर्यटन स्थलन में से एगो बा।

English : Due to the religious significance of the city, and in particular the many sites of the Old City area, Jerusalem is one of the main tourist destinations in Israel.



Bhojpuri : यरुशलम में जीवंत अउर भीड़-भाड़ वाला शॉपिंग सेंटर, कैफे अउर रेस्तरां के संगे-संगे कई ऐतिहासिक, पुरातत्व अउर सांस्कृतिक स्थल बा।

English : Jerusalem has many historic, archeological and cultural sites, along with vibrant and crowded shopping centers, cafés, and restaurants.



Bhojpuri : इक्वाडोर के सरकार ई नियम बनवेले ह कि क्यूबा के नागरिकन के ईहां आवे खातिर अंतरराष्ट्रीय हवाई अड्डा चाहे सीमा के एडमिशन पॉइंट से एगो आमंत्रण पत्र लेवे के पड़ी।

English : Ecuador requires that Cuban citizens receive an invitation letter prior to entering Ecuador through international airports or frontier admission points.



Bhojpuri : इ पत्र के इक्वाडोर के विदेश मंत्रालय द्वारा वैध कईल जाये के चाहिँ, अउर कुछउ आवश्यकतावनके पालन करेके चाहिँ।

English : This letter must be legalized by the Ecuadorian Ministry of Foreign Affairs, and comply with certain requirements.



[Day29]

Bhojpuri : इसब आवश्यकतावनकेदुनों देसान के बीच एगो संगठित प्रवासी प्रवाह प्रदान करे खातिर डिज़ाइन कइल बा।

English : These requirements are designed to provide an organized migratory flow between both countries.



Bhojpuri : क्यूबा के नागरिक जे यूएस ग्रीन कार्ड धारक बाड़े, उंकरा के इसब आवश्यकतावन से छूट प्राप्त करे खातिर इक्वाडोर के वाणिज्य दूतावास के दौरा करे के चाहिँ।

English : Cuban citizens who are US green card holders should visit an Ecuadorian Consulate to obtain an exemption to this requirement.



Bhojpuri : राउर पासपोर्ट राउर यातराके तारीखन के बाद कम से कम 6 महीना खातिर वैध होखे के चाहिँ। राउर ठहरलाके अवधि के साबित करे खातिर एगो राउंड/आगे यातरा टिकट के जारूरत बा ।

English : Your passport must be valid for at least 6 months beyond your travel dates. A round/onward trip ticket is needed to prove the length of your stay.



Bhojpuri : बाद समूह में यातरा सासता होला,एहीसे जड़ी रऊंआं अकेल भा एगो संगी के साथे बानी, त दुसरण से मिले के कोसिस करीं अउर चार से छः जाना के समूह बनायीं जेसे पार्टी व्यक्ति खरचा काम हो जायी।

English : Tours are cheaper for larger groups, so if you´re by yourself or with just one friend, try to meet other people and form a group of four to six for a better per-person rate.



Bhojpuri : हालांकि, इ वास्तव में राउर चिंता के विषय ना होखे के चाहिँ, काहेके अक्सर पर्यटकण के कार में भरे खातिरहेने होने घूमावल जाला।

English : However, this shouldn´t really be off your concern, because often tourists are shuffled around to fill the cars.



Bhojpuri : एहो वास्तव में आदमीन के विसवास दिलवे के तरीका ह की उनका के अधिका भुगतान करे के परी।

English : It seems actually to be more a way of tricking people into believing they have to pay more.



Bhojpuri : माचू पिचू के उत्तरी छोर पर एकदम सीधा ढाल वाला पहाड़ ह जवन अक्सर खंडहरन के कईगो तस्वीरन के पृस्ठभूमि में देखाई देला।

English : Towering above the north end of Machu Picchu is this steep mountain, often the backdrop to many photos of the ruins.



Bhojpuri : इ नीचे से तनीकठिन लागता, अउर इ सही में खाड़ा अउर कठिन चड़ाई बा, पर एगो स्वास्थ्य अदमी एकरा के 45 मिनिट में चढ़ जायी।

English : It looks a bit daunting from below, and it is a steep and difficult ascent, but most reasonably fit persons should be able to make it in about 45 minutes.



Bhojpuri : अधिकान्स रास्ता में पत्थर के सीढ़ी बनावल बा, जहां खाड़ा चढ़ाई बा उहाँ सहायता खातिर स्टील के केबल लगावल बा।

English : Stone steps are laid along most of the path, and in the steeper sections steel cables provide a supporting handrail.



Bhojpuri : उ कहलन, लगता सांस निकाल जायी, अउर खाड़ा चड़ाई में ध्यान राखेके खास का के जन भिजल होखे काहे के इ खतरनाक हो सकेला।

English : That said, expect to be out of breath, and take care in the steeper portions, especially when wet, as it can become dangerous quickly.



Bhojpuri : ओइजा सभाकरा से ऊपर एगो छोत गुफा बिया एकरा के पार करेके बा, इ बहुते छोट अउर संकरा बिया।

English : There´s a tiny cave near the top that must be passed through, it is quite low and a rather tight squeeze.



Bhojpuri : गैलापागोसके स्थलन और वाणी जीवन के नाव से सबसे बढ़ीयां देखल जाला, जयसान के चार्ल्स डार्विन 1835 में कइले रहलन।

English : Seeing the sites and wildlife of the Galapagos is best done by boat, just as Charles Darwin did it in 1835.



Bhojpuri : गैलापागोसके पानी में 8 - 100 यातरी वाला 60 से अधिका जहाज चलेला।

English : Over 60 cruise ships ply the Galapagos waters - ranging in size from 8 to 100 passengers.



Bhojpuri : अधिकान्स लोग आपन स्थान पहिले से सूरक्षित करा लेलन (उच्च सीजन में नाव भरल रहेले)

English : Most people book their place well in advance (as the boats are usually full during the high season).



Bhojpuri : इ निश्चित का लीहीन के रऊंआं जेवन एजेंट का माध्यम से गैलापागोस के खासियत देखला खातिर टिकट बुक करवतानी उकरा के जहाज्न के बारे में पूरा जानकारी होखे के चाहिँ।

English : Be sure the agent through whom you book is a Galapagos specialist with a good knowledge of a wide variety of ships.



Bhojpuri : इ हो सुनिश्चित करीं के राउर पसंद नापसंद का हिसाब से सबसे सही जहाज के चुनाव करतारे।

English : This will ensure that your particular interests and/or constraints are matched with the ship most suitable to them.



Bhojpuri : 16 वीं शताब्दी में स्पेनिश आवे से पहिले, उत्तरी चिली इंका शासन के अधीन रहे, जबकि स्वदेशी अरुकेनियन (मापुचे) मध्य अउर दक्षिणी चिली में रहत रहले।

English : Before the Spanish arrived in the 16th century, northern Chile was under Inca rule while the indigenous Araucanians (Mapuche) inhabited central and southern Chile.



Bhojpuri : मापुचे भी अंतिम स्वतंत्र अमेरिकी स्वदेशी समूहों में से एक रहे, जे चिली के स्वतंत्रता के बादले स्पेनिश-भाषी शासन में पूरी तरह से मिलाल ना रहले।

English : The Mapuche were also one of the last independent American indigenous groups, that were not fully absorbed into Spanish-speaking rule until after Chile´s independence.



Bhojpuri : हालाँकि चिली ने 1810 में स्वतंत्रता के घोषणा क दिहालन (नेपोलियन युद्धन के बीच, जे स्पेन के एगो कामकाजी केंद्र सरकार के बिना कुछ वर्षनखातिरडेलन), स्पेनिश पर निर्णायक जीत 1818 तक हासिल ना भईल रहे।

English : Although Chile declared independence in 1810 (amid the Napoleonic wars that left Spain without a functioning central government for a couple of years), decisive victory over the Spanish was not achieved until 1818.



Bhojpuri : डोमिनिकन रिपब्लिकन (स्पेनिस भासा में: República Dominicana) अइसन कैरिबियाई देस हs जे हिस्पैनियोला द्वीप के आधा पूर्वी हिस्सा में फइलल बा अउरी साथे हैती देस भी जुड़ल बाs.

English : The Dominican Republic (Spanish: República Dominicana) is a Caribbean country that occupies the eastern half of the island of Hispaniola, which it shares with Haiti



Bhojpuri : उज्जर बालू वाला समुद्री किनारा अउरी पहाड़ी वादी वाला इ देस अमेरिका के सबसे पुरान यूरोपियन सहरिया के घर बा, जे अब सैंटो डेमिंगो के हिस्सा बा.

English : Besides white sand beaches and mountain landscapes, the country is home to the oldest European city in the Americas, now part of Santo Domingo.



Bhojpuri : इ द्वीप पर सबसे पहले रहे वाला लोग टैनोस आ कैरीब सs रहन. कैरीब लोग अरावैकेन भासा बोलत रहन जे इ द्वीप पर 10,000 BCE में आके बसलन.

English : The island was first inhabited by the Taínos and Caribes. The Caribes were an Arawakan-speaking people who had arrived around 10,000 BCE.



Bhojpuri : यूरोपियन एक्सप्लोरर के अएला के कुछे साल में, स्पेन के लड़ाका लोग इहाँ के टैनोस के जनसंख्या के बहुते कम कर देहलस.

English : Within a few short years following the arrival of European explorers, the population of Tainos had significantly been reduced by the Spanish conquerors



Bhojpuri : अगर फ्रे बार्टोलोमी डी लास कैसस (ट्रैटाडो डी लास इंडियास), के बात मानल जाए तs 1492 से लेके 1498 के बीच स्पेन के लड़ाका लोग लगभग 100,000 टैनोस के मार देहलन.

English : Based on Fray Bartolomé de las Casas (Tratado de las Indias) between 1492 and 1498 the Spanish conquerors killed around 100,000 Taínos.



Bhojpuri : जार्डिन डे ला यूनियन। ई स्थान 17वीं शताब्दी के एगो कॉन्वेंट खातिर एट्रियम के रूप में बनवाल गईल रहे , जेकरा से टेम्पलो डी सैन डिएगो एकमात्र बचल इमारत बिया।

English : Jardín de la Unión. This space was built as the atrium for a 17th-century convent, of which the Templo de San Diego is the sole surviving building.



[Day30]

Bhojpuri : ई अब केंद्रीय प्लाजा के रूप में कामकरता, अउरएकरा में हमेशा दिन अउर रात बहुते चीजें चालत रहेले।

English : It now functions as the central plaza, and always has a lot of things going on, day and night.



Bhojpuri : बागाईचा के लगे कईगो रेस्तरां बा, अउर दोपहर अउर शाम में केंद्रीय गज़ेबो से अक्सर मुफ्त संगीत कार्यक्रम दिहाल जाला।

English : There are a number of restaurants surrounding the garden, and in the afternoons and evening there free concerts are often given from the central gazebo.



Bhojpuri : कैलेजॉन डेल बेसो (चुंबन के गली)। केवल 69 सेंटीमीटर द्वारा अलग कईल गईल दुगो बालकनियाँ एगो पुरान प्रेम कथा के घर बा।

English : Callejon del Beso (Alley of the Kiss). Two balconies separated by only 69 centimeters is home of an old love legend.



Bhojpuri : कुछ पईसा में कुछ लाइका पूरा कहानी बता दीहें।

English : For a few pennies some children will tell you the story.



Bhojpuri : बोवेन द्वीप एगो लोकप्रिय दिन के यातराभा सप्ताहांत के भ्रमण बाजे कयाकिंग, लंबी पैदल यातारा, दुकान, रेस्तरां अउर बहुत कुछ प्रदान करेला।

English : Bowen Island is a popular day trip or weekend excursion offering kayaking, hiking, shops, restaurants, and more.



Bhojpuri : यह प्रामाणिक समुदाय वैंकूवर से कुछउ दूऋ होवे साउंड में स्थित बा, अउर वैंकूवर शहर में ग्रानविले द्वीप से निकले वाली अनुसूचित जल टैक्सियन के माध्यम से आसानी से पहुंचल जा सकेला।

English : This authentic community is located in Howe Sound just off Vancouver, and is easily accessed via scheduled water taxis departing Granville Island in downtown Vancouver.



Bhojpuri : बाहरी गतिविधियों के आनंद लेवे वालनखातिर, सी टू स्काई कॉरिडोर तक ट्रेक जरूरी बा।

English : For those who enjoy outdoor activities, a trek up the Sea to Sky corridor is essential.



Bhojpuri : व्हिस्लर (वैंकूवर से 1.5 घंटे के सड़क दूरी पर बा) महंगा बा पर 2010 के शीतकालीन ओलंपिक खातिर परसिद्धबा।

English : Whistler (1.5 hour drive from Vancouver) is expensive but well-known because of the 2010 Winter Olympics.



Bhojpuri : सर्दियाँ में उत्तरी अमरीका में बढ़ीयां स्कीइंग के माजा लीहीं, आउर गरमियन में कवानों परमाणिक माउनटेन बाईकिंग के कोसिस करीं।

English : In the winter, enjoy some of the best skiing in North America, and in the summer try some authentic mountain biking.



Bhojpuri : परमिट अग्रिम में आरक्षित होखे के चाहीं। रऊंआं लगे सिरेना में रात भर रिकला खातिर परमिट होखे के चाहीं।

English : Permits must be reserved in advance. You must have a permit to stay overnight at Sirena.



Bhojpuri : सिरेना एकमात्र रेंजर स्टेशन बाजवन शिविर के अलावा छात्रावास में रहलअउर गर्म भोजन प्रदान करेला। La Leona, San Pedrillo, अउरLos Patos बिना कवनों भोजन सेवा के खाली कैंपिंग खातिर पेशकश करेलन ।

English : Sirena is the only ranger station that offers dormitory lodging and hot meals in addition to camping. La Leona, San Pedrillo, and Los Patos offer only camping with no food service.



Bhojpuri : प्यूर्टो जिमेनेज़ में रेंजर स्टेशन से सोझा पार्क परमिट पावाल संभव बा, पर उ लोग क्रेडिट कार्ड ना स्वीकार करेलन

English : It is possible to secure park permits directly from the Ranger Station in Puerto Jiménez, but they do not accept credit cards



Bhojpuri : पार्क सेवा (MINAE) आवे ता तारीख से एक महीने से अधिका दिन के पार्क परमिट जारी ना करेलन।

English : The Park Service (MINAE) does not issue park permits more than one month in advance of anticipated arrival.



Bhojpuri : कैफेनेट अल सोल एक दिन के पास खातिर आरक्षण के सुविधा 30 यूएस डॉलर, भा 10 यूएस डॉलर पर डेला, एकर विवरण कोरकोवाडो पेज पर बा।

English : CafeNet El Sol offers a reservation service for a fee of US$30, or $10 for one-day passes; details on their Corcovado page.



Bhojpuri : कुक आइलैंड्स एगो द्वीप देशजवन दक्षिण प्रशांत महासागर के मध्य में, न्यूजीलैंड के संगे मुक्त सहयोगसे पोलिनेशिया में स्थितबा।

English : The Cook Islands are an island country in free association with New Zealand, located in Polynesia, in the middle of the South Pacific Ocean.



Bhojpuri : ई एगो द्वीपसमूह बा जवना में 15 द्वीप बा अउर जवन 2.2 मिलियन किमी दुगो महासागर में फइलल बा।

English : It is an archipelago with 15 islands spread out over 2.2 million km2 of ocean.



Bhojpuri : हवाई के समान समय क्षेत्र होखला से , द्वीपन के कबहींकबहीं ¨हवाई नीचे¨ के रूप में मानल जाला।

English : With the same time zone as Hawaii, the islands are sometimes thought of as ¨Hawaii down under¨.



Bhojpuri : हालांकि छोट बा, पर उ पूरान हवाई के आगन्तुकन के याद दिलावेला जेवन राज्य होखला का पहिले बिना कवनों बड़ होटल अउर विकास के बिना अइलन।

English : Though smaller, it reminds some elderly visitors of Hawaii before statehood without all the large tourist hotels and other development.



Bhojpuri : कुक द्वीप में कवनों सहर नईखे पर 15गो अलगा अलगा द्वीप बा। एकरामें रारोटोंगा और ऐतुताकी प्रमुख बा।

English : The Cook Islands do not have any cities but are composed of 15 different islands. The main ones are Rarotonga and Aitutaki.



Bhojpuri : विकसित देसान में आज डीलक्स बिस्तर अउर नाश्ता उपलब्ध करावल एक प्रकार के कला के रूप में बढ़ा दिहाल गइल बा।

English : In developed countries today, providing deluxe bed and breakfasts has been raised to a sort of art-form.



Bhojpuri : सभकारा से ऊपर,B&B स्पस्त रूप से दुगो जरूरी चीज में प्रतिस्पर्धा करा तारे: बिस्तर अउर नास्ता।

English : At the top end, B&Bs obviously compete mainly on two main things: bedding and breakfast.



Bhojpuri : साथ में, अईसन बढ़िया जगहन पर सबसे आरामदेह बिस्तर, शायद हाथ से बनल रजाई चाहे एंटीक पलंग मिल सकेला.

English : Accordingly, at the finest such establishments one is apt to find the most luxurious bedding, maybe a handmade quilt or an antique bed.



Bhojpuri : नास्ता में छेत्र के मौसमी व्यंजन चाहे मेजबान के ओर से दिहल जाए वाला बिसेस व्यंजन सामिल हो सकेला।

English : Breakfast may include seasonal delights of the region or the host´s speciality dish.



Bhojpuri : ई सेटिंग एगो ऐतिहासिक पुरान इमारत हो सकेले जेकरा में प्राचीन साज-सामान, साफ सुथरा मैदान अउर एगो स्विमिंग पूल बा।

English : The setting might be an historic old building with antique furnishings, manicured grounds and a swimming pool.



Bhojpuri : अपना कार में बैठल अउरलंबा सड़क याततारा पर निकललएकरा सादगी में एगोस्वाभाविक अपील बा।

English : Getting into your own car and heading off on a long road trip has an intrinsic appeal in its simplicity.



[Day31]

Bhojpuri : बड़े वाहनन के उलीता, रऊंआंसायद आपन कार चलावाला से परिचित बानी अउर एकर सीमा भी जानतानी।

English : Unlike larger vehicles, you are probably already familiar with driving your car and know its limitations.



Bhojpuri : निजी संपत्ति पर भाकवनों आकार के शहर में एगो तम्बू लगावल आसानी से अवांछित ध्यान आकर्षित का सकेला।

English : Setting up a tent on private property or in a town of any size can easily attract unwanted attention.



Bhojpuri : संछेप में सड़क यात्रा खातिर आपन कार के उपयोग एगो सानदार तरीका ह पर कबहुँ "तम्बू" लगावे के सही नईखे।

English : In short, using your car is a great way to take a road trip but seldom in itself a way to ¨camp¨.



Bhojpuri : जदि रऊंआं लगे एगो बड़ मिनीवैन, एसयूवी, सेडान भा स्टेशन वैगनबा जेकर सीटगिर जाले,त कार कैंपिंग संभव बा।

English : Car camping is possible if you have a large minivan, SUV, Sedan or Station Wagon with seats that lay down.



Bhojpuri : कुछउ होटलन में 19वीं या 20वीं सदी की सुरुआत; में दुसरका विश्व युद्ध से पहले के, स्टीम रेलवे अउर ओशन लाइनर्स के स्वर्ण युग के विरासत बा।

English : Some hotels have a heritage from the golden age of steam railways and ocean liners; before the Second World War, in the 19th or early 20th centuries.



Bhojpuri : ई होटल बा जहांवां अमीर अउरअभी के परसिद्ध लोग ठहरेलन, अउर अक्सर बढ़िया भोजन अउर नाइटलाइफ़ पावेलन।

English : These hotels were where the rich and the famous of the day would stay, and often had fine dining and nightlife.



Bhojpuri : पुरान जमानाके फिटिंग, नाया सुविधावनके कमी अउर एगो निश्चित सुंदर पुरनिहा भी उनका चरित्र के हिस्सा बा।

English : The old fashioned fittings, the lack of the latest amenities, and a certain graceful agedness are also part of their character.



Bhojpuri : जबकेउ आम तौर पर निजी स्वामित्व में होला, उ कबहुँ कबहुँ राज्य के प्रमुखों अउर अन्य गणमान्य व्यक्तियनके भी ठहरावेलन।

English : While they are usually privately owned, they sometimes accommodate visiting heads of state and other dignitaries.



Bhojpuri : एगो यातरी जेकरा लगे बहुत पैसा बा उ दुनियाँ भर आके यातारा खातिर उड़ान पर बिचार का सकेला, अउर अईसन बहुत होटल में रुके खातिर यात्रा के रोक सकेला।

English : A traveller with piles of money might consider a round the world flight, broken up with stays in many of these hotels.



Bhojpuri : एगो हॉस्पिटैलिटी एक्सचेंज नेटवर्क उ संगठन बा जेयात्रियन के उ शहरन में स्थानीय लोगन से जोड़ेला जहां उ जा तारे।

English : A hospitality exchange network is the organization that connects travelers with locals in the cities they are going to visit.



Bhojpuri : एसन नेटवर्क में सामिल होके खातिर आमतौर पर केवल एगो ऑनलाइन फॉर्म भरला के जरूरत होला; हालांकि कुछ नेटवर्क अतिरिक्त सत्यापन के पेसकस चाहे मांग करेलें.

English : Joining such a network usually just requires filling out an online form; although some networks offer or require additional verification.



Bhojpuri : कबहुँ कबहुँ अन्य यात्रियन द्वारा संदर्भों अउर समीक्षाओं खातिर उपलब्ध मेजबानों की एगो सूची भा तो प्रिंट अउर/भा ऑनलाइन प्रदान कइल जाला।

English : A listing of available hosts is then provided either in print and/or online, sometimes with references and reviews by other travelers.



Bhojpuri : काउचसर्फिंग के स्थापना जनवरी 2004 में कंप्यूटर प्रोग्रामर केसी फेंटन द्वारा आइसलैंड खातिर एगो सस्ता उड़ान मिलला के बाद भइल, परउनका लगेरहे खातिर जगह ना रहे।

English : Couchsurfing was founded in January 2004 after computer programmer Casey Fenton found a cheap flight to Iceland but did not have a place to stay.



Bhojpuri : उ स्थानीय विश्वविद्यालय में छात्रन को ईमेल कइलन अउर मुफ्त आवास खातिर भारी संख्या में प्रस्ताव आइल।

English : He emailed students at the local university and received an overwhelming number of offers for free accommodation.



Bhojpuri : छात्रावास मुख्य रूप से युवा लोगनकेराखेलन- एक विशिष्ट अतिथि उकरा बिसवां साल में - पररऊंआं अक्सर उहाँ पुरानयात्रियन के भी पा सकेलीं।

English : Hostels cater primarily to young people – a typical guest is in their twenties – but you can often find older travellers there too.



Bhojpuri : बच्चन के संगे परिवार कम देखाला, मगर कुछ होस्टलन में उनके निजी कमरा मिल जाला.

English : Families with children are a rare sight, but some hostels do allow them in private rooms.



Bhojpuri : चीन के बीजिंग सहर 2022 के शीतकालीन ओलंपिक खेल के मेजबानी करी, जेसे ई अइसन पहिला सहर बन जाई जहां सीतकालीन आ ग्रीस्मकालीन दूनों ओलंपिक के आयोजन भइल बा.

English : The city of Beijing in China will be the host city of the Olympic Winter Games in 2022, which will make it the first city to have hosted both the summer and winter Olympics.



Bhojpuri : बेजिंग उदघाटन अउर समापन समारोह के अउर इनडोर आइस खेलन के मेजबानी करी।

English : Beijing will host the opening and closing ceremonies and the indoor ice events.



Bhojpuri : दुसर स्कीइंग कार्यक्रम बीजिंग से लगभग 220 किमी (140 मील) के दूर झांगजियाकौ के ताइज़िचेंग स्की इलाके में होइ।

English : Other skiing events will be at the Taizicheng ski area in Zhangjiakou, about 220 km (140 miles) from Beijing.



Bhojpuri : अधिकांश मंदिरन में नवंबर के अंत से मई के मध्य तकले एगो वार्षिक उत्सव होल, जेवन प्रत्येक मंदिर के वार्षिक कैलेंडर के हिसाब से बदलतरहेला।

English : Most of the temples do have an Annual festival starting from November end to Mid of May, which varies according to each temple´s annual calendar.



Bhojpuri : मंदिर के अधिकांश त्योहार मंदिर के वर्षगांठ भा पीठासीन देवता के जन्मदिन भा मंदिर से जुड़लकवनोंदुसरपरमुख कार्यक्रम के हिस्सा के रूप में मानवल जाला।

English : Most of the temple festivals is celebrated as part of temple´s anniversary or presiding deity´s birthday or any other major event associated with the temple.



Bhojpuri : केरल के मंदिर उत्सव देखल बहुते दिलचस्प होला, जेकरा में सजल धजल हाथियन के नियमित जुलूस, मंदिर के ऑर्केस्ट्रा अउर अन्य उत्सव होला।

English : Kerala´s temple festivals are very interesting to see, with regular procession of decorated elephants, temple orchestra and other festivities.



Bhojpuri : एगो विश्व मेला (आमतौर पर विश्व प्रदर्शनी, भा बस एक्सपो कहाला) कला अउर विज्ञान के बड़का अंतरराष्ट्रीय त्योहार ह।

English : A World´s Fair (commonly called World Exposition, or simply Expo) is large international festival of arts and sciences.



Bhojpuri : भाग लेवे वाला देश विश्व के मुद्दनभाआपन देश के संस्कृति अउर इतिहास के प्रदर्शित काइला खातिर राष्ट्रीय मंडपन में कलात्मक अउर शैक्षिक प्रदर्शन प्रस्तुत करेलन।

English : Participating countries present artistic and educational displays in national pavilions to showcase world issues or their country´s culture and history.



Bhojpuri : अंतर्राष्ट्रीय बागवानी प्रदर्शनी विशेष आयोजन बा जवनफूलन के प्रदर्शन, वनस्पति उद्यान अउर पौधनकासंगे करे लायक कुछोभी प्रदर्शित करेलन।

English : International Horticultural Expositions are specialised events which showcase floral displays, botanical gardens and anything else to do with plants.



[Day32]

Bhojpuri : हालांकि सिद्धांत रूप में उ सालाना हो सकेला (जब तक उ अलग-अलग देसन में बा), व्यवहार में उनईखे।

English : Although in theory they can take place annually (so long as they are in different countries), in practice they are not.



Bhojpuri : ईआयोजन आम तौर पर तीन से छह महीने के बीच केतनोंसमय खातिरहोला, अउर50 हेक्टेयर से कम की साइटन पर आयोजित काइल जाला।

English : These events normally last anywhere between three and six months, and are held on sites no smaller than 50 hectares.



Bhojpuri : कईगो अलगा-अलगा फिल्म प्रारूपबा जिनकर उपयोग वर्षन से कइल जाता। मानक 35 मिमी फिल्म (36 गुणा 24 मिमी के नेगेटिव) सबसे आम ह।

English : There are many different film formats that have been used over the years. Standard 35 mm film (36 by 24 mm negative) is much the commonest.



Bhojpuri : जदि रऊंआं लगे खतम हो जाता, त एकरा के आमतौर पर काफी आसानी से भरल जा सकेला, अउर वर्तमान डीएसएलआर के बराबर रिज़ॉल्यूशन देला।

English : It can usually be replenished fairly easily if you run out, and gives resolution roughly comparable to a current DSLR.



Bhojpuri : कुछउ मध्यम प्रारूप के फिल्म कैमरा6 गुणा 6 सेमी प्रारूप के उपयोग करेलन, अधिक सटीक रूप से 56 गुणा 56 मिमी नेगेटिव।

English : Some medium-format film cameras use a 6 by 6 cm format, more precisely a 56 by 56 mm negative.



Bhojpuri : ई 35 मिमी नेगेटिव (3136 मिमी 2 बनाम 864) के लगभग चार गुना रिजोलुसन देला।

English : This gives resolution almost four times that of a 35 mm negative (3136 mm2 versus 864).



Bhojpuri : एगो फोटोग्राफर खातिर वन्यजीव सबसे चुनौती भरल रूपांकनन में से एगो ह अउर एकरा खातिर सौभाग्य, धैर्य, अनुभव अउर निमन उपकरणन के संयोजन के आवस्यकता होला।

English : Wildlife is among the most challenging motifs for a photographer, and needs a combination of good luck, patience, experience and good equipment.



Bhojpuri : वन्यजीव फोटोग्राफी के अक्सर हलका में लियाला,पर सामान्य तौर पर फोटोग्राफी लेखा, एगो तस्वीर एक हजार सबदन के बराबर होला।

English : Wildlife photography is often taken for granted, but like photography in general, a picture is worth a thousand words.



Bhojpuri : वन्यजीव फोटोग्राफी में अधिकतर एगो लंबा टेलीफोटो लेंस के जरूरत होला, पर पछियन के झुंड या छोट जीव जैसन चीजन खातिर दुसर लेंस क जरूरत होला।

English : Wildlife photography often requires a long telephoto lens, though things like a flock of birds or a tiny creature need other lenses.



Bhojpuri : कई विदेसी जानवरन के खोजल मुस्किल होला, अउर पार्कन में कबहुं-कबहुं व्यावसायिक उद्येसन खातिर फोटो लिहाला खातिर नियम होला।

English : Many exotic animals are hard to find, and parks sometimes have rules about taking photographs for commercial purposes.



Bhojpuri : वन्यजीव सायद सरमीला या आक्रामक हो सकेला। वातावरण ठंडा, गर्म या प्रतिकूल सकेला।

English : Wild animals might either be shy or aggressive. The environment might be cold, hot, or otherwise hostile.



Bhojpuri : दुनिया में 5,000 से अधिक विभिन्न भासा बिया , जेकरा में 50 मिलियन भा उकरा से अधिका बोले वालन के 20 से अधिका भाषासामील बिया।

English : The world has over 5,000 different languages, including more than twenty with 50 million or more speakers.



Bhojpuri : लिखिलसबदन के अक्सर बोलल गइलसबदन के तुलना में समझल आसान होला। इ पता के बारे में विशेष रूप से सच ह, जेकरनीक से उच्चारण कइल अक्सर मुश्किल होला।

English : Written words are often easier to understand than spoken words, also. This is especially true of addresses, which are often difficult to pronounce intelligibly.



Bhojpuri : कईगोदेस पूरा अंग्रेजी में बोलेले, अउरइनकारा से अधिकालोगन पर रउनआंअंग्रेजीके सीमित ज्ञान की उम्मीद कसाकिंला- खासकर युवा लोगन के बीच।

English : Many entire nations are completely fluent in English, and in even more you can expect a limited knowledge - especially among younger people.



Bhojpuri : कल्पना करीं, अगर रउवा टोरंटो के एक रेस्तरां में डिनर खातिर बइठल होइं अउर आस-पास मेज पर मैनकुनियन, बोस्टोनियन, जमाइकन अउर सिडनीसाइडर लोग बइठल हों.

English : Imagine, if you will, a Mancunian, Bostonian, Jamaican and Sydneysider sitting around a table having dinner at a restaurant in Toronto.



Bhojpuri : उ सब आपन गृहनगर के कहानी सुना के एक-दूसरा को रीगल बहलावतारे , उनकर अलग उच्चारण अउर स्थानीय तर्क में बतावेला।

English : They´re regaling each other with stories from their hometowns, told in their distinct accents and local argot.



Bhojpuri : सुपर मार्केट से खाये के समान किनल खियावे के एगो सस्ता उपाय बा। बिना खाना बनवले, विकल्प खाली तैयार खाना पर ही उपलब्ध बा।

English : Buying food in supermarkets is usually the cheapest way to get fed. Without cooking opportunities, choices are however limited to ready-made food.



Bhojpuri : सुपरमार्केट में तैयार खाना तेजी से कई गो से अधिका भागन में मिल रहल बा। कुछ लोग खाना को गर्म करे खातिर माइक्रोवेव ओवन भादुसर साधन के उपयोग करेलन।

English : Increasingly supermarkets are getting a more varied section of ready-made food. Some even provide a microwave oven or other means to heat food.



Bhojpuri : कुछ देशों भापरकार के स्टोरन में कम से कम एगो साइट पर रेस्तरांहोला , जेवन अक्सर एगो अनौपचारिक अउर सस्ती कीमत के साथे होला।

English : In some countries or types of stores there is at least one on-site restaurant, often a rather informal one with affordable prices.



Bhojpuri : अपन पॉलिसी अउर अपन बीमाकर्ता के संपर्क विवरण के प्रतियां बनाइंअउर अपनासंगे राखीं।

English : Make and carry copies of your policy and your insurer´s contact details with you.



Bhojpuri : उंकरा के सलाह/प्राधिकरण अउर दावाकरे खातिर बीमाकर्ता के ई-मेल पाता अउर अंतरराष्ट्रीय फोन नंबर देखावे के होला।

English : They need to show the insurer´s e-mail address and international phone numbers for advice/authorizations and making claims.



Bhojpuri : आपन सामान अउर ऑनलाइन में एगोअउरी प्रति राखीं (संलग्नक के संगे स्वयं के ई-मेल करीं, भा ¨क्लाउड¨ में संग्रहीत करीं)।

English : Have another copy in your luggage and online (e-mail to yourself with attachment, or stored in the ¨cloud¨).



Bhojpuri : अगर लैपटॉप भा टैबलेट का संगे यातरा कर तानी, त एकर मेमोरी भा डिस्क में एगो कॉपी स्टोर करीं (इंटरनेट के बिना खुल जाये)।

English : If traveling with a laptop or tablet, store a copy in its memory or disc (accessible without the internet).



Bhojpuri : साथे यातरा करे वालन साथी अउर रिश्तेदारन भा दोस्तों के जे घरे बाड़े और मदद क सेकेले, के पॉलिसी / संपर्क प्रतियां दीहीं।

English : Also give policy/contact copies to traveling companions and relatives or friends back home willing to help.



Bhojpuri : मूस (जेकरा के एल्क भी काहल जाला) स्वाभाविक रूप से आक्रामक ना होला, पर अगर उन्हें कवनों खतरा महसूस होला तवे आपन बचाव करीहें।

English : Moose (also known as elk) aren´t inherently aggressive, but will defend themselves if they perceive a threat.



[Day33]

Bhojpuri : जब आदमी देखेला की मूस खतरनाक नईखे लउकत, त लोग ओकरा निगीचा चल जलन अउर अपना के खतरा में डाल देला।

English : When people don´t see moose as potentially dangerous, they may approach too closely and put themselves at risk.



Bhojpuri : शराब के सेवन संयम से करीं. अलग-अलग आदमी पर शराब अलग-अलग तरह से असर डालेला, अउर राउर लिमिट जानेला बहुते जरूरी बा.

English : Drink alcoholic drinks with moderation. Alcohol affects everyone differently, and knowing your limit is very important.



Bhojpuri : जादे शराब पिला से आगे जाके शरीर के बहुते नुकसान होवेला जेमें लीवर डैमेज होखेला, अंधापन अउर इहाँ ले कि मृत्यु भी हो सकेला. अवैध रूप से बनावल गईल शराब के सेवन करे से संभावित खतरा अउर बढ़ जाला.

English : Possible long term health events from excessive drinking can include liver damage and even blindness and death. The potential danger is increased when consuming illegally produced alcohol.



Bhojpuri : अवैध स्पिरिट में मेथनॉल के साथे-साथे दोसर खतरनाक मिलावट हो सकेला, जेकर छोट खुराक भी अंधापन चाहे मृत्यु के कारन बन सकेला.

English : Illegal spirits can contain various dangerous impurities including methanol, which can cause blindness or death even in small doses.



Bhojpuri : कवनों दोसर देश में चश्मा सस्ता हो सकेला, खासकर कम आय वोला देश में, जहां लेबर कॉस्ट कम बा.

English : Eyeglasses can be cheaper in a foreign country, especially in low-income countries where labour costs are lower.



Bhojpuri : घर पर आँख जांच करावे पर विचार करीं, खासकर जदि बीमा ई के कवर करले बा, अउर वोकर नुस्खा के कहीं अउर दाखिल करे खातिर साथे लाईं.

English : Consider getting an eye exam at home, especially if insurance covers it, and bringing the prescription along to be filed elsewhere.



Bhojpuri : ई कुल इलाका में मिल रहल महंगा ब्रांड वाले फ्रेमन में दू गो तरे के परेसानी हो सकेला; कुछ नकली हो सकेने आ जवन असली में बिदेसी ब्रांड वाला फ़्रेम ह ऊ देस में मिले वाला फ्रेम से महंगा हो सकेला.

English : High-end brand-name frames available in such areas may have two problems; some may be knock-offs, and the real imported ones may be more expensive than at home.



Bhojpuri : कॉफी दुनिया के सबसे जादे व्यापारिक सामान में से एगो बा, अउर सायद राउर घर में चाहे राउर इलाका में कई तरे के कॉफी मिल सकेला.

English : Coffee is one of the world´s most traded commodities, and you can probably find many types in your home region.



Bhojpuri : तबो, दुनिया भर में कॉफी पीएके बहुते गजब- गजब के तरीका बा जे अनुभव करे लायक बा.

English : Nevertheless, there are many distinctive ways of drinking coffee around the world that are worth experiencing.



Bhojpuri : कैन्योनिंग (चाहे: कैन्योनिरिंग) एगो घाटी के तल में जाए के बारे में बा, जे चाहे सूखा रही चाहे पानी से भरल रही.

English : Canyoning (or: canyoneering) is about going in a bottom of a canyon, which is either dry or full of water.



Bhojpuri : कैन्योनिंग में तैराकी, चढ़ाई अउर कूद-फांद शामिल रहेला - बाकी सुरु में तनी ट्रेनिंग चाहे चुस्त शरीर के जरुरत होखेला (जईसे कि, रॉक क्लाइम्बिंग, स्कूबा डाइविंग चाहे अल्पाइन स्कीइंग के बनिस्पत).

English : Canyoning combines elements from swimming, climbing and jumping--but requires relatively little training or physical shape to get started (compared to rock climbing, scuba diving or alpine skiing, for example).



Bhojpuri : हाईकिंग माने कि खूब दूर ले पैदल यात्रा बाहरी गतिविधि होखेला, जे में प्राकृतिक वातावरण में चलेला शामिल बा, बहुते बेरा हाईकिंग ट्रेल्स पर.

English : Hiking is an outdoor activity which consists of walking in natural environments, often on hiking trails.



Bhojpuri : डे हाईकिंग में एगो मील से भी कम दूरी ले वोतना दूरी शामिल होखेला जेतना एके दिन में कवर कईल जा सकेला.

English : Day hiking involves distances of less than a mile up to longer distances that can be covered in a single day.



Bhojpuri : डे हाईकिंग खातिर थोड़ तईयारी कईला के जरुरत होखेला, अउर कवनों भी मामूली रूप से फिट आदमी वोह्के आनंद ले सकेला.

English : For a day hike along an easy trail little preparations are needed, and any moderately fit person can enjoy them.



Bhojpuri : छोट बचवन वाला परिवार के जादे तईयारी के जरुरत हो सकेला, बाकी बचवन अउर प्री-स्कूल के बचवन के साथे एकाध दिन के आउटडोर आसानी से संभव बा.

English : Families with small children may need more preparations, but a day outdoors is easily possible even with babies and pre-school children.



Bhojpuri : अंतरराष्ट्रीय स्तर पर, लगभग 200 टूर संगठन चल रहल बा. ऊ में से जादेतर स्वतंत्र रूप से काम करेलें.

English : Internationally, there are nearly 200 running tour organizations. Most of them operate independently.



Bhojpuri : ग्लोबल रनिंग टूर्स के उत्तराधिकारी, गो रनिंग टूर्स चार गो महाद्वीपो पर दर्जनों दर्शनीय प्रदाता के नेटवर्क प्रदान करल.

English : The Global Running Tours successor, Go Running Tours networks dozens of sightrunning providers on four continents.



Bhojpuri : बार्सिलोना क रनिंग टूर्स बार्सिलोना अउरी कोपेनहेगन क रनिंग कोपेनहेगन से जुड़ाव के चलते, जल्दिए एमें प्राग के रनिंग टूर्स प्राग आ अन्य लोग सामिल हो गइने।

English : With roots in Barcelona´s Running Tours Barcelona and Copenhagen´s Running Copenhagen, it was quickly joined by Running Tours Prague based in Prague and others.



Bhojpuri : कहीं घुमे जाए से पहिले अउर ट्रैवल करीत समय रउवा के बहुते बात के ध्यान रखे के पड़ेला.

English : There are many things you have to take into consideration before and when you travel somewhere.



Bhojpuri : जखनी रउवा ट्रैवल करेलें, त अपेक्षा करीं कि चीज अईसन ना लगे जईसे वोहनी जन ¨घर वापस होले¨ बाड़ें. शिष्टाचार, कानून, भोजन, यातायात, आवास, मानक, भाषा आदि कुछ हद ले राउर निवास के जगह से अलगे होई.

English : When you travel, expect things not to be like they are ¨back home¨. Manners, laws, food, traffic, lodging, standards, language and so on will to some extent differ from where you live.



Bhojpuri : ई कुछो अईसन बा जेकरा के रउवा के हरदमे ध्यान में रखे के चाहीं, जे में निराशा से बच सकीं चाहे काम करे के लोकल तरीका से भी अरुचि ना होवे.

English : This is something you always need to keep in mind, to avoid disappointment or perhaps even distaste over local ways to do things.



Bhojpuri : ट्रैवल एजेंसी के अस्तित्व 19 वीं शताब्दी के आसपास से रहल बा. ट्रैवल एजेंट अइसे त यात्रा खातिर एगो अच्छा विकल्प होखेला काहे कि वोकर मदद से ट्रैवलर के प्रकृति, कल्चर, भाषा समझे में बहुते बढियां अनुभव मिलेला चाहे कम आय वाला देश में भी यात्रा करे के आनंद आवेला.

English : Travel agencies have been around since the 19th century. A travel agent is usually a good option for a journey which extends beyond a traveller´s previous experience of nature, culture, language or low-income countries.



Bhojpuri : अईसे त अधिकांश एजेंसी रेगुलर बुकिंग लेवे खातिर तइयार रहेलें, बाकी बहुते एजेंट खास परकार के ट्रैवल, बजट रेंज अउर डेस्टिनेशन के विशेषज्ञ रहेलें.

English : Although most agencies are willing to take on most regular bookings, many agents specialise in particular types of travel, budget ranges or destinations.



Bhojpuri : अईसन एजेंट से काम लेवेला बढियाँ होई जे बहुते बेरा राउर जईसन ट्रिप कर चुकल बा माने कि अनुभवी बा.

English : It can be better to use an agent who frequently books similar trips to yours.



Bhojpuri : ई जरुर देख लेईं कि एजेंट कउन-कउन ट्रिप के बतावत बा, चाहे उनकर वेबसाइट पर देखीं चाहे उनकर शॉप विंडो पर.

English : Take a look at what trips the agent is promoting, whether on a website or in a shop window.



[Day34]

Bhojpuri : जदि रउवा दुनिया के सस्ते, जरुरत, जीवन शैली चाहे चुनौती खातिर देखेके चाहेलें, त अईसन करे के कुछेक तरीका बा.

English : If you want to see the world on the cheap, for necessity, lifestyle or challenge, there are some ways to do that.



Bhojpuri : मूल रूप से, वोहनी जन दू गो श्रेणी में आवेलें: चाहे त ट्रैवल करीत समय काम करीं चाहे कोशिश करीं अउर राउर खर्चा के सीमित करीं. ई लेख ई बारे में बा कि खर्चा कईसे कंट्रोल करीं.

English : Basically, they fall into two categories: Either work while you travel or try and limit your expenses. This article is focused on the latter.



Bhojpuri : जे लोग आराम अउर समय के कुर्बानी देवे के तईयार हवें, जे में कि खर्चा कम हो, त उनका के चाहीं कि कम बजट वाला ट्रैवल चुनीं.

English : For those willing to sacrifice comfort, time and predictability to push expenses down close to zero, see minimum budget travel.



Bhojpuri : ई सलाह देवे के ई माने-मतलब ना बा कि ट्रैवलर चोरी करे लगें, अतिचार, अवैध काम करे लगें चाहे भीख मांगे लगें, चाहे आपन स्वयं के लाभ खातिर दोसर लोगन के शोषण करे लगें.

English : The advice assumes that travellers do not steal, trespass, participate in the illegal market, beg, or otherwise exploit other people for their own gain.



Bhojpuri : इमीग्रेशन चेकपॉइंट ऊ पहिला स्टॉप के कहल जाला जंहवां विमान, पानी जहाज चाहे कवनों दोसर वाहन से उतरके पहुँचल जाला.

English : An immigration checkpoint is usually the first stop when disembarking from a plane, a ship, or another vehicle.



Bhojpuri : कुछेक क्रॉस-बॉर्डर ट्रेन में चलत ट्रेन में निरीक्षण कईल जाला, एह से अईसन ट्रेन में चढ़ित समय राउर पास वैध आईडी होवे के चाहीं.

English : In some cross-border trains inspections are done on the running train and you should have valid ID with you when boarding one of those trains.



Bhojpuri : रात के स्लीपर ट्रेन में, कंडक्टर द्वारा पासपोर्ट एकत्र कईल जा सकेला, ताकि राउर नींद बाधित ना होखे.

English : On night sleeper trains, passports may be collected by the conductor so that you do not have your sleep interrupted.



Bhojpuri : वीजा प्रक्रिया खातिर रजिस्ट्रेशन करावेला एगो एक्स्ट्रा जरुरत होखेला. कवनों-कवनों देश में, रउवा के राउर उपस्थिति अउर पता लोकल अधिकारी के पास दर्ज करावेके होखेला जहां रउवा रह रहल बानी.

English : Registration is an additional requirement for the visa process. In some countries, you must register your presence and address where you are staying with the local authorities.



Bhojpuri : ई खातिर लोकल पुलिस के पास एगो फॉर्म भरेके चाहे इमीग्रेशन ऑफिस जाए के जरुरत पड़ सकेला.

English : This might require filling out a form with the local police or a visit to the immigration offices.



Bhojpuri : ई जईसन के कानून वाला बहुते देश में, लोकल होटल रजिस्ट्रेशन के प्रक्रिया संभाल लेवे लें (बाकी पूछके सुनिश्चित करीं).

English : In many countries with such a law, local hotels will handle the registration (make sure to ask).



Bhojpuri : दोसर मामला में, खाली वोही लोगन के रजिस्टर करे के जरुरत बा जे पर्यटक आवास के बाहर रहे वाला बाड़ें. वईसे, ई कानून के अउर जादे अस्पष्ट बनावेला, ई से पहिले से ही पता कर लीं.

English : In other cases, only those staying outside of tourist accommodations need to register. However, this makes the law much more obscure, so find out beforehand.



Bhojpuri : आर्किटेक्चर के संबंध इमारत के डिजाइन अउर निर्माण से बा. आर्किटेक्चर बहुते बेरा अपने-आप में पर्यटक के आकर्षण होखेला.

English : Architecture is concerned with the design and construction of buildings. The architecture of a place is often a tourist attraction in its own right.



Bhojpuri : बहुते बिल्डिंग देखे में बहुते खूबसूरत होखेला अउर कवनों ऊँच बिल्डिंग से चाहे बढियां से लगावल गईल खिड़के से नजारा देखे में मनभावन हो सकेला.

English : Many buildings are quite beautiful to look at and the view from a tall building or from a cleverly-positioned window can be a beauty to behold.



Bhojpuri : आर्किटेक्चर अर्बन प्लानिंग, सिविल इंजीनियरिंग, सजावटी कला, इंटीरियर डिजाइन अउर लैंडस्केप डिजाइन के साथे-साथ दोसर क्षेत्र के साथे बहुते हद ले ओवरलैप करले बा.

English : Architecture overlaps considerably with other fields including urban planning, civil engineering, decorative arts, interior design and landscape design.



Bhojpuri : देहात जईसन इलाका केतना अंदर बा, ई देखित, रउवा अल्बुकर्क चाहे सांता के यात्रा कईले बिना महत्वपूर्ण मात्रा में नाइटलाइफ़ ना पा सकब.

English : Given how remote many of the pueblos are, you won´t be able to find a significant amount of nightlife without traveling to Albuquerque or Santa Fe.



Bhojpuri : अईसे त, ऊपर सूचीबद्ध लगभग सभे कैसिनो ड्रिंक परोसेलें, अउर वू में से बहुते नाम-ब्रांड मनोरंजन करेलें (मुख्य रूप से अल्बुकर्क अउर सांता फे के आसपास के बड़कन- बड़कन).

English : However, nearly all of the casinos listed above serve drinks, and several of them bring in name-brand entertainment (primarily the large ones immediately surrounding Albuquerque and Santa Fe).



Bhojpuri : बाकी एगो बात से सावधान रहीं: इहाँ के छोट शहर के बार राज्य से बाहर के लोगन के घूमे खातिर हरदमे बढियाँ जगह ना होखेलें.

English : Beware: small-town bars here are not always good places for the out-of-state visitor to hang out.



Bhojpuri : एगो अउर बात सुनीं, उत्तरी न्यू मैक्सिको में नशा में गाड़ी चलावे के बहुते समस्या बा, अउर जने छोट शहर के बार रहेला वोने नशा में धुत गाड़ी चलावे वाला जादे मिलेलें.

English : For one thing, northern New Mexico has significant problems with drunk driving, and the concentration of intoxicated drivers is high close to small-town bars.



Bhojpuri : अवांछित भित्ति-चित्र चाहे स्क्रिबल के ग्रैफिटी के रूप में जानल जाला.

English : Unwanted murals or scribble is known as graffiti.



Bhojpuri : अईसे त ई कवनों आधुनिक घटना से बहुते दूर बा, बहुते लोग सोचेलें कि युवा लोग स्प्रे पेंट के उपयोग करके पब्लिक अउर प्राइवेट प्रॉपर्टी में तोड़फोड़ करेलें.

English : While it´s far from a modern phenomenon, most people probably associate it with youth vandalizing public and private property using spray paint.



Bhojpuri : चाहे जे हो, आजकल स्थापित ग्रैफिटी आर्टिस्ट, ग्रैफिटी इवेंट अउर ¨वैध¨ दीवार होखेला. ई संदर्भ में ग्रैफिटी पेंटिंग बहुते बेरा अवैध टैग के बजाए आर्टवर्क लगेला.

English : However, nowadays there are established graffiti artists, graffiti events and ¨legal¨ walls. Graffiti paintings in this context often resemble artworks rather than illegible tags.



Bhojpuri : बुमेरांग थ्रोविंग एगो लोकप्रिय कौशल बा जेकरा के बहुते पर्यटक हासिल करल चाहेलें.

English : Boomerang throwing is a popular skill that many tourists want to acquire.



Bhojpuri : जदि रउवा बुमेरांग फेंकेला सीखेला चाहेलें जे राउर हाथ में वापस आ जाला, त सुनिश्चित करीं कि रउवा पास लौटावे खातिर उपयुक्त बुमेरांग बा.

English : If you want to learn throwing a boomerang that comes back to your hand, make sure you have a suitable boomerang for returning.



Bhojpuri : ऑस्ट्रेलिया में उपलब्ध अधिकांश बुमेरांग असल में वापस-लौटावे वाला ना होखेला. त नया लोगन के चाहीं कि वू हवा में फेंके के कोशिश ना करीं.

English : Most boomerangs available in Australia are in fact non-returning. It is best for beginners to not try throwing in windy



Bhojpuri : हंगी मील जमीन में एगो गर्म गड्ढा में पकावल जाला.

English : A Hangi Meal is cooked in a hot pit in the ground.



[Day35]

Bhojpuri : गड्ढे के चाहे त आग से गर्म पत्थर से गर्म कईल जाला, चाहे कुछो जगह पर जियोथर्मल हीट जमीन के ऊ क्षेत्र के प्राकृतिक रूप से गर्म बना देवेला.

English : The pit is either heated with hot stones from a fire, or in some places geothermal heat makes areas of ground naturally hot.



Bhojpuri : हंगी के बहुते बेरा पारंपरिक रोस्ट स्टाइल के खाना पकावे खातिर उपयोग कईल जाला.

English : The hangi is often used to cook a traditional roast style dinner.



Bhojpuri : रोटोरुआ में बहुते जगह जियोथर्मल हंगी के पेशकश करेलें, जबकि दोसर हंगी के नमूना क्राइस्टचर्च, वेलिंगटन अउर दोसर जगह पर पाएल जा सकेला.

English : Several places in Rotorua offer geothermal hangi, while other hangi can be sampled in Christchurch, Wellington and elsewhere.



Bhojpuri : मेट्रोरेल के पास केप टाउन अउर वोकर आसपास कम्यूटर ट्रेन में दू गो क्लास रहेला: मेट्रोप्लस (जेकरा के फर्स्ट क्लास भी कहल जाला) अउर मेट्रो (जेकरा थर्ड क्लास कहल जाला).

English : MetroRail has two classes on commuter trains in and around Cape Town: MetroPlus (also called First Class) and Metro (called Third Class).



Bhojpuri : मेट्रोप्लस जादे आरामदायक अउर कम भीड़ वाला रहेला बाकी थोड़ा जादे महंगा रहेला, अईसे त यूरोप में सामान्य मेट्रो टिकट के तुलना में अभियो सस्ता बा.

English : MetroPlus is more comfortable and less crowded but slightly more expensive, though still cheaper than normal metro tickets in Europe.



Bhojpuri : हर ट्रेन में मेट्रोप्लस अउर मेट्रो, दोनों कोच होखेलें; मेट्रोप्लस के डिब्बा हरदमे केप टाउन के नजदीकी ट्रेन के अंत में होखेला.

English : Every train has both MetroPlus and Metro coaches; the MetroPlus coaches are always on the end of the train nearest Cape Town.



Bhojpuri : दूसरा खातिर ले जाएला - कब्बो राउर बैग के आपन नजर से ओझल ना होवे दीं, खासकर जखनी रउवा अंतरराष्ट्रीय बॉर्डर पार होवत रहब.

English : Carrying for others - Never let your bags out of your sight, especially when you are crossing international borders.



Bhojpuri : रउवा के पतो ना चली कि केवू रउवा के जानकारी के बिना राउर बैग में ड्रग रखके ड्रग कैरियर बना दिहले बा, अउर ई रउवा के बहुते परेशानी में डाल दी.

English : You could find yourself being used as a drug carrier without your knowledge, which will land you in a great deal of trouble.



Bhojpuri : इमें लाइन में प्रतीक्षा करल शामिल बा, काहे कि ड्रग-सूँघे वाला कुत्ता बिना केवु सूचना के कवनो समय इस्तेमाल कईल जा सकेला.

English : This includes waiting in line, as drug-sniffing dogs could be used at any time without notice.



Bhojpuri : कुछो देश में पहिला बार कईल गईल अपराध खातिर भी बहुते कठोर दंड दिहल जाला; ई में 10 साल से जादे के जेल चाहे मौत के सजा शामिल हो सकेला.

English : Some countries have exceedingly draconian punishments even for first time offenses; these can include prison sentences of over 10 years or death.



Bhojpuri : लावारिस बैग पर चोर लोगन के पूरा नजर रहेला अउर बम के खतरा से बचावे खातिर अधिकारी लोगन के ध्यान भी आकर्षित कर सकेला.

English : Unattended bags are a target for theft and can also attract attention from authorities wary of bomb threats.



Bhojpuri : घर पर, लोकल कीटाणु के लगातार संपर्क में रहे के कारन, संभावना बहुते जादे बा कि रउवा पहिले से ही उनका से प्रतिरक्षित बानी.

English : At home, due to this constant exposure to the local germs, odds are very high that you´re already immune to them.



Bhojpuri : बाकी दुनिया के दोसर हिस्सा में, जहवाँ बैक्टीरिया संबंधी जीव रउवा खातिर नया बा, रउवा के समस्या में घिरे के संभावना जादे बा.

English : But in other parts of the world, where the bacteriological fauna are new to you, you´re far more likely to run into problems.



Bhojpuri : एकर अलावा, गर्म जलवायु में, बैक्टीरिया जादे तेजी से बढ़ेला अउर शरीर के बाहर जादे देर ले जीवित रहे ला.

English : Also, in warmer climates bacteria both grow more quickly and survive longer outside the body.



Bhojpuri : वू सबके चलते दिल्ली बेली के संकट, फिरौन के अभिशाप, मोंटेज़ुमा के बदला, अउर उनकर बहुते दोस्त पैदा हो जालें.

English : Thus the scourges of Delhi Belly, the Pharaoh´s Curse, Montezuma´s Revenge, and their many friends.



Bhojpuri : ठंढ़ा जलवायु में सांस के समस्या के साथे, गर्म जलवायु में आंत के समस्या बहुते आम बा अउर ज्यादातर मामला खाली परेशान करल, असल में खतरनाक ना होखेला.

English : As with respiratory problems in colder climates, intestinal problems in hot climates are fairly common and in most cases are distinctly annoying but not really dangerous.



Bhojpuri : जदि कवनों विकासशील देश में पहिला बार ट्रैवल करत बानीं - चाहे दुनिया के कवनों नया हिस्सा में घुमत बानी – वहां कुछो कल्चर देखे के मिली जे से सदमा ना खाईं.

English : If traveling in a developing country for the first time – or in a new part of the world – don´t underestimate the potential culture shock.



Bhojpuri : बहुते अईसन, सक्षम ट्रैवलर हवें जे विकासशील देश के यात्रा करके वहां के नयापन के हजम कर गईले हवें, माने कि तनी-मनी अपन मन के समझावे से लोग बहुते जल्दी एडजस्ट कर जालें.

English : Many a stable, capable traveler has been overcome by the newness of developing world travel, where many little cultural adjustments can add up quickly.



Bhojpuri : पच्छिम के रहन सहन के जइसन आपन रहन सहन करे खातिर शुरू-शुरू बढ़िया होटलन पे, खाये-पिए पे अउरी दूसर सुविधा पे खरचा करे के बारे में सोचीं।

English : Especially in your initial days, consider splurging on Western-style and -quality hotels, food, and services to help acclimatize.



Bhojpuri : रउआ जहवाँ के जीव-जंतुवन के बारे ना जनेलीं, उहँवाँ नीचे गद्दा या पैड पर मत सुतब।

English : Do not sleep on a mattress or pad on the ground in areas where you do not know the local fauna.



Bhojpuri : जे रउआ शिविर खातिर जा रहल बानी, तs सांप, बिच्छुअन से बचे खातिर एगो कैंप कॉट या हैमक लेकर आईं।

English : If you are going to camp out, bring a camp cot or hammock to keep you away from snakes, scorpions and such.



Bhojpuri : आपन घर में सबेरे सबेरे कॉफी अउरी रात में कैमोमाइल चाय के चुस्की लीं।

English : Fill your home with a rich coffee in the morning and some relaxing chamomile tea at night.



Bhojpuri : जब रउआ कहीं बाहर घूमे जाइलें, तs रउआ के पास अपना खातिर अउरी कुछो नया करे खातिर समय होला।

English : When you´re on a staycation, you have the time to treat yourself and take a few extra minutes to brew up something special.



Bhojpuri : जदि रउआ के कुछो काम करे के ढेर मन बा, तs रस या मलाई जइसन कुछ स्मूदी बनायीं:

English : If you´re feeling more adventurous, take the opportunity to juice or blend up some smoothies:



Bhojpuri : हो सकेला कि रउआ के एगो साधारण पेय मिल जाये जेके रउआ काम पर जाए से पहिले नाश्ता में ले सकेलीं ।

English : maybe you´ll discover a simple beverage that you can make for breakfast when you´re back to your daily routine.



[Day36]

Bhojpuri : जदि रउआ अइसन शहर में रहीलें जहवाँ अलग-अलग प्रकार के शराब पिए के रिवाज बा, तs पजरे के कउनो बार या पब में जाईं जहवाँ रउआ ना जाइलें।

English : If you live in a city with a varied drinking culture, go to bars or pubs in neighborhoods you don´t frequent.



Bhojpuri : जेके डाक्टरी के शब्द नइखे मालूम उ लोग जान लीं, संक्रामक अउरी छुवाछूत शब्दन के अलग-अलग मतलब होला।

English : For those unfamiliar with medical jargon, the words infectious and contagious have distinct meanings.



Bhojpuri : एगो संक्रामक रोग उ हs जे एगो रोगजनक के कारण होला, जइसे कि वायरस, जीवाणु, कवक या कउनो अउरी परजीवी।

English : An infectious disease is one that is caused by a pathogen, such as a virus, bacterium, fungus or other parasites.



Bhojpuri : छुवाछुत एगो अइसन बीमारी हs जे कउनो बीमार व्यक्ति के पजरे रहला से जल्दी से फईलेला।

English : A contagious disease is a disease which is easily transmitted by being in the vicinity of an infected person.



Bhojpuri : कई जगहन के सरकार देस में आए वाला लोगन, चाहे देस से बाहर जाए वाला लोगन के कई गो बीमारियन से बचे वाला टीका लगवावल जरूरी क दिहले हs।

English : Many governments require visitors entering, or residents leaving, their countries to be vaccinated for a range of diseases.



Bhojpuri : इ सब जरूरत अक्सर इ बात पर निर्भर करेला कि घुमेवाला कउने देश में गइल बा या जायेके इरादा रखेला।

English : These requirements may often depend on what countries a traveller has visited or intends to visit.



Bhojpuri : उत्तरी कैरोलिना के शार्लोट के एगो सबसे बढ़िया खूबी ई ह कि इहां परिवारन खातिर कई गो बढ़िया चीज मौजूद ह।

English : One of strong points of Charlotte, North Carolina, is that it has an abundance of high-quality options for families.



Bhojpuri : दूसर जगह के लोग अक्सर उहां जाये खातिर पहिला कारण पारिवारिक महौल के बतावेलें, अउरी आवेवालन के अक्सर शहर के आसपास बच्चन के साथ मजा करल बढ़िया लागेला।

English : Residents from other areas often cite family-friendliness as a primary reason for moving there, and visitors often find the city easy to enjoy with children around.



Bhojpuri : पिछले 20 बरस में, अपटाउन शार्लोट में बच्चन के मस्ती मजा करे साधन बहुते तेजी से बढ़ल बा।

English : In the past 20 years, the amount of child-friendly options in Uptown Charlotte has grown exponentially.



Bhojpuri : शार्लोट में लोग टैक्सियन के प्रयोग ना करेलें, तबो उ सब कबो कबो काम आ सकेलें।

English : Taxis are not generally used by families in Charlotte, though they can be of some use in certain circumstances.



Bhojpuri : 2 गो से अधिक सवारी रहला पर सरचार्ज लागेला, एही से इ जरूरत से ढेर महंगा हो जाला।

English : There is a surcharge for having more than 2 passengers, so this option might be more expensive than necessary.



Bhojpuri : अंटार्कटिका धरती पर मौजूद सबसे ठंढ़ा जगह बा अउरी इ दक्षिण ध्रुव के चारों बगल से घेरले बा.

English : Antarctica is the coldest place on Earth, and surrounds the South Pole.



Bhojpuri : पर्यटक दौरा महंगा बा, शारीरिक फिटनेस भी ज़रूररी बा, पर्यटन केवल गर्मी में नवंबर-फरवरी तक हो सके ला अउर बड़ा पैमाना पर द्वीप अउर रॉस सागर तक के सिमित बा.

English : Tourist visits are costly, demand physical fitness, can only take place in summer Nov-Feb, and are largely limited to the Peninsula, Islands and Ross Sea.



Bhojpuri : गर्मी के मौसम में इहाँ करीब चार दर्जन बेस कैंप में कुछ हजार स्टाफ लोग रहेलन, जेकरा में से ठंढी के मौसम में बहुत कमे लोग रुकेलन.

English : A couple of thousand staff live here in summer in some four dozen bases mostly in those areas; a small number stay over winter.



Bhojpuri : अंटार्कटिका के भीतरी हिस्सा एकदम उजाड़ पठार बा जे 2-3 किलोमीटर बरफ से तोपाएल रहेला.

English : Inland Antarctica is a desolate plateau covered by 2-3 km of ice.



Bhojpuri : कभी-कभार विशेषज्ञ लोगन हवाई यात्रा करके इ महाद्वीप के अंदर वाला हिस्सा या ध्रुव तक जालन, जहवाँ बड़का-बड़का बेस कैंप बनल बा.

English : Occasional specialist air tours go inland, for mountaineering or to reach the Pole, which has a large base.



Bhojpuri : दक्षिण ध्रुव ट्रैवर्स रॉस सागर पर मैकमुर्डो स्टेशन से ध्रुव तक 1600 किमी के रास्ता हs।

English : The South Pole Traverse (or Highway) is a 1600 km trail from McMurdo Station on the Ross Sea to the Pole.



Bhojpuri : इ जमल बरफ हs जेकर दरार भर गइल बा आउर झंडन से निसान लगावल बा। एपर खाली विशेष ट्रैक्टर ही जा सकेलें, जे बरफ पर चलेवाली गाड़ी से ईंधन और सामान ढोवेलें।

English : It´s compacted snow with crevasses filled in and marked by flags. It can only be traveled by specialized tractors, hauling sleds with fuel and supplies.



Bhojpuri : उ सब बहुत तेज ना होलें एही से पठार पर आवे खातिर ट्रान्सांटार्कटिक पर्वत के चारों ओर एगो लंबा चक्कर लगावे के पड़ेला।

English : These aren´t very nimble so the trail has to take a long swerve around the Transantarctic Mountains to come onto the plateau.



Bhojpuri : जाड़ा में दुर्घटना के सबसे आम कारण फिसलन वाला रस्ता, फुटपाथ अउरी खासकरके हमनी के चलेके तरीका होला।

English : The most common cause for accidents in winter is slippery roads, pavements (sidewalks) and especially steps.



Bhojpuri : कम से कम, रउआ के सही तलवा वाला जूता चाही। गर्मियन के जूता आमतौर पर बरफ पर बहुत फ़िसलेला, इहाँ तक कि कुछ जड़वा के जुतवो भी काम ना आवेलें।

English : At a minimum, you need footwear with suitable soles. Summer shoes are usually very slippery on ice and snow, even some winter boots are deficient.



Bhojpuri : पैटर्न ढेर गहिर होवे के चाही, 5 मिमी (1/5 इंच) या ऐसे अधिक, अउरी जूता के कपडा जाड़ा में एकदम नरम होवे के चाही।

English : The pattern should be deep enough, 5 mm (1/5 inch) or more, and the material soft enough in cold temperatures.



Bhojpuri : कुछ जूतन में स्टड होला आउर फिसलन से बचे खातिर स्टडेड ऐड-ऑन उपकरण वाला हील आउर शोल होला, जे ज्यादातर जूता आउर बूट में होला।

English : Some boots have studs and there is studded add-on equipment for slippery conditions, suitable for most shoes and boots, for the heels or heels and sole.



Bhojpuri : हील कम आउर चौड़ा होवे के चाही। बालू, बजरी या नमक (कैल्शियम क्लोराइड) के अक्सर सड़क पर कर्षण सुधारे खातिर छिट दिहल जाला।

English : Heels should be low and wide. Sand, gravel or salt (calcium chloride) is often scattered on roads or paths to improve traction.



Bhojpuri : हिमस्खलन कउनो असामान्य बात ना हs; खड़ ढलान खाली धीरे गिरे वालन के रोक सकेले, और बाकी सब हिमस्खलन के रूप में नीचे आ जाला।

English : Avalanches are not an abnormality; steep slopes can hold only so much slow, and the excess volumes will come down as avalanches.



[Day37]

Bhojpuri : समस्या इ बा कि बरफ चिपचिपा होला, एही से एके नीचे आवे खातिर कुछ ट्रिगर के आवश्यकता होला, और नीचे आयेवाली कुछ बरफ बाकी खातिर ट्रिगरिंग के काम कर सकेला।

English : The problem is that snow is sticky, so it needs some triggering to come down, and some snow coming down can be the triggering event for the rest.



Bhojpuri : कबो-कबो ट्रिगरिंग सूरज के गरमी से बरफ के गरम भइला से, कबो कुछ आउर बरफबारी से, कबो-कबो आदमियन के कारण होये वाला दूसर प्राकृतिक घटना से होला।

English : Sometimes the original trigging event is the sun warming the snow, sometimes some more snowfall, sometimes other natural events, often a human.



Bhojpuri : बवंडर बहुत कम दबाव वाला हवा के एगो घुमत खम्भा हs, जे आसपास के हवा के अंदर अउरी ऊपर की ओर खींचेला।

English : A tornado is a spinning column of very low-pressure air, which sucks the surrounding air inward and upward.



Bhojpuri : उ तेज़ हवा (अक्सर 100-200 मील/घंटा) उत्पन्न करेला और भारी समानन के हवा में उठा सकेला, उन्हनि के बवंडर के रूप में ले जा सकेला।

English : They generate high winds (often 100-200 miles/hour) and can lift heavy objects into the air, carrying them as the tornado moves.



Bhojpuri : उ सब तूफानी बादलन से उतरत हुए छननी के रूप में शुरू होलें, आउर जब उ जमीन के छुवे ले तs ¨बवंडर¨ बन जाला।

English : They begin as funnels descending from storm clouds, and become ¨tornadoes¨ when they touch the ground.



Bhojpuri : व्यक्तिगत वीपीएन (वर्चुअल प्राइवेट नेटवर्क) प्रदाता राजनीतिक सेंसरशिप आउर वाणिज्यिक आईपी-जियोफिल्टरिंग दुनू के दरकिनार करे के एगो शानदार तरीका हs।

English : Personal VPN (virtual private network) providers are an excellent way of circumventing both political censorship and commercial IP-geofiltering.



Bhojpuri : उ कईगो कारण से वेब प्रॉक्सी से बेहतर हs: उ खाली http ही नाहीं, बल्कि सब इंटरनेट ट्रैफ़िक के फिर से रूट करेला।

English : They are superior to web proxies for several reasons: They re-route all Internet traffic, not only http.



Bhojpuri : उ सब आम तौर पर उच्च बैंडविड्थ अउरी सेवा के बढ़िया बनवेला। उ एन्क्रिप्टेड होला आउर एही से जासूसी करल कठिन होला।

English : They normally offer higher bandwidth and better quality of service. They are encrypted and thus harder to spy on.



Bhojpuri : मीडिया कंपनी एकरे बारे में लगातार झूठ बोलत रहेलीन, उन्हनि के दावा हs कि इ ¨चोरी के रोकल¨ हs।

English : The media companies routinely lie about the purpose of this, claiming that it is to ¨prevent piracy¨.



Bhojpuri : देखल जाये त, क्षेत्र कोड का अवैध नकल से कउनो प्रभाव ना पड़ेला; डिस्क के बिट-दर-बिट कापी कउनो भी उपकरण में वइसे ही बढ़िया से चली जहवाँ मूल कापी चलेला।

English : In fact, region codes have absolutely no effect on illegal copying; a bit-for-bit copy of a disk will play just fine on any device where the original will.



Bhojpuri : असली मकसद उ कंपनियन के आपन बाजार पर नियंत्रण रखल हs; इ सब पइसा के खेल हs।

English : The actual purpose is to give those companies more control over their markets; it´s all about money spinning.



Bhojpuri : काल इंटरनेट पर रूट करल जाला, एही से रउआ के उ फोन कंपनी के उपयोग करे के आवश्यकता ना हs जहवाँ रउआ रहेलीं या जहवाँ रउआ घूमे जाइलें।

English : Because calls are routed over the Internet, you do not need to use a phone company located where you live or where you travel.



Bhojpuri : इहो जरुरी ना हs कि रउआ उ उइजा के नंबर लीं जहवाँ रउआ रहीलें; रउआ चिकन, अलास्का के जंगलन में उपग्रह इंटरनेट कनेक्शन पा सकेलीं आउर एगो नंबर चुन सकेलीं जे बताई कि रउआ एरिज़ोना के आसमान के नीचे बानी।

English : There is also no requirement that you obtain a local number from the community in which you live; you can obtain a satellite Internet connection in the wilds of Chicken, Alaska and select a number which claims you´re in sunny Arizona.



Bhojpuri : अक्सर, रउआ के एगो वैश्विक नंबर अलग से ख़रीदे के पड़ेला जे पीएसटीएन फोन से रउआ के काल करे के अनुमति देला। नंबर कहां के हs, ऐसे रउआ के काल करे वाले लोगन के फरक पड़ेला।

English : Often, you have to buy a global number separately that allows PSTN phones to call you. Where the number is from makes a difference for people calling you.



Bhojpuri : रीयल-टाइम टेक्स्ट ट्रांसलेटर ऐप्स - अइसन एप्लिकेशन हs जे टेक्स्ट के एक भाषा से दूसर भाषा में खुदे से अनुवाद कर सकेला।

English : Real-time text translator apps – applications that are capable of automatically translating whole segments of text from one language into another.



Bhojpuri : अइसन कुछ एप्लिकेशन वास्तविक दुनिया में संकेतन या अन्य वस्तुवन पर विदेशी भषवन में ग्रंथन के अनुवाद भी कर सकेलें जब उपयोगकर्ता स्मार्टफोन के उनकरे ओर ले जइहन।

English : Some of the applications in this category can even translate texts in foreign languages on signs or other objects in the real world when the user points the smartphone towards those objects.



Bhojpuri : अनुवाद इंजनन में सुधार भइल बा, आउर अब अक्सर कम या ज्यादा सही अनुवाद देवेलें (और शायद ही कबो अस्पष्ट), लेकिन थोड़ बहुत ध्यान देवे के जरूत होला, काहेंकि उ अबो भी एके गलत समझ सकेलें।

English : The translation engines have improved dramatically, and now often give more or less correct translations (and more seldom gibberish), but some care is due, as they still may have gotten it all wrong.



Bhojpuri : इ सब में सबसे प्रमुख ऐप्स में से एगो Google अनुवाद हs, जे वांछित भाषा के डाटा डाउनलोड कइला के बाद आफलाइन अनुवाद कर देला।

English : One of the most prominent apps in this category is Google Translate, which allows offline translation after downloading the desired language data.



Bhojpuri : आपन देश से बाहर गइला पर आपन स्मार्टफ़ोन से जीपीएस नेविगेशन ऐप्स के उपयोग कइल नेविगेट करे के सबसे आसान अउरी सही होला।

English : Using GPS navigation apps on your smartphone can be the easiest and most convenient way to navigate when out of your home country.



Bhojpuri : इ एगो जीपीएस, या एगो स्टैंडअलोन जीपीएस डिवाइस खातिर नया नक्शा ख़रीदला या कार किराए पर देवे वाली कंपनी से किराए पर लेहला पइसा बचावेला।

English : It can save money over buying new maps for a GPS, or a standalone GPS device or renting one from a car rental company.



Bhojpuri : जदि राउर फ़ोन में डेटा कनेक्शन नइखे, या जब इ रेंज से बाहर बा, तs इ बंद हो जाइ।

English : If you don´t have a data connection for your phone, or when it is out of range, their performance can be limited or unavailable.



Bhojpuri : हर दुकान प्रीपेड फोन कार्डन के लिस्ट से भरल बा जेकर उपयोग फोन या साधारण टेलीफोन से करल जा सकेला।

English : Every corner store is filled with a confusing array of pre-paid phone cards that can be used from pay phones or ordinary telephones.



Bhojpuri : देखल जाये तs सब कार्ड कहींयो काल करे खातिर अच्छा होलें, कुछ खास देशन में सस्ता काल दर देवे खातिर होलें।

English : While most cards are good for calling anywhere, some specialise in providing favourable call rates to specific groups of countries.



Bhojpuri : इ सुविधवन के अक्सर एगो टोल-फ्री टेलीफोन नंबर से लिहल जाला जेपर बिना कउनो पइसा के कउनो फोन से काल करल जा सकेला।

English : Access to these services is often through a toll-free telephone number that can be called from most phones without charge.



Bhojpuri : नियमित फोटोग्राफी के नियम वीडियो रिकॉर्डिंग पर भी लागू होलें, हो सकेला एहु से भी ढेरे।

English : Rules regarding regular photography also apply to video recording, possibly even more so.



[Day38]

Bhojpuri : अगर कउनो चीज के फोटो लेवे के अनुमति नइखे, तs रउआ के ओकर वीडियो रिकॉर्ड करे के बारे में सोचहुँ के भी ना चाहीं।

English : If just taking a photo of something isn´t allowed, then you shouldn´t even think of recording a video of it.



Bhojpuri : जदि ड्रोन का उपयोग करतानी, तs पहिले से इ जांच लीं कि रउआ के का फिल्मावे की अनुमति हs आउर कउने परमिट या लाइसेंस के आवश्यकता हs।

English : If using a drone, check well in advance as to what you are allowed to film and what permits or additional licensing are required.



Bhojpuri : चाहे इ राउर क्षेत्र में अवैध हो या ना हो, हवाई अड्डा के पास या भीड़ के ऊपर ड्रोन उड़ावल हरदम मना होला।

English : Flying a drone near an airport or over a crowd is almost always a bad idea, even if it´s not illegal in your area.



Bhojpuri : आजकल पाहिले खोज और कीमतन के तुलना कइले बिना हवाई यात्रा शायदे कबो सीधे एयरलाइन से बुक करल जाला।

English : Nowadays air travel is only rarely booked directly through the airline without first searching and comparing prices.



Bhojpuri : कबो-कबो एकेगो उड़ान के अलग-अलग एग्रीगेटरन पर अलग-अलग कीमत होला और इ तुलना करे अउरी बुकिंग से पाहिले एयरलाइन के वेबसाइट के देखे खातिर भुगतान करेलीन।

English : Sometimes the same flight can have vastly differing prices at various agregators and it pays to compare search results and to also look at the website of the airline itself before booking.



Bhojpuri : जबकि रउआ के एगो पर्यटक के रूप में या बैपार खातिर कुछ देशन के छोटहन यात्रा खातिर वीजा के जरूरत ना होला, एगो अंतरराष्ट्रीय छात्र के रूप में ओइजा जाएमे एगो सामान्य पर्यटक के तुलना में अधिक समय तक रहे के पड़ेला।

English : While you may not need a visa for short visits to certain countries as a tourist or for business, going there as an international student generally requires a longer stay than going there just as a casual tourist.



Bhojpuri : बाकि कउनो भी दूसर देश में लंबा समय तक रहे खातिर रउआ के पहिले ही वीजा लेवे के पड़ी।

English : In general, staying in any foreign country for an extended period of time will require you to obtain a visa in advance.



Bhojpuri : छात्र वीजा के सामान्य पर्यटक या व्यावसायिक वीजा से अलग जरूरत आउर आवेदन प्रक्रिया होला।

English : Student visas generally have different requirements and application procedures from normal tourist or business visas.



Bhojpuri : कई देशन में, रउआ के उ संस्थान से एगो प्रस्ताव पत्र की आवश्यकता होइ जेमे रउआ पढ़े चाहतानी, और आपन पाठ्यक्रम के कम से कम पहिला साल पूरा खर्चा के पूरा करे के प्रमाण के भी देवे के होइ।

English : For most countries, you will need an offer letter from the institution you wish to study at, and also evidence of funds to support yourself for at least the first year of your course.



Bhojpuri : बाकि जरूरतन खातिर जउने देश में रउआ पढ़े चाहतानी, उ संस्थान के साथ-साथ ओइजा के आप्रवास विभाग से भी संपर्क करीं।

English : Check with the institution, as well as the immigration department for the country you wish to study in for detailed requirements.



Bhojpuri : जब तक आप एगो राजनयिक ना हईं, विदेश में काम करे के आम तौर पर मतलब हs कि आपके उ देश में आयकर जमा करे के होइ जहवाँ रउआ रहतानी।

English : Unless you are a diplomat, working overseas generally means that you will have to file income tax in the country you are based in.



Bhojpuri : अलग-अलग देशन में आयकर के संरचना अलग-अलग होला, और कर के दर एक देश से दूसर देश में अलग होला।

English : Income tax is structured differently in different countries, and the tax rates and brackets vary widely from one country to another.



Bhojpuri : कुछ संघीय देशन में, जइसे कि संयुक्त राज्य अमरीका अउरी कनाडा में, आयकर संघीय स्तर और स्थानीय स्तर दुनो पर लगावल जाला, एही से दर अलग-अलग जगह में अलग होला।

English : In some federal countries, such as the United States and Canada, income tax is levied both at the federal level and at the local level, so the rates and brackets can vary from region to region.



Bhojpuri : जब रउआ आपन देश में आवे वाला होएनी तब इमिग्रेशन जांच के अभाव या खाली एगो औपचारिकता निभाइला से सीमा शुल्क नियंत्रण करे में परेशानी हो सकेला।

English : While immigration check is usually absent or a formality when you arrive in your homeland, customs control can be a hassle.



Bhojpuri : इ बात के रउआ पक्का करे के चाहीं कि रउआ का जानतानी, रउआ का कर सकेलीं आउर का ना कर सकेलीं आउर कानूनी सीमा आगे जाके का ना घोषित कर सकेनी।

English : Make sure you know what you can and cannot bring in and declare anything over the legal limits.



Bhojpuri : यात्रा लेखन के व्यवसाय के सुरूआत करे के सबसे आसान तरीका एगो स्थापित यात्रा ब्लॉग वेबसाइट पर आपन कौशल के सुधारल हs।

English : The easiest way to get started in the business of travel writing is to hone your skills on an established travel blog website.



Bhojpuri : वेब फ़ॉर्मेटिंग और संपादन में हुनर ले लेला के बाद, रउआ बाद में आपन वेबसाइट बना सकेनी।

English : After you become comfortable with formatting and editing on the web, then later, you might create your own website.



Bhojpuri : यात्रा करके समय स्वयंसेवा करल एगो शानदार तरीका हs, लेकिन इ केवल देवे के बारे में ना हs।

English : Volunteering while travelling is a great way to make a difference but it´s not just about giving.



Bhojpuri : एगो विदेशी में रहल आउर स्वयंसेवा करल, एगो अलग संस्कृति के जानल, नए लोगन से मिलल, आपन बारे में जाने के, परिप्रेक्ष्य के भावना लेवे के आउर इहाँ तक कि नया कौशल हासिल करे के एगो शानदार तरीका हs।

English : Living and volunteering in a foreign country is a great way to get to know a different culture, meet new people, learn about yourself, get a sense of perspective and even gain new skills.



Bhojpuri : इ कहीं अउरो लंबा समय तक रहे के खातिर बजट के बढ़ावे के एगो अच्छा तरीका भी हो सकेला काहेंकि कई स्वयंसेवी नौकरी कमरा और बोर्ड प्रदान करे के साथे एगो छोट वेतन भी देवेला।

English : It can also be a good way to stretch a budget to allow a longer stay somewhere since many volunteer jobs provide room and board and a few pay a small salary.



Bhojpuri : वाइकिंग्स काला सागर और कैस्पियन सागर तक जाये खातिर रूसी जलमार्गन के इस्तेमाल कइले रहलें। इ रास्तन के कुछ हिस्सन के अभिहों भी उपयोग करल जा सकेला। विशेष परमिट के उ संभावित जरूरत के जाँच कर लेवे के चाहीं जेकरा के पावल मुश्किल हो जाला।

English : Vikings used the Russian waterways to get to the Black Sea and Caspian Sea. Parts of these routes can still be used. Check possible need for special permits, which may be difficult to get.



Bhojpuri : वनगा झील, लाडोगा झील आउर सेंट पीटर्सबर्ग जादातर नदी और झील के माध्यम से, व्हाइट सी-बाल्टिक नहर आर्कटिक महासागर के बाल्टिक सागर से जोड़ेला।

English : The White Sea–Baltic Canal connects the Arctic Ocean to the Baltic Sea, via Lake Onega, Lake Ladoga and Saint Petersburg, mostly by rivers and lakes.



Bhojpuri : वनगा झील भी वोल्गा से जुड़ल बा, जेकरा वजह से कैस्पियन सागर से होते हुए रूस में आवल अभिहों संभव बा।

English : Lake Onega is also connected to Volga, so coming from the Caspian Sea through Russia is still possible.



Bhojpuri : निश्चिंत रहीं कि एक बार जब रउआ मारिनों पहुँच जाइब त सब कुछ बहुत स्पष्ट हो जाइ। रउआ अउरी नाव सहयात्रियन से मिलब और उ सब आपन जानकारी रउआ साथ साझा करी ।

English : Be assured that once you hit the marinas everything will be pretty obvious. You will meet other boat hitchhikers and they will share their information with you.



Bhojpuri : मूल रूप से रउआ आपन मदद के पेशकश करते हुए नोटिस लगा रहल होखेम, डॉक के पेसिंग कर रहल होखेम, आपन याच के सफाई करे वाले लोगन से संपर्क कर रहल होखेम, बार में नाविकन से संपर्क करे के कोशिश कर रहल होखेम, आदि।

English : Basically you´ll be putting up notices offering your help, pacing the docks, approaching people cleaning their yachts, trying to make contact with sailors in the bar, etc.



[Day39]

Bhojpuri : जादा से जादा लोगन से बात करे के कोशिश करीं। थोड़ी देर बाद सब रउआ के जाने लगीहें और संकेत दिहें कि कौन नाव केकरा के ढूंढ रहल बा।

English : Try to talk to as many people as possible. After a while everyone will know you and will give you hints as to which boat is looking for someone.



Bhojpuri : रउआ आपन फ़्रीक्वेंट फ़्लायर एयरलाइन ध्यान से चुने के चाही।

English : You should choose your Frequent Flyer airline in an alliance carefully.



Bhojpuri : यद्यपि रउआ सोच सकेलीं कि जउने एयरलाइन से रउआ सबसे ढेर उड़ान भरेलीं, ओहि में बइठल सहज होइ, लेकिन रउआ पता होखे के चाहीं कि दिहल जाए वाला विशेषाधिकार अक्सर भिन्न होला आउर एक ही गठबंधन में एगो अलग एयरलाइन के तहत लगातार फ़्लायर पॉइंट अधिक उदार हो सकेला।

English : Although you may think it is intuitive to join the airline you fly most, you should be aware that privileges offered are often different and frequent flyer points may be more generous under a different airline in the same alliance.



Bhojpuri : अमीरात, एतिहाद एयरवेज, कतर एयरवेज और तुर्की एयरलाइंस जइसन एयरलाइंस अफ्रीका में आपन सेवा के विस्तार कइले हईं, और अन्य यूरोपीय एयरलाइनन के तुलना में प्रतिस्पर्धी दर पर कई प्रमुख अफ्रीकी शहरन खातिर उड़ान प्रदान करेलीं।

English : Airlines such as Emirates, Etihad Airways, Qatar Airways & Turkish Airlines have greatly expanded their services to Africa, and offer connections to many major African cities at competitive rates than other European airlines.



Bhojpuri : 2014 तक 30 अफ्रीकी देशन में तुर्की एयरलाइंस 39 गंतव्य खातिर उड़ान भरे ला ।

English : Turkish Airlines flies to 39 destinations in 30 African countries as of 2014.



Bhojpuri : जदि रउआ पास यात्रा खातिर अधिका समय बा, तs इ देखे खातिर जंचीं कि अफ्रीका खातिर राउर कुल किराया दुनिया भर के किराए के तुलना में केतना बा।

English : If you have additional travel time, check to see how your total fare quote to Africa compares with a round-the-world fare.



Bhojpuri : अफ्रीका के बाहर उ सब स्थान खातिर अतिरिक्त वीज़ा, प्रस्थान कर, भूमि परिवहन, आदि के अधिका लागतन के जोड़ल मत भुलेम।

English : Don´t forget to add in the extra costs of additional visas, departure taxes, ground transportation, etc. for all those places outside of Africa.



Bhojpuri : अगर रउआ दक्षिणी गोलार्ध में पूरी तरह से दुनिया भर में उड़ान भरे चाहतानी, तs ट्रांसओशनिक रास्तन के कमी के कारण उड़ान आउर मंजिल के विकल्प सीमित बा।

English : If you want to fly around the world completely in the Southern Hemisphere, the choice of flights and destinations is limited due to the lack of transoceanic routes.



Bhojpuri : कउनो भी एयरलाइन गठबंधन दक्षिणी गोलार्ध में कुल तीन महासागर क्रॉसिंग के कवर ना करेला (आउर स्काईटीम कउनो भी क्रॉसिंग के कवर ना करेला )।

English : No airline alliance covers all three ocean crossings in the Southern Hemisphere (and SkyTeam covers none of the crossings).



Bhojpuri : हालांकि, स्टार एलायंस, जउन कि लैटम वनवर्ल्ड के उड़ान हs, पूर्वी दक्षिण प्रशांत में सैंटियागो डे चिली से ताहिती के छोड़ के सब कुछ कवर करेला।

English : However, Star Alliance covers everything except the eastern South Pacific from Santiago de Chile to Tahiti, which is a LATAM Oneworld flight.



Bhojpuri : जे रउआ दक्षिण प्रशांत आउर दक्षिण अमेरिका के पश्चिमी तट के छोड़े के चाहतानी तs इहे ईगो उड़ान के विकल्प नइखे। (नीचे देखीं)

English : This flight is not the only option if you want to skip the South Pacific and the west coast of South America. (see below)



Bhojpuri : 1994 में, अजरबैजान के अर्मेनियाई नागोर्नो-कराबाख क्षेत्र वाला जात के लोग एज़ेरिस के खिलाफ युद्ध छेड़ देले रहलs।

English : In 1994, the ethnically Armenian Nagorno-Karabakh region of Azerbaijan waged war against the Azeris.



Bhojpuri : अर्मेनियाइन के सहयोग से, एगो नया गणराज्य बनावल गइल। हालांकि, कउनो भी स्थापित देश- इहाँ तक कि आर्मेनिया भी एकरा के आधिकारिक तौर पर एगो देश के जइसन मान्यता ना देहलस।

English : With Armenian backing, a new republic was created. However, no established nation - not even Armenia - officially recognizes it.



Bhojpuri : इ क्षेत्र के राजनयिक झगड़ा आर्मेनिया आउर अजरबैजान के आपस के संबंध के खराब करल जारी रखले बा।

English : Diplomatic arguments over the region continue to mar relations between Armenia and Azerbaijan.



Bhojpuri : कैनाल डिस्ट्रिक्ट (डच: ग्रेचटेनगॉर्डेल) एम्स्टर्डम के बिन्नेंस्टेड के आसपास 17 वीं शताब्दी के प्रसिद्ध जिला हs।

English : The Canal District (Dutch: Grachtengordel) is the famous 17th-century district surrounding the Binnenstad of Amsterdam.



Bhojpuri : पूरा जिले के आपन अद्वितीय सांस्कृतिक आउर ऐतिहासिक मूल्य खातिर यूनेस्को के विश्व धरोहर स्थल के रूप में नामित करल गइल बा, आउर एकर संपत्ति के दाम देश में सबसे ऊँचा होला।

English : The whole district is designated as a UNESCO World Heritage Site for its unique cultural and historical value, and its property values are among the highest of the country.



Bhojpuri : सिंक्वे टेर्रे, जेकर मतलब हs पाँचगो जमीन, में लिगुरिया के इतालवी क्षेत्र में स्थित रियमग्गिओरे, मनरोला, कोर्निगलिआ, वेर्णाजज़ा आउर मोंटेरोस्सो के पाँचगो छोट-छोट तटीय गाँव शामिल बा।

English : Cinque Terre, which means Five Lands, comprises the five small coastal villages of Riomaggiore, Manarola, Corniglia, Vernazza and Monterosso located in the Italian region of Liguria.



Bhojpuri : उ सब यूनेस्को के विश्व विरासत सूची में सूचीबद्ध बा।

English : They are listed on the UNESCO World Heritage List.



Bhojpuri : सदियन से, लोग समुद्र के किनारे ऊबड़-खाबड़ आउर खड़ चट्टानन पर सावधानी से छत के निर्माण कइले बा।

English : Over the centuries, people have carefully built terraces on the rugged, steep landscape right up to the cliffs that overlook the sea.



Bhojpuri : एकर आकर्षण के एगो कारण दृश्यमान कॉर्पोरेट विकास के कमी बा जे रस्ता, रेलगाड़ियाँ आउर नाव गाँवन के जोड़ेला, आउर कार उहां तक बाहर से ना पहुँच सकेला

English : Part of its charm is the lack of visible corporate development. Paths, trains and boats connect the villages, and cars cannot reach them from the outside.



Bhojpuri : बेल्जियम आउर स्विटजरलैंड में बोलल जाये वाली फ्रेंच फ्रांस में बोलल जाये वाली फ्रेंच से थोड़ा अलग बा, हालांकि उ सब पारस्परिक रूप से समझे में एके जइसन लागे ला।

English : The varieties of French which are spoken in Belgium and Switzerland differ slightly from the French spoken in France, though they are similar enough to be mutually intelligible.



Bhojpuri : विशेष रूप से, फ्रेंच भाषी बेल्जियम आउर स्विटजरलैंड में नंबरिंग प्रणाली में कुछ मामूली विशेषता बाटे जे फ्रांस में बोलल जाये वाली फ्रेंच से अलग बा, आउर कुछ शब्दन के उच्चारण भी थोड़ा अलग बा।

English : In particular, the numbering system in French-speaking Belgium and Switzerland has some slight peculiarities that are different from the French spoken in France, and the pronunciation of some words is slightly different.



Bhojpuri : फेर भी, सब फ़्रांसीसी भाषी बेल्जियन आउर स्विस स्कूल में मानक फ़्रेंच सिखले होहियन, एही खातिर उ रउआ समझे में सक्षम बानी, भले ही रउआ मानक फ़्रेंच संख्या प्रणाली के उपयोग कइले होंखी।

English : Nevertheless, all French-speaking Belgians and Swiss would have learned standard French in school, so they would be able to understand you even if you used the standard French numbering system.



Bhojpuri : दुनिया के कई हिस्सन में, हाथ हिलवाल एगो दोस्ताना इशारा समझल जाला जे आमतउर पर ¨मस्ते¨ के संकेत देला।

English : In many parts of the world, waving is a friendly gesture, indicating ¨hello.¨



Bhojpuri : हालांकि, मलेशिया में, कम से कम ग्रामीण क्षेत्रन के मलयन के बीच, एकर मतलब शरीर की ओर तर्जनी के तरे ¨आओ,¨ हs, एगो इशारा जेकर कुछ पश्चिमी देशन में उपयोग करल जाला, आउर एकर उपयोग केवल ओहि खातिर करे के चाही।

English : However, in Malaysia, at least among the Malays in rural areas, it means ¨come over,¨ similar to the index finger bent toward the body, a gesture which is used in certain Western countries, and should be used only for that purpose.



[Day40]

Bhojpuri : ठीक अइसे ही, स्पेन में एगो ब्रिटिश यात्री अलविदा में हिलवाल गइल हाथ, जेमे हथेली हाथ हिलाये वाले के तरफ होला (अलविदा कहे जाये वाला व्यक्ति के बजाय), के वापस आवे के एगो इशारा के रूप में समझे के गलती कर सकेला।

English : Similarly, a British traveller in Spain may mistake a wave goodbye involving the palm facing the waver (rather than the person being waved at) as a gesture to come back.



Bhojpuri : सहायक भाषा कृत्रिम या निर्मित भाषा होला जे उ लोग के बीच संचार के सुविधाजनक बनावे खातिर बनावल गइल बा जेकर संवाद करे में कठिनाई के सामना करे के पड़े ला।

English : Auxiliary languages are artificial or constructed languages created with the intent of facilitating communication between peoples who would otherwise have difficulty communicating.



Bhojpuri : इ सब लिंगुआ फ़्रैंक से अलग बा, जे प्राकृतिक या जैविक भाषा ह आउर कौनों न कौनों कारन से दुसर भषवन के वक्तवन के बीच संचार के साधन के रूप में प्रभावी हो जाला।

English : They are separate from lingua francas, which are natural or organic languages that become dominant for one reason or another as means of communication between speakers of other languages.



Bhojpuri : दिन के गर्मी में यात्री के मृगतृष्णा के एहसास हो सकेला जे पानी (या अन्य चीजन) जइसन भ्रम दे सकेला।

English : In the heat of the day, travelers can experience mirages that give the illusion of water (or other things).



Bhojpuri : यात्री के मृगतृष्णा के पीछा करल खतरनाक हो सकेला जे कीमती ऊर्जा आउर बचल पानी बर्बाद करेला।

English : These can be dangerous if the traveler pursue the mirage, wasting precious energy and remaining water.



Bhojpuri : इहाँ तक कि सबसे गरम रेगिस्तान भी रात में बेहद ठंडे हो सकेला। हाइपोथर्मिया गरम कपड़ा के बिना एक वास्तविक जोखिम मानल जाला।

English : Even the hottest of deserts can become extremely cold at night. Hypothermia is a real risk without warm clothing.



Bhojpuri : गर्मी में, विशेष रूप से, यदि रउआ वर्षावन से होकर आगे बढे के निर्णय ले तानी, तs रउआ के मच्छरन से सावधान रहे के पड़ी।

English : In summer, especially, you´ll need to watch out for mosquitoes if you decide to hike through the rainforest.



Bhojpuri : इहाँ तक कि अगर रउआ उपोष्णकटिबंधीय वर्षावन के बीच से गाड़ी चला रहल बानी, तs गाड़ी के अंदर आवे के करम में कुछ सेकंड खातिर दरवाजा के खुला रहले से मच्छर राउर गाड़ी में आ जहियन सन।

English : Even if you´re driving through the subtropical rainforest, a few seconds with the doors open while you get inside the vehicle is enough time for mosquitoes to get in the vehicle with you.



Bhojpuri : बर्ड फ्लू, या अधिक औपचारिक रूप से एवियन इन्फ्लूएंजा, पक्षियन आउर स्तनधारियन दुनु के संक्रमित कर सकेला।

English : Bird flu, or more formally avian influenza, can infect both birds and mammals.



Bhojpuri : इंसानन में एक हजार से भी कम मामला सामने आइल, लेकिन ओमे से कुछ बहुत घातक रहल।

English : Fewer than a thousand cases have ever been reported in humans, but some of them have been fatal.



Bhojpuri : अधिकांश में अइसन लोग शामिल हो सकेला जे पोल्ट्री में काम करेला लेकिन बर्डवॉचर्स के कुछ खतरा भी होला ।

English : Most have involved people who work with poultry, but there is also some risk to birdwatchers.



Bhojpuri : नॉर्वे में विशिष्ट रूप से खड़ घाटी बा जे अचानक एगो उच्च, कमोबेश पठार जइसन रास्ता देला।

English : Typical for Norway are steep fjords and valleys that suddenly give way to a high, more or less even plateau.



Bhojpuri : इ सब पठारन के अक्सर ¨विदे¨ के रूप में संदर्भित करल जाला जेकर माने एगो फइलल, खुलल बिना पेड़ वाला असीम विस्तृत स्थान होला।

English : These plateaus are often referred to as ¨vidde¨ meaning a wide, open treeless space, a boundless expanse.



Bhojpuri : रोगालैंड आउर एगडर में इनके आमतउर पर ¨हेई¨ कहल जाला, जेकर मतलब हs एगो बेजान दलदली जमीन जे अक्सर हीदर से ढकल रहेला।

English : In Rogaland and Agder they are usually called ¨hei¨ meaning a treeless moorland often covered in heather.



Bhojpuri : ग्लेशियर स्थिर ना होला, बल्कि पहाड़ से नीचे गिर के बहे ला जेकर से दरार पड़ जाला, जे बर्फ के पुलन से अस्पष्ट हो सकेला।

English : The glaciers are not stable, but flow down the mountain. This will cause cracks, crevasses, which may be obscured by snow bridges.



Bhojpuri : बर्फ के गुफवन की दीवार आउर छत ढह सकेला आउर दरार भी बंद हो सकेला।

English : The walls and roofs of ice caves can collapse and cracks can get closed.



Bhojpuri : ग्लेशियरन के किनारे पर ब्लॉक बढ़ के ढीला हो जाला , नीचे गिर जाला आउर शायद किनारे से दूर लुढ़क जाला।

English : At the edge of glaciers huge blocks break loose, fall down and perhaps jump or roll farther from the edge.



Bhojpuri : हिल स्टेशन के पर्यटन के मौसम आम तौर पर भारत में पड़े वाला गर्मी के दौरान चरम पर देखल जाला।

English : The tourist season for the hill stations generally peaks during the Indian summer.



Bhojpuri : हालांकि, सर्दियन में ओकर एगो अलगे तरह के सुंदरता आउर आकर्षण देखे के मिले ला, कई हिल स्टेशनन में भरपूर मात्रा में बर्फ गिरेला आउर स्कीइंग आउर स्नोबोर्डिंग जइसन गतिविधियन के पेशकश भी करल जाला।

English : However, they have a different kind of beauty and charm during winter, with many hill stations receiving healthy amounts of snow and offering activities such as skiing and snowboarding.



Bhojpuri : केवल कुछे एयरलाइंस अबो भी शोक किराए की पेशकश करेलिन, जे अंतिम समय में अंतिम संस्कार के यात्रा के लागत में थोड़ा छूट से संबंधित होला।

English : Only a few airlines still offer bereavement fares, which slightly discount the cost of last-minute funeral travel.



Bhojpuri : जवन एयरलाइंस एके पेश करेलिन ओकरा में एयर कनाडा, डेल्टा एयर लाइन्स, यू.एस. या कनाडा से हॉवे वाली उड़ानन खातिर लुफ्थांसा आउर वेस्टजेट शामिल हईन।

English : Airlines that offer these include Air Canada, Delta Air Lines, Lufthansa for flights originating from the U.S. or Canada, and WestJet.



Bhojpuri : कौनों भी मामलन में, रउआ एयरलाइन में सीधे फोन करके बुक करे के होइ।

English : In all cases, you must book by phone directly with the airline.



Languages

Popular posts from this blog

40 days English and Javanese conversation with Flores.

40 days Chinese (Traditional) and Modern Standard Arabic (Romanized) conversation with Flores.

40 days Korean and South Levantine Arabic conversation with Flores.